(बुध 21 सितम्बर)
देश
- पंजाब में 12 दिन के एगो नवजात लड़िका के हृदय के छह घंटा ले सर्जरी कर के डाक्टर ओकरा के नया जीवन दिहले.
- वित्त मंत्रालय से प्रधानमंत्री के भेजल चिट्ठी में कहल गइल रहे कि अगर तबके केंद्रीय वित्त मंत्री अपना ‘रुख पर अड़ जइतन’ त 2008 में स्पेक्ट्रम के नीलामी हो सकत रहुवे बाकिर चिद्मबर अइसन ना कइले. एह खुलासा का बाद चिदंबरम सवालन का घेरा में आ गइल बाड़े.
- शहर में रोजाना बत्तीस रुपिया आ देहात में छब्बीस रुपिया से बेसी कमाये वाला के योजना आयोग गरीबी रेखा का उपर मानत आपन हलफनामा अदालत में पेश कइले बा जवना का बाद से एह पर खूब विरोध हो रहल बा. भाजपा एकरा के गरीबन के अपमान बतवले बिया.
- भाजपा नेता अरुण कहले कि नेता लोग के अटल बिहारी वाजपेयी से प्रेरणा लेबे के चाहीं आ ओही तरह से जनता से जुड़े के चाहीं. कहलन कि नेता के चुनाव वंशवाद से ना बलुक प्रतिभा आ काबिलियत से होखे के चाहीं.
- मप्र सरकार सिक्किम के भूकम्प पीड़ितन ला 5 करोड़ रुपिया के सहायता के एलान कइलसि.
- आडवाणी यात्रा पर निकलीहें बाकिर प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवारी पर आपन दावा छोड़के. काल्हु संघ प्रमुख मोहन भागवत से भेंट कइला का बाद आडवाणी कहलन कि ऊ अगिला चुनाव में प्रधानमंत्री के उम्मीदवार ना रहीहें. उनुका रथ यात्रा के संघ से आशीर्वाद मिल गइल बा.
- दिल्ली पुलिस में 4568 सिपाही बहाल कइल गइल. अब दिल्ली में सुरक्षा बल के जवानन के संख्या बढ़के 83,700 हो गइल बा.
- सिक्किम में अतवार के भूकंप से मरेवालन के गिनिती 68 हो गइल, राहत कार्य अबहीं जारी बा.
- दिल्ली मेट्रो मार्ग पर हवाई अड्डा का नियरा दू गो टिसन बनावल जाई.
- मनीष तिवारी अपना कहला के लिखित माफी माँग लिहले. एकरा बाद अन्ना हजारे एह प्रसंग के बंद कर देबे के कहले बाड़न.
- झारखण्ड के एगो अदालत जूता कम्पनी श्रीलेदर के मालिक आशीष डे के हत्या का मामिला में बुध का दिने तीन गो दोषियन के उमिर कैद के सजा सुनवलसि.
- बाबा रामदेव के कहना बा कि देश के दू फीसदी आबादी में आवे वाला बुद्धिजीवि आ पूँजीपति देश के कबाड़ा कर के राखि दिहले बाड़े.
- चिदम्बरम कहले बाड़न कि नक्सली भले आपन हथियार मत छोड़सु बाकिर बात करे से पहिले हिंसा त बन्द करसु.
- प्रधानमंत्री न्यूयॉर्क रवाना भइले जहवाँ ऊ मंदी, आतंकवाद पर खास कर के चर्चा करीहे.
- सर्वोच्च न्यायालय वरिष्ठ अधिवक्ता राजू रामचंद्रन के पाकिस्तानी आतंकवादी अजमल आमिर कसाब के बचाव करे खातिर एमिकस क्यूरे नियुक्त कइले बा.
दुनिया के खबर
- नेपाल के उपप्रधानमंत्री ओहिजा के संसद में कहले कि ऊ प्रार्थना करीहें कि अगिला भूकंप अमेरिका आ दोसरा पश्चिमी देशन में आवे. एह बयान का बाद सभे सन्न रह गइल बा.
- पाकिस्तान में भठियरपन विरोधी आंदोलन शुरू करे के तइयारी करत एगो शिष्टमंडल बुध का दिने अन्ना हजारे से उनुका गांव रालेगण सिद्धि में भेंट कर के सलाह मशविरा कइलसि.
- अमेरिका कहले बा कि अफगानिस्तान में हमला कर के पाकिस्तान भागे वाला आतंकियन के ओहिजा पनाह ना लेबे दिहल जाई.
- लीबियाके राष्ट्रीय अंतरिम परिषद के कहना बा कि विद्रोही लीबिया में मुअम्मार गद्दाफी के समर्थकों के गढ़ पर काबिज हो गइल बाड़े.
- पाकिस्तान में अपना बच्चा के पोलियो खुराक पिलावे से मना कइला पर दू जने के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा दुनिया के उभरत लोकतांत्रिक देशन से भारत का तरहा पारदर्शी बने के कहले बाड़न. कहलन कि भारत के गाँवो के आवाज अब सूचना प्रौद्योगिकी के नयका तकनीक का सहारे उपर ले सुनल जा वजल बा.
व्यापार व्यवसाय के खबर
- अगर माँग आ आपूर्ति के अंतर कम ना भइल त अगिला पाँचसाला योजना में देश में घरेलू स्रोत से मिले वाला कोयला से 20 करोड़ टन से बेसी के कमी रह सकेला.
- केन्द्र सरकार कहलसि कि प्याज निर्यात रोके के फैसला घबराहट में ना लिहल गइल रहे. ऊ त घरेलू उपभोक्ता के हित में लिहल गइल रहे.
- बुध का दिने शेयर बाजार में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 34 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
मनोरंजन का दुनिया से
- वास्तविक जिनिगी में दूरी बढ़ गइला का बादो अभिनेता रणबीर कपूर आ अभिनेत्री दीपिका पादुकोण फिल्मकार करन जौहर के नईकी फिल्म ‘ये जवानी है दीवानी’ में परदा पर एक दोसरा से रोमांस करत लउकीहें.
खेल के खबर
- चैम्पियंस लीग क्वालीफायर राउण्ड का बाद समरसेट, नाइट राइडर्स आ त्रिनिदाद अउर टोबैगो टीम मुख्य दौड़ में आ गइली सँ.
- भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सौरव गांगुली के कहना बा कि चयनकरेवाला सीनियर खिलाड़ियन के संन्यास लेबे ला मजबूर मत करसु.
- भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड अपना अंडर-19 टीम के कप्तान अंकित बावने के टीम से बाहर कर दिहलसि काहे कि उनुकर उमिर बेसी हो गइल बा.
- जापान ओपन बैडमिंटन में भारतीय महिला बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल, ज्वाला गुट्टा-वी.दीजू के मिश्रित युगल जोड़ी, गुट्टा-अश्विनी पोनप्पा की युगल जोड़ी, अजय जयराम आ पारुपल्ली कश्यप दुसरका दौर में आ गइले.
272 total views, 2 views today