Go to ...
RSS Feed

भूकम्प से काँप उठल उत्तर आ पूरब में भारत


(सोमार 19 सितम्बर)
देश के पूरब आ उत्तर वाला हिस्सा अतवार साँज करीब सवा छह बजे काँप उठल जब सिक्किम के नेपाल से लागत सीमा पर केन्द्रित भूकम्प के तेज झटका लागल. भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पर 6.8 बतावल जात बा जवन बड़हन भूकंप के निशानी होला. एह भूकंप में अबले मिलल खबर का मुतावबिक कम से कम आठ लोग मरल बा. सिक्किम आ पश्चिम बंगाल में तीन-तीन लोग अउर बिहार में दू लोग. करीब 100 आदमी के घाहिल होखे के खबर बा. अबहीं चूंकि कई जगहा बिजली नइखे आ फोन भा मोबाइल से संपर्क नइखे हो पावत एहसे जानमाल के नुकसान के आँकड़ा बढ़ सकेला.

भूकम्प अतना जोरदार रहल कि करीब पूरा उत्तर भारत काँप गइल. दूर दराज तक लोग एह भूकंप से थर्रा उठल. छपरा बलिया देवरिया आरा हर जगहा भूकंप के झटका महसूस कइल गइल. भूकंप से करीब पन्द्रह से पचीस सेकण्ड ले धरती काँपत रह गइल. नेपालो से पाँच आदमी के मरे के खबर बा. बांग्लादेश से अबहीं केहू के मुअला के खबर नइखे मिलल. झटका दू बेर आइल. हर जगहा लोग घर से बाहर निकल भागल. कुछ लोग के जान एह भगदड़ो से जाये के खबर बा.

भूकम्प के खबर मिलते प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह तुरते राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन प्राधिकरण के बइठल बोलवले आ वायु सेना बिना देरी कइले अपना पांच गो मालवाहक जहाजन के राहत सामग्री आ बचाव कर्मियन का साथ पश्चिम बंगाल अउर सिक्किम रवाना कर दिहलसि. प्रधानमंत्री सिक्किम के मुख्यमंत्री पवन कुमार चामलिंग से बातो कइले आ हर सहायता देबे के भरोसा दिहले.

सिक्किम के गंगटोक के बाहरी इलाका में जमीन धँसला का चलते एगो आदमी अपना गाड़ी समेत ओह में दबा के मर गइल.जगहे जगह जमीन धँसला से आवाजाही रुक गइल बा.

नेपाल में ब्रिटिश दूतावास के एगो दिवाल गिर गइल जवना से दबा के एगो कार में सवार तीन लोग मर गइल. ओहिजे बगल में भारत के दूतावास बा बाकिर ओकरा कवनो नुकसान नइखै चहुँपल. नेपाल के संचार व्यवस्था छिन्न भिन्न हो गइल बा. नेपाल में नाहियो त पाँच लोग मरल बा.

भारत में भूकम्प के झटका दिल्ली, उत्तर प्रदेश, उत्तराखण्ड, झारखण्ड, बिहार, पश्चिम बंगाल, असम आ मिजोरम में लागल जवना से दहशत हो गइल. पश्चिम बंगाल के सिलिगुड़ी आ जलपाईगुड़ी में तीन लोग के मौत हो गइल बा आ नाहियो त पचासन लोग घाहिल हो गइल बा.


(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस आ स्वतंत्र स्रोत)

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: