Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर


(बुध, 5 अक्टूबर)
देश

  • नक्सलियन के सहायता चहुंपावे वाला दू गो गुरु नक्सली दिल्ली में गिरफ्तार भइले.
  • गोवा खनन घोटाला पर पीएसी रिपोर्ट में केहु के नाम नइखे लिहल गइल बाकिर राजनीतिक साठगांठ पर जरूर दोष लगावल गइल बा.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह बुध का दिने अंतरराज्य परिषद के पुनर्गठित रूप के मंजूरी दे दिहले. परिषद के सदस्य का रूप में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी, तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे. जयललिता अउर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती शामिल बाड़ी.
  • सेंटर फॉर डायनामिक्स, इकोनॉमिक्स एंड पॉलिसी बुध का दिने अपना रपट में बतवलसि कि देश के अस्पतालन में बैक्टीरिया के छूत से हर साल 190,000 जमतुअन के मौत हो जाले.
  • भारत से 23000 हज यात्री सऊदी अरब पहुंच चुकले.
  • भारत बुध का दिने दुनिया के सबले सस्ता सस्ता टैबलेट “आकाश” पेश कइलसि जवना के दाम 2250 रुपिया बा आ विद्यार्थियन के ई 1125 रुपिया में दिहल जाई. एकरा बाद अपना देश में आम आदमी आ कम्प्यूटर के बीच के दूरी अउरी कम हो जाई.
  • पीडीपी कार्यकर्ता नेशनल कांफ्रेंस कार्यकर्ता सईद मुहम्मद यूसुफ के हिरासत में भइल मौत के निष्पक्ष जांच करावे खातिर बुध का दिने कश्मीर में जुलूस निकलले.
  • एगो जूनियर इंजीनियर पर हमला करे के दोषू गोवा में राकांपा विधायक फ्रांसिस्को उर्फ मिक्की पाचेको के बुध का दिने छह महीना खातिर जेल भेज दिहल गइल.
  • दिल्ली के एगो अदालत महिला नक्सली सोनी सोरी के न्यायिक हिरासत सात अक्टूबर ले बढ़ा दिहलसि. सोनी पर नक्सलियन खातिर एस्सार समूह से ‘पैसा लेबे’ के आरोप बा.
  • मध्य प्रदेश में नवमी से ‘बेटी बचाओ अभियान’ के शुरुआत कइल गइल बा.
  • विहिप सुब्रह्मण्यम स्वामी खातिर जेड प्लस सुरक्षा मँगलसि. स्वामी पर एगो अल्पसंख्यक विरोधी लेख लिखे के आरोप बा.
  • हिसार लोकसभा सीट के उपचुनाव से आठ दिन पहिले निर्वाचन आयोग के निर्देश पर हिसार के पुलिस अधीक्षक के तबादल कर दिहल गइल.
  • आडवाणी की जन चेतना यात्रा देश के 100 जिलन से गुजरी. एह दौरान कुल 38 दिन में आडवाणी 7600 किलोमीटर के सफर तय करीहें.
  • केंद्रीय संसदीय कार्यमंत्री पवन कुमार बंसल बुध का दिने कहलन कि संप्रग सरकार सबले उपर के लोग के भठियरपन पर लगाम लगावे खातिर मजबूत अउर प्रभावी लोकपाल विधेयक ले आव खातिर प्रतिबद्ध बिया बाकिर केहु का गर्दन पर बंदूक रखके अइसन ना कइल जा सके. ऊ अन्ना के बयान के ध्यान में राखत ई बात कहले.
  • सर्वोच्च न्यायालय के न्यायाधीश रहल मार्कन्डे काटजू के भारतीय प्रेस परिषद के अध्यक्ष नियुक्त कर दिहल गइल.
  • 2जी घोटाला मुकदमा में सर्वोच्च न्यायालय में खुदे बहस कइल चाहत बाड़े केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय बुध का दिने केंद्र सरकार से कहलसि कि ऊ तय करे कि स्कूल कॉलेजन का कैंटीन में शीतल पेय आ जंक फूड पूरा रोक लगा दिहल जाव.
  • माकपा नेता बिमान बोस सकार लिहले कि पश्चिम बंगाल के वाम मोर्चा सरकार बढ़िया कम्युनिस्ट नेता ना पैदा कर पवलसि आ हर क्षेत्र में वाम मोर्चा विफल रहल.
  • राजस्थान के करौली जिले में एगो बस चालक किराया का झगड़ा में अपना बस से उतर के दोसरा बस में चढ़े जात पर्यटकन पर बस चढ़ा दिहलसि जवना से छह लोग के ओहिजे मौत हो गइल आ अनेके लोग घाहिल होखला का बाद अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े.
  • वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी राजनीतिक उठापटक से दूर एह समय अपना गांव में दुर्गा पूजा के पुरोहित बनल बाड़न.
  • तेलंगाना राज्य खातिर हड़ताल में आबकारी कर्मचारीओ शामिल हो गइले.
  • विजया दशमी का दिने देश में कई जगहा रावण के पुतला जरावल जाई बाकिर मध्यप्रदेश में कई जगहा रावण के देवता मान के पूजल जाला.
  • मेरठ जिला में पेशी से वापस ले आवल जात कैदी पर गोलीबारी करे वाला एगो अनजान हमलावर के पुलिस मार गिरवलसि.

दुनिया के खबर

  • भारत-चीन सीमा पर शांति बहाल राखे खातिर एगो नया सीमा तंत्र के शुरुआत करीहें.
  • अलकायदा सरगना ओसामा बिन लादेन के मरइला का बाद पाकिस्तान में बनावल एगो जांच आयोग लादेन का तीन गो मेहरारू आ दू गो बेटियन से विस्तार से पूछताछ कइलसि.
  • पाकिस्तान के आपन जुड़वाँ भाई बतावत हामिद करजई कहले बाड़न कि अफगानिस्तान भारत समझौता पाकिस्तान भा कवनो देश का खिलाफ नइखे. ओने काबुल में छह लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल जवना लोग पर करजई के हत्या करे के साजिश बनावे के आरोप लगावल गइल बा.
  • रूस यात्रा पर गइल रक्षा मंत्री ए के एंटनी रूस से आपन चिंता बतवले.
  • अफगानिस्तान में हक्कानी नेटवर्क के कमांडर के हवाई हमला में मार दिहल गइल.
  • ग्रीस सरकार के सरकारी खर्च में कटौती का विरोध में 24 घंटा के आम हड़ताल कइल गइल. उड़ान अउर फेरी सेवा रद्द रहल. स्कूल, सरकारी कार्यालय आ पर्यटक स्थल बंद रहले सँ.
  • स्फटिक के अध्ययन करे वाला इजरायल के वैज्ञानिक डेनियल शेचमैन के रसायन शास्त्र में उल्लेखनीय योगदान खातिर साल 2011 के नोबेल पुरस्कार देबे के घोषणा बुध का दिने कइल गइल.
  • सुरक्षा परिषद में सीरिया पर मतदान में भारत शामिल ना भइल. वइसे शामिल होखला का जरुरते ना रहल काहे कि प्रस्ताव के चीन आ रूस वीटो कर दिहले.
  • सीरिया के घरेलू मामिला में विदेशी दखल के ईरान निंदा कइले बा.
  • सोमालिया में आत्मघाती हमले के पूरा दुनिया समेत संयुक्त राष्ट्र निंदा कइले बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • पाकिस्तान के क्वेटा शहर में मोटरसाइकिल सवार हमलावर दु गो सिपाहियन समेत चार लोग के गोली मारके हत्या कर दिहले सँ.
  • पाकिस्तान में भारत से आवे वाला प्याज आ टमाटर के बेसब्री से इंतजार होत बा. काहे कि ओहिजा के फसल बाढ़ से नष्ट हो गइल बा.
  • एक त बाँड़ अपने गइले नौ हाथ के पगहो ले गइले. मूडीज स्टेट बैंक के रेटिंग घटवलसि त देश के सगरी बैंकन के शेयर में गिरावट आ गइल.
  • एप्पल लांच कइलसि आपन आईफोन 4एस मॉदल.
  • बुधो का दिने शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल आ सेंसेक्स 72 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • पंजाब एह साल 2500 करोड़ रुपिया के बासमती चाउर निर्यात करी.
  • चंदा कोचर के इरादा अपना बैंक आईसीआईसीआई के दुनिया के माथ बैंकन में शामिल करावे के बा. ई बाति अमेरिका के प्रमुख व्यापारिक पत्रिका ‘फॉर्च्यून’ में कहल गइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अभिनेता सैम वर्थिग्टन के कहना बा कि फिल्मकार जेम्स कैमरन के फिल्म ‘अवतार’ के अगिलका कड़ी बेहद आश्चर्यजनक होखी.
  • ‘रा.वन’ के निर्देशक अनुभव सिन्हा अपना एह फिल्म के पूरी टीम के शुक्रिया अदा कइले बाड़न. बॉलीवुड बादशाह शाहरुख खान एह फिल्म में मुख्य भूमिका निभवले बाड़े.

खेल के खबर

  • जापान ओपन के पहिले दौर में हार गइल बोपन्ना-कुरैशी के जोड़ी.
  • चैम्पियंस लीग के रोमांचक मुकाबला में रॉयल चैलेंजर्स आस्ट्रेलिया रेडबैक्स टीम के दू विकेट से हरा के सेमीफाइनल में आपन जगहा पक्का कर लिहलसि. मैच कें आखिरी गेंद पर अरुण कार्तिक के छक्का से जीत मिलल.
  • विश्व मुक्केबाजी चैम्पियनशिप का क्वार्टर फाइनल में मनोज आ देवेंद्रो हार गइले.
  • राष्ट्रीय कुश्ती चैम्पियनशिप 14 अक्टूबर से गोंडा में करावल जाई.
  • भारत के अंडर-16 फुटबाल टीम एशियाई फुटबाल कनफेडरेशन क्वालीफायर्स मुकाबला में बुध का दिने उजबेकिस्तान से 0-9 से हार गइल.
  • चैम्पियंस लीग मैच में वॉरियर्स के हरा के समरसेट क्लब सेमीफाइनल में चहुँप गइल बा.
  • ईरानी ट्रॉफी मैच में शेष भारत के टीम राजस्थान के 404 रन से हरा दिहलसि.
  • पांच मैचन के एकदिना सिरीज खेले हैदराबाद पहुंचल इंग्लिश क्रिकेट टीम के शनिचर का दिने कवना टीम से अभ्यास मैच खेले के बा अबहीं ले एकर खुलासा नइखे भइल.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के हरफनमौला खिलाड़ी युवराज सिंह शादी खातिर जल्दी में नइखन. उनुका कवनो खुला दिमाग वाली लड़की के इंतजार बा.
  • चीन ओपन में पेस-भूपति के जोड़ी क्वार्टर फाइनल में चहुँपल.
  • रेहान, अकबर आ जीशान के पाकिस्तान हॉकी महासंघ अपना केंद्रीय अनुबंध से बाहर कर दिहले बा.

%d bloggers like this: