(बियफे, 6 अक्टूबर)
- सीवान जेल में बंद पूर्व सांसद शहाबुद्दीन का लगे से छापामारी में दू गो मोबाइल फोन, सिम कार्ड अउर 10,000 रुपया से बेसी के नकदी मिलल बा.
- कैमूर जिला के चैनपुर इलाका में बियुर गाँव का लगे मुंडेश्वरी धाम से दर्शन करा के लवटत एगो ट्रैक्टर पलटला से ओह पर सवार तीन लोग के मौत हो गइल आ चार जने घाहिल हो गइले.
- पूर्वी चंपारण के सुगौली इलाका में झपवा मोतिहारी राजमार्ग पर एगो आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
- रोहतास के बंजारी में बियफे साँझ प्रतिमा विसर्जन का दौरान सोन नदी में दू लोग के डूबला से मौत हो गइल. नदी से लाश निकाल लिहल गइल बा.
219 total views, 5 views today