उत्तर प्रदेश के खबर
September 23, 2011
(शुक 23 सितम्बर))
- मेरठ शहर में कुछ अज्ञात हथियारबंद बदमाश आजु शुक का दिने बसपा नेता आ जिला पंचायत सदस्य के दिनदहाड़े गोली मारके हत्या कर दिहले सँ.
- आईआईटी कानपुर के एगो छात्र अपना छात्रावास का कमरा में खुदखुशी कर लिहलसि. पुलिस के शक बा कि प्रेम सम्बंध में असफल रहला का चलते अइसन कइलसि.
- मेरठ जिला में कार लूटके भागत अपराधियन से पुलिस मुठभेड़ में एगो अपराधी मरा गइल आ एगो के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- सीतापुर जिला में बियफे का दिने एगो औरत समेत तीन जने के लाश मिलल बा. पुलिस के कहना बा कि तीनो के हत्या भइल बा.