देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक 23 सितम्बर)
देश

  • आजु शुक का का दिने मध्य प्रदेश में छात्र संघ चुनाव का दौरान कई जगहा हंगामा भइल. कहीं कहीं पुलिस के दखल देबे के पड़ल.
  • आईआईएम-कलकत्ता अपना विद्यार्थियन खातिर सुविधा विस्तार करे का मकसद से उद्योग जगत से सहायता लेबे के तइयारी करत बा.
  • कारपोरेट मामिलन के मंत्री एम. वीरप्पा मोइली आजु विपक्ष पर एहसे बरस पड़लन कि ऊ लोग गृह मंत्री पी. चिदम्बरम के इस्तीफा मांगत बा. कहलन कि अइसहीं इस्तीफा दिहल जात रहल त देश में ‘राजनीतिक अस्थिरता’ आ जाई.
  • टीम अन्ना हजारे आजु शुक से दिल्ली के सरकारी दफ्तरन में घूम घूम के कर्मचारियन के घूस ना लेबे खातिर प्रेरित करे वाला अभियान शुरू कइले.
  • हिमाचल प्रदेश में छह बेर से कांग्रेस के विधायक रहल प्रेम सिंह के आजु शुक का दिने दिल के दौरा पड़ला से निधन हो गइल. ऊ 63 बरीस के रहले.
  • झारखण्ड में शुक का दिने नक्सलियन के दू गुट का बीच आपसी झगड़ा में एगो नक्सली मरा गइल आ दू गो घाहिल हो गइले.
  • सर्वोच्च न्यायालय आजु 2008 के मालेगांव विस्फोट मामिला के मुख्य आरोपी साध्वी प्रज्ञा ठाकुर के जमानत याचिका खारिज कर दिहलसि.
  • भोपाल स्थित मौलाना आजाद राष्ट्रीय प्रौद्योगिकी संस्थान के छात्र विनोद सोनी फांसी लगाके जान दे दिहलसि. बतावल जात बा कि ऊ डिप्रेशन से ग्रस्त रहुवे.
  • शनिचर आ अतवार का दिने तेलंगाना इलाका में 200 से अधिका रेलगाड़ियन के रद्द कर दिहल जाई काहे कि काल्हु से रेल रोको आंदोलन शुरू होखे वाला बा.
  • 2जी स्पेक्ट्रम मामिला का सुनवाई में जब सरकारी वकील कहलन कि सीबीआई जांच के निगरानी करे में सर्वोच्चो न्यायालय खातिर एगो ‘लक्ष्मण रेखा’ तय बा त शीर्ष अदालत पलटवार करत कहलसि कि ई रेखा अइसन नइखे जवना के लाँघल ना जा सके. रावणो के वध खातिर ई रेखा लाँघल गइल रहल.
  • तेलंगाना के हड़ताली कर्मचारियन के हड़ताल के वेतन ना मिली.
  • शिव सेना काल्हु बियफे का दिने कहलसि कि अन्ना हजारे पाकिस्तान मत जासु.
  • सिक्किम भूकम्प में मरे वालन के गिनिती 78 हो गइल. केंद्र सरकार 50 करोड़ रुपिया के सहायता के एलान कइले बिया. बिहारो सरकार पाँच करोड़ रुपिया दी.
  • 2जी मामला में चिदम्बरमो सना गइल लागत बाड़े बाकिर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के कहना बा कि चिदम्बरम का ईमानदारी पर उनुका तनिको शक नइखे. काल्हु बियफे का दिने चिदम्बरम प्रधानमंत्री आ प्रणव मुखर्जी से फोन पर बतियवला का बाद कहलन कि जब ले ऊ लोग देश वापिस नइखे लवटति तबले चिदम्बरम मुँह ना खोलीहें. एह मामिला में सनइला का बाद चिदम्बरम से इस्तीफा मँगले बाड़ी जयललिता. भाजपा के कहना बा कि कांग्रेस में गृह युद्ध जइसन हालात बनि गइल बा. काहे कि चिदम्बरम का खिलाफ टिप्पणी वित्त मंत्रालय से प्रधानमंत्री के भेजल गइल रहे. ओने डीएमके कहना बा कि ए॰राजा ठीके कहत रहलन कि सब कुछ चिदम्बरम का मंजूरी का बाद भइल रहे. माकपा चिदंबरम के भूमिका के जाँच करावे के माँग कइले बा त भाजपा चिदम्बरम के इस्तीफा के.
  • आईआईएम -बेंगलुरू के छात्रा के खुदकुशी का बाद पुलिस ओकरा ओह प्रेमी के खोजत बिया जे फेसबुक पर अपना प्रोफाइल में ओकरा से रिश्ता तूड़ लेबे के एलान कइले रहुवे जवना चलते ऊ लड़िकी फाँसी लगा लिहलसि.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के तनिको गलत नइखे लागत कि ऊ पाक का कब्जा वाला कश्मीर के प्रधानमंत्री रहल सुल्तान महमूद चौधरी के हेलीकॉप्टर से काहे घूमवले.
  • शनिचर ले मानसून खतम हो जाई. तबहियो कुछ जगहा छिटपुट बरखा हो सकेला.
  • तमिलनाडु चाहत बा कि कुडनकुलम परियोजना पर काम रोक दिहल जाव.
  • आपरेशन का बाद स्वस्थ होत सोनिया गाँधी पार्टी नेता लोग से मिलल शुरू कर दिहले बाड़ी.
  • पुणे से महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना के विधायक रमेश वांजले के विधवा कांग्रेस पार्टी छोड़के राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी में शामिल हो गइली. ऊ राकांपा का तरफ से चुनाव लड़ीहें.

दुनिया के खबर

  • फिलीस्तीन के स्वतंत्र राष्ट्र बनावे खातिर रूस समर्थन के बाति कहलसि. अमेरिका एह पर वीटो करे के बात कइले बा. भारत फिलीस्तीन के समर्थन में बा.
  • तीस सितम्बर से स्विट्जरलैंड आ आस्ट्रेलिया का दौरा पर जइहें राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील.
  • लीबिया के प्रधानमंत्री रहल बगदादी अल मोहम्मदी के ट्यूनीशिया में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • करिया धन पर विशेष जाँच दल बनावे का बारे में सर्वोच्च न्यायालय में एकराय नइखे.
  • काल्हु बेसम्हार गिरल शेयर बाजार आजु शुको का दिने गिरावटे का साथ बंद भइल. काल्हु एके दिन में सात सौ अंक से बेसी के गिरावट आइल रहे.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ‘धूम 3’ में हीरोइन के खोज पूरा हो गइल बा आ कैटरीना कैफ के चुन लिहल गइल बा. एह फिल्म में आमिर खान मुख्य भूमिका में बाड़े.
  • भारत-पाकिस्तान के रगड़ा झगड़ा से कलाकारन के कवनो वास्ता नइखे, कहले गजल गायक गुलाम अली.
  • अभिनेता टॉम हार्डी के कहना बा कि ऊ झूठ बोले में माहि हउवें आ चालाकी आ धोखेबाजी से आपन काम निकाल लिहला का चलते आजु बढ़िया अभिनेता गिनाले.
  • मलाइका के पति अभिनेता जायद खान दूसरका बेर बाप बनल बाड़े. उनुकर आपन बनावल पहिलका फिल्म ‘लव ब्रेकअप्स जिंदगी’ के रिलीज होखे से कुछ दिन पहिलही उनुका घर में बधाई बाज गइल बा.
  • लमहर इंतजार का बाद अभिनेता प्रतीक बब्बर के एगो फिल्म में मुख्य भूमिका मिलल बा. उनुका फिल्म के नाम ‘एक दीवाना था’ हवे.

खेल के खबर

  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल मंसूर अली खान पटौदी के आजु शुका का दिने उनुका गाँव पटौदी में सुपुर्द-ए-खाक कर दिहल गइल. पिछला डेढ़ महीना से साँस का तकलीफ से परेशान नवाब पटौदी दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में भरती रहलन जहाँ सत्तर बरीस का उमिर में काल्हु बियफे का दिने उनुकर निधन हो गइल. पटौदी चालीस गो मैच में भारत के कप्तानी कइले रहले.
  • काल्हु शनिचर का दिने चैम्पियंस लीग में केप कोबराज आ न्यू साउथ वेल्स का बीचे रोमांचक भिड़ंत होखी.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के सलामी बल्लेबाज रहल ज्यौफ मार्श श्रीलंका क्रिकेट टीम के कोच बहाल भइल बाड़े.
  • भारत के माथ महिला एकल बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल जापान ओपन में आपन शानदार प्रदर्शन जारी रखले बाड़ी.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के हरफनमौला खिलाड़ी डोमिनिक कोर्क पेशेवर क्रिकेट से सन्यास ले लिहले.
  • चैम्पियंस लीग के उद्घाटन मुकाबिला आजु शुक का साँझ रॉयल चैलेंजर्स आ वॉरियर्स का बीच खेलल जाई.
  • एशिया कप (अंडर-18)का हॉकी मुकाबला में बियफे का दिने भारत मलेशिया के 4-1 से हरा दिहलसि.
  • मुम्बई इंडियंस के चैम्पियंस लीग में 5 गो विदेशी खिलाड़ियन का साथ खेले के अनुमति मिल गइल. सचिन तेंदुलकर समेत ओकर आठ गो खिलाड़ी घवाहिल हो के खेले लायक नइखन रहि गइल.