बिहार के खबर

(शनिचर, 15 अक्टूबर)

  • पूर्णिया के छत्तरबाड़ी इलाका से एगो नौजवान के दू दिन पहिले पुलिस कुछ पुछताछ खातिर डगरूआ थाना ले के आइल रहे बाकिर आजु शनिचर का दिने ओकर लाश मिलल. एहसे नाराज लोग थाना में आग लगा दिहल आ ओहिजा खाड़ पुलिस के आ जब्त गाड़ियन के फूंक दिहल. हालात पर काबू पावे खातिर पुलिस कई चक्र गोली चलवलसि बाकिर कहना बा कि केहू हताहत नइखे भइल. पुलिस अधीक्षक अमित लोढ़ा के कहना बा कि ऊ नौजवान पियक्कड़ रहे आ शराब का नशा में तालाब में गिर गइल जवना से ओकर मौत हो गइल.
  • मानव संसाधन विकास मंत्री पी॰ के॰ शाही के कहना बा कि राजभवन से खड़ा कइल गइल अड़चनन का चलते राज्य में उच्च शिक्षा के पटरी पर ले आवे में दिक्कत हो रहल बा. कहलन कि विश्वविद्यालयन में पढ़ाई के बेहतर माहौल बनावे खातिर बनल कानून के राज्यपाल से मंजूरी मिले में देरी होखत बा.
  • झाझा इलाका के तेलियाडीह गाँव से चार गो नक्सलियन के गिरफ्तार कइल गइल बा. एकनी पर छह साल पहिले एगो ट्रेन पर हमला कर के एगो पुलिस जवान के हत्या करे आ तीन गो रायफल लूटला के आरोप बा. कुछ दिन पहिले जब रायफल का साथे एगो आदमी के बांका में गिरफ्तार कइल गइल त ओकरा से मिलल जानकारी का बाद एह चारो नक्सलियन के गिरफ्तारी भइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के चकिया टीसन पर कुछ अपराधी एगो महतारी बेटा के छूरा मार के घवाहिल कर दिहले जवना का बाद इलाज का दौरान लड़िका के मौत हो गइल.
  • औरंगाबाद जिले के जमहोर थाना इलाका में शुक का रात एगो औरत का घर में घुसल सहायक पुलिस निरीक्षक के पकड़ के गाँव वाले पिटाई कइलन आ बाद में पुलिस का हवाले कर दिहलन.
  • बिहार के ऐतिहासिक सोनपुर मेला 9 नवम्बर से शुरु होखे जा रहल बा. अबकी मेला के क्षेत्र बढ़ा दिहल गइल बा आ संगही संगे एकरा के मँहगो बना दिहल गइल बा. अब सगरी शुल्क आ टैक्स पहिले से बेसी लागी.