Archives for October 2011
(सोमार, 31 अक्टूबर) अतवार का दिने नहाय खाय का बाद सोमार का दिने श्रद्धापूर्वक खरना कइल गइल. अब मंगल का दिने निर्जल उपवास कर के छठी माई के पूजा कइल जाई, साँझ बेरा डूबत सूरुज के अरघ दिहल जाई आ बुध का सबेरे उदय होखे वाला सुरुज के अरघ दिहला का साथे भोजपुरी इलाका के
(सोमार, 31 अक्टूबर) इलाहाबाद उच्च न्यायालय के आदेश का बावजूद आजु स्थानीय निकायन के चुनाव अधिसूचना जारी ना भइल. प्रदेश सरकार आ जनगणना विभाग न्यायायलय के आदेश पर फेर से विचार करे के गोहार लगवले बाड़े. राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि ऊ तबले चुनाव प्रक्रिया शुरू ना कर सके जबले राज्य सरकार एकर
(सोमार, 31 अक्टूबर) देश देश भर में आजु लौह पुरुष सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयन्ती आ इंदिरा गाँधी के पुण्य तिथि मनावल गइल. केन्द्र सरकार खाद्य सुरक्षा विधेयक के मसौदा फेरु से तइयार करवावत बिया जेहसे कि अधिका उपज भइला पर आम जनता के सस्ता दर पर तीन किलो से बेसी अनाज दिहल जा
(अतवार, 30 अक्टूबर) भोजपुर का परूड़ारामपुर गाँव में एगो घर के दिवाल गिरला से एगो आदमी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलन. राज्य खाद्य निगम से कवनो डीलर के अगर सड़ल खाद्यान्न के आपूर्ति भइल त अधिकारियन पर कार्रवाई होखी, कहलन खाद्य आ उपभोक्ता विभाग के मंत्री श्याम रजक. आ कहलन
(अतवार, 30 अक्टूबर) उप्र के बदहाली खातिर बसपा आ कांग्रेस के जिम्मेदार बतवले भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी. ऊ कुशीनगर में पार्टी के राज्य शाखा के संबोधित करत ई बाति कहलन. राष्ट्रीय माध्यमिक शिक्षा अभियान का तहत राज्य में चार सौ उनचास गो नया माध्यमिक विद्यालय खोलल जाई. एह विद्यालयन खातिर वार्षिक योजना में पाँच सौ
(अतवार, 30 अक्टूबर) देश बेंगलुरू में भाषण देत लालकृष्ण आडवाणी संप्रग पर बरिसलन त बरखा सुने वाला लोग पर. बाकिर भाषण सुने आइल भीड़ बरखा में भींजत भाषण सुनलसि. कांग्रेस के महाबोलता महासचिव दिग्विजय सिंह फेर अतवार का दिने अन्ना पर वाक् प्रहार करत कहलन कि अन्ना के चाहीं कि संसद के सम्मान करसु. दिग्गी
(शुक, 28 अक्टूबर) मुजफ्फरपुर जिला में दस साल से लगभग पचास मामिला के फाइल दबा के रखले तीन गो पुलिस उपाधीक्षक समेत साठ गो अधिकारियन पर नगर थाना में केस दर्ज करावल गइल बा. पुलिस उप महानिरीक्षक के कहना बा कि एह लोग के गिरफ्तारो कइल जा सकेला. पश्चिम चंपारण में उत्तर बिहार ग्रामीण बैंक
(शुक, 28 अक्टूबर) मुख्यमंत्री मायावती प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिख भेजले बाड़ी कि केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश पूर्वाग्रह का चलते कुछ राज्यन पर, जवना में यूपी शामिल बा, आरोप लगवले बाड़न कि ओहिजा मनरेगा के धन के दुरूपयोग होत बा. लिखले बाड़ी कि यूपी सरकार एह मामिला में सचेत बिया आ गड़बड़ी करे वाला
(शुक, 28 अक्टूबर) देश वेबहास्ट का गड़बड़ी से अँजोरिया परिवार के वेबसाइट शुक का देर साँझ तीन चार घंटा ले बाधित रहली सँ. जापान का साथ बेहतर द्विपक्षीय सम्बंध खातिर विदेश मंत्री एस. एम. कृष्णा टोक्यो में रणनीतिक वार्ता करत बाड़े त अगिला हफ्ता रक्षा मंत्री ए.के. एंटनी टोक्यो के यात्रा के तइयारी में बाड़े.
खास खबर (शुक, 28 अक्टूबर) हिंदी साहित्य जगत के जानल-मानल विभूति, राग दरबारी के रचयिता, श्रीलाल शुक्ल के आजु शुक का दिने छियासी साल का उमिर में लमहर बीमारी का बाद लखनऊ के गोमती नगर स्थित सहारा अस्पताल में निधन हो गइल. ज्ञानपीठ पुरस्कार से सम्मानित श्रीलाल शुक्ल के साँस में तकलीफ का चलते 16
(बियफे, 27 अक्टूबर) बेगूसराय के रतनपुर इलाका के एगो बगइचा से सोमार का दिने अगवा सात साल के लड़िका हर्ष कुमार के लाश बुध का साँझ में बरामद भइल. पटना जिला के मनेर इलाका में बियफे का दिने गंगा नहाये गइल एगो बुजुर्ग अपना चार गो पोता-पोती का साथे नदी में डूब गइले. एहो लड़िका
(बियफे, 27 अक्टूबर) देश टीवी कलाकार रॉनित रॉय के कार से दुर्घटना भइला का बाद बियफे का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल. बाद में ऊ बारह हजार का मुचलका पर जमानत पर छूट गइले. रोनित राय के कार से टक्कत का बाद तीन लोग बहुते गम्हीराह घवाहिल बा आ एगौ औरत मुए का कगार पर
(बुध, 26 अक्टूबर) पश्चिम चम्पारण जिला के चनपटिया प्रखंड के स्वास्थ्य उपकेन्द्र प्रभारी डा. मोहम्मद जहीर के लाखों रुपिया के सरकारी दवा आ डीडीटी का साथे मंगल का रात में पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. बिहार में अब आंगनबाड़ी केन्द्र के बागडोर ओहिजे के लोग का हाथ में दे दिहल गइल बा. बिहार सरकार अपना
(बुध, 26 अक्टूबर) केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश मायावती सरकार पर आरोप लगवले बाड़न कि सरकार मनरेगा में घोटाला करे वालन का खिलाफ कवनो कार्यवाही नइखे करत. ऊ मायावती के चिट्ठी भेज के लिखले बाड़न कि अगर यूपी सरकार कुछ छुपावे नइखे चाहत त एह घोटाला के सीबीआई जाँच करवावे. जयराम रमेश खास कर
देश (बुध, 26 अक्टूबर) पूरा देश में दीवाली के धूम मचल बा. हर जगहा सुरक्षा कड़ा कर दिहल गइल बा. छत्तीसगढ़ सरकार भारतीय महिला हॉकी टीम के कप्तान सबा अंजुम के राज्य के सबले बड़का खेल सम्माबन गुंडाधुर खेल सम्मान से नवाजे के घोषणा कइले बिया. (मंगल, 25 अक्टूबर) प्रतिबंधित संगठन उल्फा आ केंद्र सरकार
(मंगल, 25 अक्टूबर) उच्चतम न्यायालय के फैसला अइला का बाद राज्य में चौंतीस हजार पाँच सौ चालीस गो प्रशिक्षित प्रारंभिक शिक्षकन के बहाली के काम शुरू कर दिहल गइल बा. अगिला साल जनवरी से पहिले जिलावार काउन्सलिंग करवावल जाई. बतावल जात बा कि एस सी, एसटी, बीसी वन आ उर्दू के तमाम आवेदकन के बहाली
(मंगल, 25 अक्टूबर) कानपुर शहर में सोमार का दिने चलत टेलीविजन में विस्फोट भइला से टीवी देखत एगो लड़िकी मर गइल आ ओकर माता पिता बहुते घवाहिल हो गइले. मिर्जापुर जिला में राजकीय रेलवे पुलिस एगो आदमी के आठ गो लड़िकन का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि. लड़िकन के मजदूरी करे खातिर राजस्थाना ले जात रहुवे.
(मंगल, 25 अक्टूबर) खास खबर उनइस महीना में तेरहवाँ बेर रिजर्व बैंक ब्याज दर बढ़ा दिहले बा जवना से घर, गाड़ी आ व्यापारिक काम खातिर लिहल करजा अउरी महँग हो जाई. जबकि रिजर्व बैंक के एह फैसला से आम आदमी के परेशानी त बढ़ल जात बा आ महँगाई के रफ्तार जस के तस बा. अन्ना
(अतवार, 23 अक्टूबर) गया में एगो संवाददाता सम्मेलन में राज्य के ग्रामीण कार्य आ पंचायती राज मंत्री भीम सिहं बतवले कि राज्य के हर पंचायत में पंचायत भवन बनवावल जाई. हर पंचायत भवन पर छियासठ लाख रुपिया के खर्च आई. इहो बतवले कि पंचायत सचिवन के करीब अढ़ाई हजार पद खाली पड़ल बा जवना पर
(अतवार, 23 अक्टूबर) राज्य निर्वाचन आयोग के दावा बा कि निकाय चुनाव खातिर ओकर तइयारी पूरा बा बाकिर राज्य सरकार आ जनगणना विभाग के सहयोग का बिना इलाहाबाद उच्च न्यायालय के आदेश मुताबिक नियत समय पर चुनाव करावल संभव नइखे. आयोग के कहना बा कि जनगणना विभाग के काम पूरा भइला का बादे ओकर काम
Older Posts››