web analytics

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध 28 सितम्बर)

  • बांदा जनपद के पल्हरी गांव में अनुसूचित जाति के एगो आठ साल के लड़िकी से यौन दुष्कर्म होखला के पुष्टि मेडिकल रिपोर्ट से हो गइल बा.
  • मुजफ्फरनगर जिला में बुध का दिने एगो तेज रफ्तार इनोवा सड़क पर खड़ा एगो ट्रक से जा टकराइल जवना चलते ओह पर सवार पाँच गो पर्यटकन के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले.
  • मथुरा जिला में कुछ अज्ञात हथियारबंद आदमी दू गो पुलिस वालन के गोली मार के हत्या कर दिहले आ ओह लोग के रायफल ले के फरार हो गइलन.
  • प्रदेश में तीन गो नया जिला बनावल गइल बा. मुजफ्फरनगर जिला के शामली तहसील आ कैराना तहसील के मिला के प्रबुद्ध नगर जिला, मुरादाबाद के संभल आ चंदौसी आ बदायूं जिला के गुन्नौर तहसील के मिला के भीमनगर जिला आ गाजियाबाद के हापुड़ के पंचशील नगर जिला बना दिहल गइल बा. अब उत्तर प्रदेश में पचहत्तर गो जिला हो गइल. विपक्ष एकरा के वोट राजनीति बतावत विरोध कइले बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: