उत्तर प्रदेश के खबर
October 13, 2011
(बुध, 12 अक्टूबर)
- बुंदेलखंड का दौरा पर निकलल राहुल गाँधी मदरसा में जा के ओहिजा के छात्रन से अमेरिका का बारे में ओह लोग के नजरिया जाने के कोशिश कइले.
- इलाहाबाद जिला के एगो घर में गैरकानूनी पटाखा फैक्टरी में विस्फोट भइला से छह लोग के मौत हो गइल आ 14 जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
- अमर सिंह के जमानत याचिका पर सुनवाई 18 अक्टूबर के होई.
- उन्नाव में अभद्रता के आरोपी थाना प्रभारी पर हमला कर के लोग उनुका के घवाहिल कर दिहल आ एगो पुलिस जीप के जरा दिहल.