web analytics

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल 20 सितम्बर)
देश

  • अगिला साल से देश भर में गर्भवती महिला आ तीस साल से अधिका उमिर के हर आदमी के मुफ्त में मधुमेह, रक्तचाप आ कैंसर के जाँच कइल जाई. अबही ई सुविधा देश के सौ जिला में चलत बा.
  • ओडिशा उच्च न्यायालय एगो विवाह समारोह में युवती का साथे दुर्व्यवहार करे वाला युवक के एह शर्त पर जमानत दिहलसि कि ऊ मंदिर में तीन महीना ले भक्तन के जूता पालिश करी.
  • पश्चिम बंगाल के नदिया जिले के दू गो गांव से बिटोरल पोल्ट्री नमूना में बर्ड फ्लू के प्रमाण मिलल बा.
  • मंगल का दिने कर्नाटक में लोकायुक्त पुलिस येदियुरप्पा के रिश्तेदारन का घर आ दफ्तरन पर छापा मरलसि. एहमें उनुकर बेटा आ दामाद के घर शामिल रहल,
  • अतवार के आइल भयंकर भूकम्प से प्रभावित इलाकन में राहत कार्य में तेजी ले आवल गइल बा. एह भूकंप से मरे वालन के गिनिती 68 हो गइल बा. एहमें सिक्किम में 50 लोग, पश्चिम बंगाल में 12 लोग आ बिहार में छह लोग के मौत शामिल बा. जइसे जइसे खबर जुटत बा गिनिती अउरीबढ़े के अनेसा बा.
  • लोकपाल समिति में दलितन आ अल्पसंख्यकन के शामिल करे के माँग देश के कन्फेडरेशन ऑफ एससी/एससी ऑर्गनाइजेशंस कइले बा.
  • सीबीआई सुब्रह्मण्यम स्वामी के याचिका के विरोध करत अदालत से कहलसि कि चिदम्बरम के 2जी मामिला में मत घसीटल जाव.
  • उड़ीसा में बाढ़ राहत खातिर अमेरिका आपात राहत में 50000 डॉलर के शुरुआती सहायता के घोषणा कइलसि.
  • सिक्किम में भूकम्प राहत खातिर दलाई लामा 5 लाख रुपिया दिहले.
  • केंद्रीय ऊर्जा मंत्री सुशील कुमार शिंदे अमेरिकी कारोबारियन के देश के बिजली क्षेत्र में निवेश करे के नेवता दिहले.
  • बीएमसी कर्मचारियन के हड़ताल मुख्यमंत्री का आश्वासन पर टूट गइल.
  • पश्चिम बंगाल के पश्चिमी मिदनापुर जिला में एगो तृणमूल नेता के नक्सली हत्या कर दिहले.
  • बाबा रामदेव कहले कि उनुका राजनीतिक दलन से चरित्र प्रमाणपत्र लिहला के जरूरत नइखे. काल्हु ऊ झाँसी से अपना भारत स्वाभिमान यात्रा के दुसरका चरण के शुरुआत कइलन.
  • ममता बनर्जी के कहना बा कि माकपा कार्यकर्ता आपन रायफल नक्सलियन के दे दिहले बाड़न जवना से ऊ राज्य में हत्या करत बाड़े.
  • इंदौर के पास व्यासखेड़ी में तीन दिन से इलाका के जमीन धंसल जात बा जवना से गाँव वालन में दहशत समाइल बा.
  • उद्धव ठाकरे अपना चचेरा भाई राज ठाकरे के गद्दार आ नमकहराम कहलन. दुनु भाईयन में राजनीतिक रस्साकस्सी के ई सबले गिरल मुकाम कहल जा सकेला.
  • सुषमा स्वराज अपना बात पर अड़ली कि ऊ उहे कहली जवन महबूबा मुफ्ती कहले रही. महबूबा के कहना बा कि उनुका बात के संदर्भ से काट के गलत तरीका से पेश कइल गइल बा.
  • कर्नाटक लोकायुक्त के इस्तीफा मंजूर कर के नया लोकायुक्त के तलाश शुरू कर दिहल गइल.
  • सर्वोच्च न्यायालय हसन अली के जमानत पर फैसला 29 सितम्बर के सुनाई.
  • दारुल उलूम मोदी के उपास के ‘ड्रामा’ बतवलसि. कहलसि कि जवन मुसलमान ओहमें शामिल भइले उनुकर ईमान ना रह गइल.

दुनिया के खबर

  • भारत मंगल का दिने अफगानिस्तान के राष्ट्रपति रहल बुरहानुद्दीन रब्बानी के हत्या के कड़ेर आवाज में निंदा कइलसि एह हत्या खातिर ‘आतंक अउर घृणा के ताकतन’ के जिम्मेदार ठहरवलसि. रब्बानी के मंगल का साँझ उनुका घर में आत्मघाती बम विस्फोट से हत्या कर दिहल गइल.
  • लीबिया में सत्ता से बेदखल गद्दाफी विद्रोहियन के धमकवले बाड़न कि नाटो के सुरक्षा ओह लोग के हमेशा नइखे मिले वाला.
  • पाकिस्तान में 29 शिया तीर्थयात्रियन के गोली मारके हत्या कर दिहल गइल.
  • पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर के प्रधानमंत्री रहल सुल्तान महमूद चौधरी से बतियावे में काश्मीर के अलगाववादी नेता सैयद अली शाह गिलानी कवनो विरोध ना रहल बाकिर भारत सरकार का तरफ से नियुक्त वार्ताकार राधा कुमार से बतियावे पर बा.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा देश के धनी वर्ग से 15 खरब डॉलर के राशि वसूले के प्रस्ताव कइले बाड़न.
  • पाकिस्तान में लाहौर उच्च न्यायालय गूगल भा दोसरा सर्च इंजनन पर प्रतिबंध लगावे से मना कइले बा. बाकिर धार्मिक घृणा फैलावे वाली वेबसाइटन के बंद करे के आदेशो दिहलसि.
  • संयुक्त राष्ट्र लीबिया में विशेष प्रतिनिधि नियुक्त कइलसि,.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • जापान के वाहन निर्माता कम्पनी निसान के भारतीय इकाई मंगल का दिने आपन नया कार मॉडल सन्नी के बाजार में उतरलसि.
  • वोक्सवैगन समूह के कंपनी स्कोडा आपन महँग कार वाला मॉडल लाउरा आरएस बाजार में उतार दिहलसि.
  • प्याज के निर्यात पर से रोक हटला का बाद नासिक के थोक प्याज मंडी बुध से खुल जाई. मंडी पिछला 13 दिन से बंद रहल.
  • योजना आयोग के तय कइल गरीबी के परिभाषा अरुणा राय खफा बाड़ी.
  • दक्षिणी अफ्रीका के देश बोत्सवाना में रेल विकास करे में सहयोग खातिर भारत प्रस्ताव दिहलसि.
  • मंगल का दिने शेयर बाजार में तेजी रहल आ सेंसेक्स 354 अंक ऊपर बंद भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड अभिनेता रणबीर कपूर अउर निर्देशक इम्तियाज अली अपना आवे वाली फिल्म ‘रॉकस्टार’ के सफलता माँगे हजरत निजामुद्दीन के दरगाह चहुंपले.
  • तेरहवाँ मुम्बई फिल्म महोत्सव में गुलजार को लाइफटाइम एचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल जाई.
  • अभिनेता आ फिल्मकार पंकज कपूर वायु सेना के पायलट बनल चाहत रहले. ना बन पवले त पायलटन का जिनिगी पर फिलिमे बना लिहले. ‘मौसम’ के कहानी लड़ाकू विमान के पायलटन पर बा.
  • दीवाली पर रिलीज होई अभिनेत्री हेमा मालिनी के फिल्म ‘टेल मी ओ खुदा’. ओही समय बॉलीवुड बादशाह शाहरुख खान के फिल्म ‘रा.वन’ रिलीज होखे वाला बा.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग के क्वालीफायर मुकाबिला में इंगलैण्ड के समरसेट काउंटी क्लब न्यूजीलैंड के ऑकलैंड एशेज टिम के 4 विकेट से हरा दिहलसि.
  • कोलकाता में होखे वाला फुटबाल प्लेयर्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया के पुरस्कार समारोह के तिसरका संस्करण में बॉलीवुड के सितारा आ मशहूर खिलाड़ी शामिल होइहें.
  • मुश्फिकुर रहीम बनले बांग्लादेश क्रिकेट टीम के नयका कप्तान.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के कोच टिम नील्सन एशेज में इंगलैण्ड से मिलल हार के जिम्मेदारी लेत इस्तीफा दे दिहलन.
  • चैम्पियंस लीग के क्वालीफायर मैच में त्रिनिदाद अउर टोबैगो के टीम लीसेस्टरशायर के 51 रन से हरा के मुख्य दौर में चल आइल.
  • कोलम्बो टेस्ट के मुकाबला बेनतीजा रहल आ तीन मैचन के एह श्रृंखला पर आस्ट्रेलिया 1-0 से कब्जा कर लिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: