Go to ...
RSS Feed

बिहार के खबर


(अतवार 11 सितम्बर)

  • बिहार के 9 जिलों में बाढ़ की चेतावनी
    पटना, 11 सितम्बर (आईएएनएस). गंगा आ सोन नदी के लगातार उफनात जाये का चलते बिहार सरकार नौ जिला में बाढ़ के चेतावनी दिहले बिया. एह में पटना, भोजपुर, सारण, वैशाली, कटिहार, भागलपुर, बेगूसराय, समस्तीपुर अउर खगड़िया के राखल गइल बा आ जिला प्रशासन के सतर्क कर दिहल गइल बा. जिलाधिकारियन से कहल गइल बा कि तटबंधन के निगरानी आ बाढ़ बचाव कार्य चलावल जाय. एहतियातन सोन नदी के पटना आ आरा नहर के बंद कर दिहल गइल बा. बतावल गइल बा कि बड़की नदियन के जलग्रहण वाला इलाका में लगातार बरखा आ बाणसागर कुंड से छह लाख क्यूसेक पानी छोड़ला से ई हालात उपजल बा.
  • गया में पितरपख मेला आजु से शुरू. मानल जाला कि सनातन धर्मियन के पूर्वज एह पखवारा में गया में वास करेले आ एह समय ओह लोग खातिर पिंडदान करे के परंपरा अनादि काल से चलल आवत बा. एह दौरान दुनिया भर से हिन्दू गया आवेले अपना पुरखन खातिर पिंड दान करे.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: