web analytics

बिहार के खबर

(मंगल, 11 अक्टूबर)

  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के जन चेतना यात्रा के काल्हु नीतीश कुमार छपरा से हरियर झंडी देखा के रवाना कइले. एहसे पहिले नीतीश कुमार जेपी का गांव में बिहार सरकार ग्रामीण कार्य विभाग के सड़कन के आ विद्युतिकरण के उद्घाटन कइले. जन चेतना रथ बुध का दिने मनरे बक्सर होखत उत्तर प्रदेश में घुसी.
  • बियफे का दिने होखे वाला दुरौंधा विधानसभा सीट के उपचुनाव खातिर प्रचार मंगल का साँझ से रुक गइल.
  • मैट्रिक परीक्षा खातिर पंजीकरण के काम शुरू हो गइल बा जवना उनईस अक्टूबर ले चली. ओकरा बाद विलंब शुल्क का साथे एक नवम्बर ले फार्म भरल जा सकेला. बिहार के इंटर कालेजन के नाम बदल दिहल गइल बा आ अब ओकनी के उच्चस्तरीय माध्यमिक विद्यालय कहल जाई.
  • बिहार में भठियरपन के बढ़ला के आरोप लगावत लालू के राजद पटना में राजभवन ले मार्च कइलसि आ राज्यपाल से भेंट कर के आपन ज्ञापन थमवलसि.
  • आजादी का बाद से अबले नियति के मार झेलत सिताबदियरा के लोग काल्हु बिजली के दर्शन कइल. बिहार सरकार सिताबदियरा में बिजली आपूर्ति के व्यवस्था कर दिहलसि आ सड़क बनावे के शुरुआत कर दिहलसि. अबही ले सिताब दियरा दू राज्यन का पाटी का बीच पिसात आइल बा.
  • आडवाणी का रथ यात्रा में कुछ पोस्टर छपरा से पटना ले लगावल लउकल जवना में आडवाणी के अर्जुन आ नीतीश के कृष्ण बनल देखावल गइल बा.
  • लालकृष्ण आडवाणी कहले कि 21वां शताब्दी के ऊ भारत के सदी बना दीहें आ कहलन कि बिहार में विकास के बहत बयार देखिये के ऊ बिहार से आपन जन चेतना यात्रा के शुरुआत कइलन.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: