Go to ...
RSS Feed

बिहार के खबर


(शुक 16 सितम्बर)

  • अब पटनो में मेट्रो रेल चलावल जाई. काल्हु योजना आयोग एकरा पर आपन सहमति दे दिहलसि. पहिला चरण में पटना सिटी से दानापुर ले मेट्रो लाइन बिछावल जाई.
  • सिवान जिला के नगर थाना में चोरी के एगो मामिला में बंद आरोपी के हिरासत में मौत हो गइल.
  • केन्द्र सरकार बिहार में लटकल सड़क परियोजनन के मंजूरी दे दिहलसि जवना से अठाईस हजार किलोमीटर सड़क बनावे के काम शुरू हो सकी. केन्द्र सरकार बिहार के इहो छूट दे दिहलसि कि ऊ अपना एजेंसी से ई काम करवा सकेले.
  • पुलिसिया वसूली से भागत घरी जानवरन से भरल एगो ट्रक काल्हु लखीसराय जिला के मराची थाना इलाका में पचमहला आ जलालपुर गाँव का बिचे एगो घर में घुस गइल जवना से चार लोग कचरा के मर गइले. खिसियाइल लोग मचमहला चौकी इंचार्ज के बर्खास्तगी के माँग करत सड़क पर जाम लगावल.
  • आजु शुक से यूपी का इलाहाबाद में तीन दिन के बिहार महोत्सव के आयोजन कइल गइल बा जवना में तरह तरह के स्टॉल लगा के राज्य के सामान आ कला के प्रदर्शन कइल जा रहल बा.
  • अठाईस सितंबर से बेगूसराय में राज्य महिला खेल महोत्सव के आयोजन होई जवना में राज्य के सगरी जिला के महिला खिलाड़ी हिस्सा लीहें. एह आयोजन में एथेलेटिक्स, कबड्डी, बैडमिंटन,टेबल टेनिस, वॉलीबॉल, बास्केटबॉल आ हॉकी प्रतियोगिता करावल जाई.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: