(सोमार 26 सितम्बर)
- मायावती सरकार पर भाजपा 3,000 हजार करोड़ रुपये के विद्युत विक्रय घोटाला के आरोप लगावत लोकायुक्त से मामिला के जांच करे के मांग कइलसि.
- चंदौली जिला में सोमार का दिने आरटीओ के सिपाही घूस ना देबे वाला एगो ट्रक ड्राइवर के पीट के मुआ दिहले. पुलिस परिवहन विभाग के चार कर्मचारियन का खिलाफ गैर इरादतन हत्या के मामिला दर्ज कर लिहले बिया.
- इलाहाबाद जिला के एगो सरकारी स्कूल के प्रधानाचार्य के बीमार बच्चियन के कपड़ा उतरवावे का आरोप में पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. प्रधानाचार्य के निलम्बित कर दिहल गइल बा.
- गोरखपुर के गोरखनाथ मंदिर परिसर में अतवार रात पटाखा से भइल विस्फोट का बाद सांसद योगी आदित्यनाथ मंदिर के सुरक्षा व्यवस्था पर सवाल उठवले बाड़न.
- कहावत ह कि शनि एगारह मंगल तीन, रवि के बरखा आठो दिन. शनिचर से शुरु बरखा पूर्वांचल में आफत मचा के रख दिहले बिया. अबहियो कुछ दिन ले बरखा होखे के अनेसा बा. काल्हु जगहे जगहे रेल पटरी पर पानी भर गइला का चलते मुगलसराय बनारस से गुजरे वाली ट्रेन घंटनो लेट चलत बाड़ी सँ.
- इंसेफलाइटिस, भठियरपन आ विकास के मुद्दा ले के आजु गोरखपुर में भाजपा आ कई गो दोसर संगठन गोरखपुर बंद के गोहार लगवले रहले जवना चलते आजु गोरखपुर में बंद के पूरा असर देखल गइल. बाकिर कतहीं से कवनो अप्रिय घटना घटे के समाचार नइखे. शहर में सांसद योगी आदित्यनाथ का नेतृत्व में एगो जुलूसो निकालल गइल.
- बसपा से विधायकन के निकाले के सिलसिला आजुओ चालू रहल. आजु मेरठ से बसपा विधायक हाजी याकूब कुरैशी के निलंबित कर दिहल गइल. पार्टी अगिला चुनाव में नया चेहरा ले आवे खातिर ई सब कर रहल बिया.
- एकात्म मानववाद के प्रवर्तक पंडित दीनदयाल उपाध्याय के जयन्ती काल्हु प्रदेश में कई जगहा मनावल गइल.