Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर


(शनिचर, 8 अक्टूबर)
देश

  • तेलंगाना मुद्दा पर चलत आंदोलन का बीच कांग्रेस एह बाति से इंकार कइले बिया कि ओहिजा राष्ट्रपति शासन लगावल जा सकेला.
  • कांग्रसी विधायकन का हंगामा का साथे पंजाब विधानसभा के सत्र खतम भइल.
  • एनआईए दिल्ली उच्च न्यायालय का बाहर सात सितम्बर के भइल विस्फोट के मास्टरमाइंड मानल जात किश्तवाड़ के वसीम अकरम मलिक से शनिचर के दिन भर ओकरा से पूछताछ कइलसि.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी विधायक बन गइला का बाद लोकसभा सदस्यता से इस्तीफा दे दिहली.
  • गोवा के अवैध खनन मामिला पर पीएसी के रिपोर्ट लुका के रखे के आरोप सरकार पर लगावत भाजपा आपन रिपोर्ट जारी करे के कहले बिया.
  • महाश्वेता देवी शनिचर का दिने मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के उनुकर चुनावी वादा के इयाद करावत नक्सली इलाकन से संयुक्त बल हटा लेबे के कहले बाड़ी. शायद उनुकर तमन्ना बा कि आम आदमी के जान लेबे में नक्सलियन के कवनो बाधा ना होखे.
  • हिमाचल प्रदेश मुख्यमंत्री प्रेम कुमार धूमल शनिचर के रेणुका विधानसभा क्षेत्र के दिवंगत विधायक डा़ प्रेम सिंह का घरे जाके शोकाकुल परिवारवालन के सांत्वना दिहले.
  • हिसार लोकसभा उपचुनाव में कांग्रेस के एतिहासिक शिकस्त देबे के गोहार लगावल टीम अन्ना आपन जनसभा आ प्रचार शुरू कर दिहलसि.
  • जम्मू कश्मीर में दू गो फ्लाई ओवर बनावे खातिर एशियाई विकास बैंक 350 करोड़ रुपिया के करजा दिहल मंजूर कइलसि.
  • केंद्रीय विधि अउर न्याय मंत्री सलमान खुर्शीद के कहना बा कि आरएसएस के कवनो हक नइखे कि ऊ राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के वैधता पर सवाल उठावे.
  • भारत के निर्वाचन आयुक्त रहल जे. एम. लिंगदोह ने ‘राइट टू रिकॉल’ के समर्थन करत कहले कि चुनावी प्रक्रिया खातिर ई उपयोगी विचार साबित हो सकेला.
  • भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन गडकरी के भाषणन के बिटोर ‘विकास के पथ’ के विमोचन शनिचर का दिने सिरी फोर्ट सभागार में एगो कार्यक्रम में मुख्य अतिथि श्री श्री रविशंकर कइले. कार्यक्रम के अध्यक्षता लालकृष्ण आडवाणी कइलन.
  • कानून मंत्री खुर्शीद कहले बाड़न कि अन्ना राजनीति मत करसु आ अपना समाज सेवा में लागल रहसु. राजनीति करे खातिर राजनेता मौजूद बाड़न.
  • केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश शनिचर का दिने कहले कि एहपर सोचे के जरूरत बा कि झारखण्ड अमीर राज्य होखला का बावजूद एहिजा के लोग गरीब काहे बा.कहलन कि झारखण्ड केंद्रीय मदद के पूरा इस्तेमाल नइखे कर पावत.
  • इंडिया अगेंस्ट करप्शन शनिचर का दिने साफ कहलसि कि भठियरपन का खिलाफ ओकरा लड़ाई के आरएसएस से कवनो संबंध नइखे. बाकिर अगर केहू समर्थन करे त ओकरा के कइसे रोकल जा सकेला.
  • टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल के कहना बा कि कांग्रेस के डर बा कि अगर लोकपाल बन गइल त ओकर कई गो मंत्री जेहल चलि जइहें आ एहीसे ऊ लोकपाल के विरोध करत बिया.
  • भारतीय वायु सेना देश के राजधानी दिल्ली के वायु रक्षा कवच उपलब्ध करावे खातिर अपना हिंडन वायु ठिकाना पर लड़ाकू विमान तैनात करे के सोचत बिया.
  • प्रधानमंत्री अगिला महीना चण्डीगढ़ के सिख स्मारक के उद्घाटन करीहें. एह स्मारक के निर्माण समय सीमा में कई बेर देरी हो चुकल बा.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल केंद्र सरकार के निर्धारित गेंहू के नयका समर्थन मूल्य 1,350 रुपिया प्रति क्विंटल के खारिज कर दिहले बाड़न.

दुनिया के खबर

  • प्रख्यात चित्रकार पाब्लो पिकासो के चोरी गइल दू गो पेंटिंग्स के सर्बिया में होखे पता चलल बा. एह पेंटिंग्स के दाम करोड़ों डॉलर बतावल जात बा.
  • आसिफ जरदारी पाकिस्तान के आपदा पीड़ितन खातिर दुनिया भर से मदद माँगत बाड़े.
  • अमेरिका के नेवेडा नियंत्रण केंद्र पर एगो जिद्दी कम्प्यूटर वायरस हमला कर दिहले बा. एहिजा से अफगानिस्तान आ दोसरा जगहा युद्ध मिशन खातिर अमेरिकी सैन्य ड्रोन विमान भेजल जाला.
  • नोबेल पुरस्कार विजेता अर्थशास्त्री अमर्त्य सेन के कहना बा कि नालंदा विश्वविद्यालय के पुनर्स्थापना के बहुदेशीय परियोजना में देरी खातिर नौकरशाही पर निर्भरता कारण बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • यमन के राष्ट्रपति अली अब्दुल्लाह सालेह शनिचर का दिने कहले कि ऊ जल्दिये सत्ता छोड़ दीहें.
  • अमेरिका चाहत बा कि भारत आ चीन से ओहिजा निवेश होखे.
  • बीतल हफ्ता में भारत के विदेशी मुद्रा कोष में 1.22 अरब डॉलर के गिरावट आइल बा.
  • अमेरिकी इतिहास के सबले बड़हन क्रेडिट कार्ड धोखाधड़ी आ पहचान चोरी करे वाला गिरोह के पर्दाफाश भइल बा जवन अबले 1.3 करोड़ डॉलर के हेराफेरी कर चुकल बा. एह गिरोह में कम से कम 13 आदमी भारतीय मूल के बाड़न.
  • पश्चिम बंगाल में टायर निर्माता कंपनी डनलप आपन काम श्रमिक माहौल का चलते रोक दिहलसि.
  • नवम्बर में होई 126 युद्धक विमान खरीद के घोषणा, कहले वायुसेना प्रमुख. ई करार 10.4 अरब डॉलर के होखी.
  • अमेरिका में बेरोजगारी दर 9.1 फीसदी बरकरार बा.
  • संयुक्त राष्ट्र पाकिस्तान के 1.7 करोड़ डॉलर के सहायता दी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • दिवंगत पॉप गायक माइकल जैक्सन के निजी चिकित्सक जांच अधिकारियन का सोझा सकार लिहले कि ऊ मरे से पहिले जैक्सन के खतरनाक एनेस्थीसिया दवाई प्रोपोफोल के इंजेक्शन लगवले रहले.
  • चेतन भगत के कहना बा कि बॉलीवुड खातिर ऊ पटकथा लेखन ना करीहें. हालांकि उनुका किताबन पर फिलिम बनल बाड़ी सँ.
  • अपना बहुप्रतिक्षित फिल्म ‘रा वन’ में काम करे खातिर रजनीकांत के तईयार कर लिहला का बाद शाहरुख खान अब सुपरहीरो पर आधारित गेम के परिचय करावे खातिर अमिताभ बच्चन के राजी करा लिहलन.

खेल के खबर

  • अभ्यास मैच जीत के इंग्लैंड अपना दौरा के शुरूआत कर दिहलसि. एह मैच में ऊ हैदराबाद क्रिकेट संघ एकादश टीम के 56 रन से हरा दिहलसि.
  • चैम्पियंस लीग मैच में समरसेट के हरा के मुम्बई इंडियंस फाइनल में चहुँप गइल.
  • शुक का दिने भइल फीफा विश्वकप मुकाबला में इक्वाडोर वेनेजुएला के 2-0 से आ अर्जेटीना चिली के 4-1 से हरा दिहलसि.
  • सानिया के बायां घुटना के ऑपरेशन भइल. आपरेशन सफल बतावल जात बा.
  • पाकिस्तान के आतंकवाद निरोधी एगो अदालत श्रीलंकाई क्रिकेट टीम का बस पर साल 2009 में लाहौर में भइल हमला में शामिल एगो आरोपी के जमानत पर रिहा कर दिहलसि.
  • जापान ओपन का फाइनल में भिड़िहें नडाल आ एंडी मरे.
  • विश्व मुक्केबाजी चैम्पियनशिप में भारत के विकास कृष्ण के कांस्य पदक मिलल.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: