Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

बिहार के खबर


(अतवार 18 सितम्बर)

  • अतवार साँझआइल भूकंप का दौरान मचल भगदड़ से दरभंगा के वाहिदपुर में एक आदमी मरल. बख्तियारपुर में दिवाल गिरला से एगो औरत दबा के मरल. हरनौत में अइसहीं एगो बच्ची दबा के मर गइल. राज्य भर से गाछ गिरला, बिजली लाइन टूटला, छत गिरला, दिवाल में दरार पड़ला वगैरह के खबर आइल बा.
  • सारण जिला में नया नया बनल एकमा नगर पंचायत के चुनाव अतवार का दिने शांति से करा लिहल गइल जवना में तिरपन फीसदी वोटर वोट डलले. अतवारे के राज्य में कई दोसरो जगहा खाली पड़ल वार्ड मे उपचुनाव करावल गइल, जइसे कि फुलवारी शरीफ, हाजीपुर, बांका, मुरलीगंज, सुपौल, भभुआ, आ डुमरा सीतामढ़ी में.
  • विधान परिषद से बर्खास्त प्रेम कुमार मणि के आरोप बा कि उनुका के सभापति ताराकांत झा असंवैधानिक तरीका से निकलले बाड़े. जबकि जदयू अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के कहना बा कि प्रेम कुमार के पार्टी विरोधी हरकत का चलते निकालल गइल बा.
  • भोजपुर में विशेष अभियान चला के पुलिस एक सौ इकतीस अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • रोहतास का कोचस हाई स्कूल का नियरा एगो आदमी के कुछ अपराधी गोली मार के जान ले लिहले.

%d bloggers like this: