देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 4 अक्टूबर)
देश

  • मुंबई में सोमार का दिने भइल ऑटो-रिक्शा हड़ताल का बाद मनसे प्रमुख राज ठाकरे फेर यूपी आ बिहार से आइल लोगन के मुंबई के हर समस्या के जिम्मेदार ठहरवलन. टैक्सी चालक संघ के नेता शरद राव के धमकवले बाड़न कि अगर उनुकर इहे रवैया रहल त उनुकर घर से बहरा निकलल मुश्किल हो जाई.
  • प्रधानमंत्री दिल्ली के अंबेडकर स्मारक के विकास करावे के आदेश जारी कइलन.
  • भारत-अफगानिस्तान का बीच सामरिक करार पर हस्ताक्षर हो गइल. करजई भारत के धन्यवाद दिहले कि पिछला दस साल से अफगानिस्तान के हर संभव मदद कइलसि.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा आ केरल उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश जस्ती चेलामेश्वर के देश के सर्वोच्च न्यायालय में न्यायाधीश नियुक्त कर दिहल गइल.
  • अन्ना हजारे कांग्रेस सरकार के अल्टीमेटम दे दिहले कि अगर शीत सत्र ले लोकपाल बिल पास ना भइल त ऊ चुनाव में कांग्रेस के वोट ना देबे के अपील करीहें आ यूपी चुनाव का बेरा लखनऊ में उपवास परबइठ जइहें. तले तेरह अक्टूबर के हिसार में होखे जा रहल लोकसभा उपचुनाव में कांग्रेस का खिलाफ वोट डाले के कहले बाड़न आ दशहरा बाद आपन आंदोलन शुरु करे के योजना बनवले बाड़े.
  • जनता पार्टी के अध्यक्ष सुब्रमण्यम स्वामी केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम पर हमला जारी राखत फेर कहले कि जेल में बंद केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा का बराबरे दोषी बाड़न.
  • केन्द्र सरकार गुजरात सरकार से कहले बिया कि संजीव भट्ट आ उनुका परिवार के पूरा सुरक्षा दिहल जाव.
  • बेलूर मठ में अष्टमी का दिने हजारों लोग कुमारी पूजा के दर्शन कइल.
  • आईआईटी छात्रन के स्तर का बारे में नारायणमूर्ति के बयान के चारो तरफ से आलोचना होत बा. चेतन भगत त इहाँ ले कह दिहले कि बॉडी शॉप चलावे वाला का मुँह से अइसनबाति शोभा नइखे देत.
  • मध्य प्रदेश के उज्जैन में ओहिजा के कलेक्टर एम. गीता अपना सहयोगियन का साथ चौबीस खम्बा माता के नवरात्र के अष्टमी पर शराब के परंपरागत प्रसाद चढ़वली.
  • कांग्रेस के महासचिव दिग्विजय सिंह ट्विट कइले बाड़न कि ऊ राज्य के राजनीति में लवटे नइखन जात.
  • तेलंगाना मुद्दा पर मंगल के 22वों दिने हड़ताल जारी रहल.
  • गोवा विधानसभा के लोकलेखा समिति के अवैध खनन पर तैयार रपट एगो कांग्रेसी विधायक ले के चल गइल जवना के सदन में पेश करे के रहे.
  • मुम्बई के एगो अदालत मंगल का दिने बॉलीवुड अभिनेता फरदीन खान के साल 2001 में कोकीन खरीदे के कोशिश के दोषी ठहरा दिहलसि. अब फरदीन के छह महीना के सजा हो सकेला.
  • एक साल में महिला डिब्बे में घुसे वाला मरदन से 11 लाख रुपिया वसूललसि दिल्ली मेट्रो रेल कार्पोरेशन.
  • अत्याधुनिक सुविधाअन से लैस रही आडवाणी के ‘रथ’. एहमें लिफ्ट आ दूरसंचार के सगरी सुविधा रही.
  • झारखण्ड में दुर्गा पूजा पर सशस्त्र पुलिस अपना एके47 आ ग्रेनेड के पूजा करेले.
  • लगातार दुसरका दिने भइल हंगामा का बाद जम्मू कश्मीर विधानसभा अनिश्चितकाल ला स्थगित.
  • संजीव भट्ट की गिरफ्तारी के गलत बतवलन अन्ना हजारे. भाजपा कहलसि कि अन्ना के पूरा मामिला बतावले नइखे गइल.
  • वोट खातिर नोट मामिला में भाजपा सांसद अशोल अर्गल के आरोपी बना दिहलसि दिल्ली पुलिस.

दुनिया के खबर

  • रूस यात्रा पर गइल रक्षा मंत्री एकेएंटनी ओहिजा द्वितीय विश्वयुद्ध के शहीदन के श्रद्धांजलि दिहलन.
  • बेरूत में भइल एशियाई जूनियर जूडो में सुशीला देवी के स्वर्ण पदक मिलल. भारत के कुल सात गो पदक मिलल.
  • बराक ओबामा खुद के कमजोर उम्मीदवार मान लिहलन.
  • भौतिकी के क्षेत्र में अमूल्य योगदान खातिर अमेरिका के सॉल पर्लमटर आ एडम रीस आ अमेरिकी मूल के आस्टेलियाई नागरिक ब्रायन श्मिट के साल 2011 के नोबेल पुरस्कार देबे के एलान हो गइल.
  • विदेशी चिकित्सकन के अब ब्रिटेन में भाषा परीक्षा देबे के होई. अंग्रेजी में फेल होखे वाला डाक्टर ओहिजा डाक्टरी ना कर पइहन.
  • पाकिस्तान में मंगल का दिने 12 गो शिया मुसलमानन के हत्या कर दिहल गइल.
  • ओबामा भारतीय मूल के 3 गो वैज्ञानिकन आ अमेरिकी नगारिक डॉक्टर कार्तिक ए श्रीनिवासन, सुमिता पेनाथुर आ हरी श्राफ के राष्ट्रपति पुरस्कार से सम्मानित कइलन.
  • तीन दिन पहिले निधन भइला का बावजूद कनाडा में जनमल कोशिका जीवविज्ञानी राल्फ स्टेनमेन के नोबेल पुरस्कार दिहल जाई. नोबल पुरस्कार जिन्दे लोगन के दिहल जाला बाकिर अबकि दुर्भाग्य से एलान होखे से ती दिन पहिलहीं स्टेनमेन के निधन हो गइल.
  • अमेरिका का टेक्सास में एगो रासायनिक संयंत्र में भयंकर आग लागल बाबाकिर केहु के मरला के खबर नइखे.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मंगल का दिने शेयर बाजार में सेंसेक्स 287 अंक गिरल.
  • पश्चिम बंगाल के विश्व बैंक से 25 करोड़ डॉलर के कर्जा मिली. जवना से राज्य में लघु सिंचाई के काम करावल जाई.
  • वित्तीय सहयोग खातिर भारत-स्विटजरलैंड में समझौता पर दस्तखत हो गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • नृत्य निर्देशक रेमो डिसूजा के मंगल का दिने अस्पताल में भरती करावल गइल. रेमो के डेंगू हो गइल बा.
  • अब हनुमान भक्त लोग अमिताभ के आवाज में हनुमान चालीसा सुन सकेला.
  • शबाना आजमी के एक्शन एड इंडिया के अध्यक्ष बनावल गइल.
  • सुपरस्टार रजनीकांत आ बॉलीवुड बादशाह शाहरुख खान के अब एक साथ ‘रा.वन’ में देखल जाई जवना खातिर रजनीकांत अपना खराब तबियत का बावजूद शूटिंग करावे अइलन.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग मैच में मंगल का दिने न्यू साउथ वेल्स सुपर किंग्स के 46 रन से हरा दिहलसि.
  • मौजूदा चैम्पियन भारत के डबल ट्रैप निशानेबाज रंजन सोढ़ी वर्ल्ड कप शूटिंग फाइनल में चीन के हू बिनयुआन को हराके स्वर्ण पदक जीत लिहलन.
  • चैम्पियंस लीग मैच में त्रिनिदाद टोबैगो टीम कोबराज के हरा दिहलसि. अब कोबराज सेमीफाइनल के दौड़ से बाहर हो गइले.
  • विश्व मुक्केबाजी चैम्पियनशिप में क्वार्टर फाइनल में जगह बना लिहला का बाद देवेंद्रो सिंह आ मनोज कुमार के लंदन ओलम्पिक में शामिल होखे के योग्यता मिल गइल.
  • ईरानी ट्रॉफी मैच में जीत से राजस्थान टीम 590 रन दूर रह गइल बिया.
  • विश्व जूनियर स्क्वॉश रैंकिंग में भारत के तीन गो खिलाड़ी टॉप टेन में.
  • इंग्लिश क्रिकेट टीम हैदराबाद पहुंच गइल.