Archives for September 2011
(शुक 23 सितम्बर) देश आजु शुक का का दिने मध्य प्रदेश में छात्र संघ चुनाव का दौरान कई जगहा हंगामा भइल. कहीं कहीं पुलिस के दखल देबे के पड़ल. आईआईएम-कलकत्ता अपना विद्यार्थियन खातिर सुविधा विस्तार करे का मकसद से उद्योग जगत से सहायता लेबे के तइयारी करत बा. कारपोरेट मामिलन के मंत्री एम. वीरप्पा मोइली
(बियफे 22 सितम्बर) काल्हु अंजोरिया समूह के सेवा देबे वाला वेबहास्ट कंपनी का चलते दिन भर साइट ना चल सकल. आजु सबेरे देर से साइट दुबारा चालू भइल बाड़ी सँ एह चलते काल्हु बुध के खबर बहुते कम दिया पाइल बा. दानापुर में एके परिवार के 5 बेकत के जहर खइला से मौत एसजीपीजीआई में
(बुध 21 सितम्बर) बिहार पुलिस दिल्ली पुलिस का साथे मिल के बिहार के 25 हजार रुपिया के इनामी बदमाश प्रभंजन सिंह के ओकरा दू गो स साथियन संगे दिल्ली से गिरफ्तार कर लिहलसि.
(बुध 21 सितम्बर) कानपुर में बलात्कार में असफल रहला पर एगो लड़िका अपना पड़ोसी लड़िकी के जरा के मुआ दिहलसि.
(बुध 21 सितम्बर) देश पंजाब में 12 दिन के एगो नवजात लड़िका के हृदय के छह घंटा ले सर्जरी कर के डाक्टर ओकरा के नया जीवन दिहले. वित्त मंत्रालय से प्रधानमंत्री के भेजल चिट्ठी में कहल गइल रहे कि अगर तबके केंद्रीय वित्त मंत्री अपना ‘रुख पर अड़ जइतन’ त 2008 में स्पेक्ट्रम के नीलामी
(बुध 21 सितम्बर) इन्टरनेट सर्विस प्रोवाइडर का गड़बड़ी से अँजोरिया के पूरा साइट गड़बड़ हो गइल बा.
(मंगल 20 सितम्बर) अगिला हफ्ता से नीतीश कुमार सेवा यात्रा पर निकलीहें. यात्रा के शुरूआत बेतिया से होई आ हर जिला में मुख्यमंत्री कम से कम दू रात रूकीहें. एह यात्रा का दौरान जनता के लोक सेवा अधिकार कानून आ बिहार खातिर विशेष दर्जा के माँग का बारे में जानकारी दिहल जाई. बिहार के आठ
(मंगल 20 सितम्बर) गाजीपुर के मुहम्मदाबाद आ महराजगंज में आयोजित भाजपा के विजय संकल्प सम्मेलन में भाजपा अध्यक्ष रहल राजनाथ सिंह गरजले कि विधायक कृष्णानंद राय के हत्यारन के सजा मिल के रही. बसपा आ कांग्रेस पर हमला बोलत राजनाथ सिंह कहलन कि अगर विकास चाहीं त भाजपा के जिताईं. राज्य परिवहन निगम अपना बेड़ा
(मंगल 20 सितम्बर) देश अगिला साल से देश भर में गर्भवती महिला आ तीस साल से अधिका उमिर के हर आदमी के मुफ्त में मधुमेह, रक्तचाप आ कैंसर के जाँच कइल जाई. अबही ई सुविधा देश के सौ जिला में चलत बा. ओडिशा उच्च न्यायालय एगो विवाह समारोह में युवती का साथे दुर्व्यवहार करे वाला
(मंगल 20 सितम्बर) आजु जिउतिया व्रत ह जवना में महतारी अपना संतान खातिर दिन भर निराहार निर्जला उपास करीहें आ काल्हु भोरे पारन करीहे. पहिले मुसलमान, फेर गरीब सवर्ण आ अब जाट समुदाय के आरक्षण के सिफारिश कइली मायावती. काल्हु दिन भर अफवाह उड़त रह गइल कि झारखंड में एगो सड़क दुर्घटना में भोजपुरी अभिनेता
(सोमार 19 सितम्बर) दिन भर अफवाह उड़त रह गइल कि झारखंड में एगो सड़क दुर्घटना में भोजपुरी अभिनेता आ लोकगायक पवन सिंह के मौत हो गइल बा. खबर एकदमे गलत रहे. मोदी के उपास पर नीतीश कुमार एह मामिला पर आपन चुप्पी ना तूड़ले. जदयू के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के जब भाजपा अपना
(सोमार 19 सितम्बर) आगरा के अस्पताल में भइल विस्फोट के जांच में एगो अइसन महिला पर संदेह हो रहल बा जवन फीस जमा कइला का बावजूद डाक्टर का लगे देखावे ना गइल. सर्वोच्च न्यायालय का निर्देश पर सीबीआई के लखनऊ अपराध शाखा टीम बांदा बलात्कार मामले में पीड़िता लड़िकी के बयान दर्ज कर लिहलसि. टीम
(सोमार 19 सितम्बर) देश विश्व हिंदू परिषद कहले बिया कि श्रीराम जन्मभूमि पर भव्य मंदिर बनावे का राह में आवे वाली न्यायिक बाधा दूर करे खातिर 30 सितम्बर के देशभर में एक साथ सामूहिक हनुमान चालीसा पाठ करावल जाई. आपन उपास तूड़ला का बाद गुजरात मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी कहले कि उनुकर मिशन आगहू जारी रही.
(अतवार 18 सितम्बर) अतवार साँझआइल भूकंप का दौरान मचल भगदड़ से दरभंगा के वाहिदपुर में एक आदमी मरल. बख्तियारपुर में दिवाल गिरला से एगो औरत दबा के मरल. हरनौत में अइसहीं एगो बच्ची दबा के मर गइल. राज्य भर से गाछ गिरला, बिजली लाइन टूटला, छत गिरला, दिवाल में दरार पड़ला वगैरह के खबर आइल
(अतवार 18 सितम्बर) प्रदेश में कई जगहा भूकंप के हलुका झटका महसूस कइल गइल बाकिर कतहीं कवनो जान माल के नुकसान के खबर नइखे. बांदा बलात्कार मामला में आजु सोमार के पीड़िता के बयान दर्ज करावल जा सकेला आ सीबीआई टीम शहबाजपुर गांव जा के घटनास्थल के निरीक्षण कर सकेले. प्रदेश के आतंकवाद निरोधक दस्ता
(अतवार 18 सितम्बर) देश गोवा में अवैध खनन का मामिला में 20 फीसदी खानन के नोटिस भेजल गइल बा. जद-यु नइखे चाहत कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे भाजपा बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल-युनाइटेड गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के उपास से दूरी त बनवलही बा, 2014 के आम चुनाव में उनुका
(सोमार 19 सितम्बर) देश के पूरब आ उत्तर वाला हिस्सा अतवार साँज करीब सवा छह बजे काँप उठल जब सिक्किम के नेपाल से लागत सीमा पर केन्द्रित भूकम्प के तेज झटका लागल. भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पर 6.8 बतावल जात बा जवन बड़हन भूकंप के निशानी होला. एह भूकंप में अबले मिलल खबर का
(अतवार 18 सितम्बर) बलिया में भूकंप के हल्का झटका साँझ ६ बज के १४ मिनट पर महसूस भइल. झटका बहुते हलुका रहल. बतावल जात बा कि भूकंप के केन्द्र सिक्किम में रहुवे आ भूकंप पूरा उत्तर भारत में आइल रहे. आगरा के जय हास्पिटल में बम विस्फोट से छह लोग घाहिल. बसपा के बलिया जिलाध्यक्ष
(शनिचर 17 सितम्बर) हत्या आ लूट का छह गो मामिला में आरोपी उपेन्द्र राय के मढ़ौरा के हरपुरा गाँव से गिरफ्तार कर लिहल गइल. सिवान पुलिस का हिरासत मे मरे वाला युवक खातिर राजद दस लाख रुपिया मुआविजा मँगलसि आ पुलिस वालन पर मुकदमा दर्ज करे के माँग कइलसि. मुजफ्फरपुर मोतिहारी रेलखण्ड पर कपरपूरा टिसन
(शनिचर 17 सितम्बर) प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के चिट्ठी लिख ले मुख्यमंत्री मायावती मुसलमानन ला आरक्षण मँगली. आगरा के ताजमहल से करीब अढ़ाई किलोमीटर दूर सिकंदरा रोड पर एगो निजी अस्पताल जय हास्पिटल में काल्हु साँझ एगो बम फाटल जवना से 6 लोग घवाहिल हो गइल. बम एगो कुर्सी का नीचे राखल रहुवे. पुलिस के कहना
Older Posts››
‹‹Newer Posts