Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

बिहार के खबर


(सोमार 19 सितम्बर)

  • दिन भर अफवाह उड़त रह गइल कि झारखंड में एगो सड़क दुर्घटना में भोजपुरी अभिनेता आ लोकगायक पवन सिंह के मौत हो गइल बा. खबर एकदमे गलत रहे.
  • मोदी के उपास पर नीतीश कुमार एह मामिला पर आपन चुप्पी ना तूड़ले. जदयू के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के जब भाजपा अपना तरफ से प्रधानमंत्री के उम्मीदवार बनाई तबहिये कुछ कहल जाई. बिहार के कुछ भाजपा मंत्री आ प्रदेश अध्यक्ष अहमदाबाद जा के मोदी के समर्थन कइले.
  • नवादा जिले में 20 हजार रुपिया के नकली नोट का साथ तीन जने के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • बेगूसराय जिला के नीमाचंदपुरा थाना इलाका में एगो महिला से बलात्कार करे के आरोपी ले कुछ लोग छूड़ा घोंप के मार डालल.
  • छपरा के ब्रह्मपुर पुल का लगे गलत तरीका से लगावल बैरियर के चपेट में आके एगो टेम्पो पलट गइल जवना से आधा दर्जन सवारी घाहिल हो गइले.
  • सिवान जिला के भगवानपुर हाट में एगो मुखिया सोमार का दिने अपना समर्थकन का साथ जन वितरण प्रणाली के एगो डीलर आ ओकरा पूरा परिवार के पीट के घवाहिल कर दिहलसि. कहल जात बा कि डीलर रंगदारी ना दिहलसि त ओकर पिटाई कर दिहल गइल.
  • छपरा के नबीगंज मुहल्ले से अपहरण के मामिला में आरोपी संतोष कुमार आ ललन सिंह के गिरफ्तार कर लिहल गइल. एहग लोग पर 13 सितम्बर के हीरा लाल महतो के बेटा आदित्य कुमार के अपहरण के आरोप बा.
  • हफ्ता भर पहिले गोपालगंज के जैतपुरा गांव में अपना मामा के घरे आइल एगो लड़िकि का साथे दुष्कर्म करे के आरोपी परमात्मा यादव अदालत में समर्पण कर दिहले बा.
  • सोमार सबेरे मुगलसराय-गया रेल खंड पर भभुआ रोड रेलवे स्टेशन का लगे बरेज गांव का नियरा एगो 20 साल के लड़िका ट्रेन से कट के मर गइल. ऊ औरंगाबाद जिला के ओबरा थाना के नेवरास गांव के बतावल जात बा.
  • बेतिया के किसुनबाग चौक का लगे सोमार का दिने कालीबाग गड़वान टोला के मेराज के कुछ लोग गोली मार के जान ले लिहल. मेराज कुछ दिन पहिले जेल से छूट के आइल रहुवे. पुलिस मामिला के तहकीकात में लागल बिया.

%d bloggers like this: