Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

उत्तर प्रदेश के खबर


(मंगल, 11 अक्टूबर)

  • प्रदेश के कर्मचारी आ शिक्षक संगठन बुध का दिन से होखे वाला हड़ताल टार देबे के फैसला लिहले बाड़े. प्रदेश के शिक्षा मंत्री अनूप कुमार मिश्रा से बतियवला का बाद ई फैसला लिहल गइल बा. सरकार एक महीना के समय मंगले बिया.
  • उर्जा मंत्री रामवीर उपाध्याय भाजपा नेता किरीट सौमेया के कानूनी नोटिस भेज के कहले बाड़न कि सौमेया अपना ओह बयान के खंडन करसु जवना में ऊ उर्जा मंत्री पर भठियरपन के आरोप लगवले रहले ना त उनुका खिलफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई.
  • बुंदेलखण्ड के एगो गांव में पंचायत लगाके ग्रामीणन के समस्या सुनला का बाद राहुल गाँधी कहले कि राज्य सरकार केंद्र से मिलल धन के सही उपयोग नइखे करत.
  • रायबरेली जिला में एगो बाप अपना इज्जत के नाम पर अपना बेटी के जान ले लिहलसि बाकिर प्रेमी लड़िका भागे में सफल रहल. पुलिस बाप के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • उत्तर प्रदेश में बिजली संकट गहरा गइल बा आ एकर सबले बेसी मार पूर्वांचल के झेले पड़त बा. मुश्किल से दस बारह घंटा बिजली मिलत बिया बाकिर ओकर समय आ वोल्टेज के कवनो भरोसा नइखे रहि गइल. राज्य के उर्जा मंत्री के कहना बा कि हालात में अबही सुधार के कवनो उमेद नइखे.
  • बलिया के रसड़ा कोतवाली इलाका में राघवपुर गाँव का लगे मंगल का दिने एगो जीप आ ट्रक का टक्कर में तीन लोग के जान चल गइल आ दस जने घवाहिल हो गइले.

%d bloggers like this: