web analytics

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

खास खबर
(सोमार, 17 अक्टूबर)

  • हरियाणा, महाराष्ट्र, आंध्रप्रदेश आ बिहार में भइल उपचुनाव में हर जगहा कांग्रेस भा ओकरा सहयोगियन के हार मिलल. हिसार लोकसभा सीट पर भइल उपचुनाव में पहिले सांसद रहल भजनलाल के बेटा कुलदीप बिश्नोई जीत गइले आ तिसरका जगहा पर आइल कांग्रेसी उम्मीदवार के जमानत जब्त हो गइल. टीम अन्ना कांग्रेस के जमानत जबत होखला के आपन जीत बतवले बाड़न. आंध्र प्रदेश के बांसवाड़ा विधानसभा सीट तेलंगाना राष्ट्र समिति जीत लिहलसि त महाराष्ट्र के खड़कवासला सीट पर भाजपा शिवसेना उम्मीदवार. बिहार के दुरौंधा विधानसभा सीट पर राजग के कब्जा बरकरार रह गइल.
  • हिसार उपचुनाव के परिणाम पर कुछ लोग के कहना एहिजा पेश बा –

    जनता भ्रष्टाचार का खिलाफ वोट दिहलसि : भाजपा

    भाजपा नेता मुरली मनोहर जोशी एकरा के लोकतंत्र के जीत बतावत कहले बाड़न कि, “उपचुनाव के परिणाम से साफ होखत बा कि देश के जनता भ्रष्टाचार अउर कांग्रेस का खिलाफ वोट दिहले बिया. एहसे पता चल जात बा कि हवा के का रुख बा.”

    हिसार उपचुनाव परिणाम अन्ना के हार हऽ : मोइली

    कांग्रेस के वरिष्ठ नेता आ केंद्रीय मंत्री एम. वीरप्पा मोइली हिसार उपचुनाव परिणाम के अन्ना हजारे के ‘हार’ बतावत कहले कि अगर एहमें भ्रष्टाचार असल मुद्दा रहीत त परिणाम दोसर भइल रहीत. आ तब कांग्रेस के उम्मीदवार जीतल रहीत. एकर मतलब बा कि ई अन्ना के हार हऽ.”

    हिसार कांग्रेस के सीट रहले ना रहे : उमर

    जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला ट्विट पर चहचहइले कि, “अन्ना के सहयोगियन के अइसन सीट चुने चाहत रहुवे जहाँ कांग्रेस के जीत तय रहे आ तबे पता चलीत कि ऊ लोग परिणाम पर कतना असर डाल सकेला. हिसार सीट त कांग्रेस के रहले ना रहे. ”

    कांग्रेस खातिर संदेश बावे हिसार के हार : केजरीवाल

    टीम अन्ना के सदस्य अरविंद केजरीवाल कहले कि, “हिसार उपचुनाव में कांग्रेस के हार से साफ हो गइल कि लोग जन लोकपाल के पक्ष में बा. कांग्रेस के ई संदेश समुझे के चाहीं आ संसद के शीतकालीन सत्र में जन लोकपाल विधेयक पारित करवावे के चाहीं. अगर शीतकालीन सत्र में जन लोकपाल विधेयक पारित नइखे होखत त हमनी का पाँच राज्यन में होखे वाला चुनाव में कांग्रेस के विरोध करब जा.”

    अन्ना के अपील के असर भइल : मेधा

    सामाजिक कार्यकर्ता मेधा पाटकर कहले बाड़ी कि अन्ना के अपील के असर भइल बा आ जयप्रकाश के खराब वोट प्रतिशत ई देखलावत बा.

    हार हमेशा दुखदाई होले : मुखर्जी

    केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी कहले कि, “चुनावन में पार्टी के हार हमेशा दुखदायी होले. हमनी के एह बात के विश्लेषण करब जा कि उपचुनाव में हमनी के हार काहे भइल.”

    जीत से अन्ना के कवनो लेना-देना नइखे : बिश्नोई

    हिसार सीट से जीतल कुलदीप बिश्नोई के कहना बा कि उनुका जीत से अन्ना के कवनो लेना-देना नइखे. बिश्नोई अपना जीत के श्रेय अपना पिता भजनलाल आ भाजपा का साथे भइल गठबन्हन के दिहले.

  • गुजरात के गिरफ्तार आइपीएस संजीव भट्ट के जमानत मिल गइल. उनुका पर एगो पुलिस कर्मी से जबरिया बयान दिलवावे के आरोप बा आ गुजरात सरकार ना चाहत रहुवे कि भट्ट के जमानत मिल पावे. जमानत पर रिहा होखला का बाद संजीव भट्ट फेरु नरेन्द्र मोदी के अपराधी कहले बाड़न.

देश

  • अलग तेलंगाना राज्य खातिर होत आंदोलम में सोमार का दिने बंद के बहुते असर रहल. दू दिन के ‘रेल रोको’ अभियान का बाद सेवा बहाल हो गइली सँ. सोमार का दिने पहिले से गिरफ्तार पूनन प्रभाकर समेत अनेक सांसदन के जमानत पर रिहा कर दिहल गइल.
  • केरल विधानसभा अध्यक्ष जी. कार्तिकेयन दू गो विपक्षी विधायकन के दुर्व्यवहार का चलते सदन से दू दिन खातिर निलम्बित कर दिहलन.
  • सोमार का दिने सर्वोच्च न्यायालय से बतावल गइल कि ‘सरकार का विरोध में बोलला के चलते रामदेव पर कार्रवाई भइल रहे.’
  • कोलकाता में जल्दिये पर्यटक डबल डेकर वातानुकूलित बस से दर्शनीय जगहन के यात्रा कर सकीहें. ममता कोलकाता के लंदन बनावे के ठान लिहले बाड़ी.
  • मध्य प्रदेश में किसान एक बार फेर अपना मांग खातिर आंदोलन शुरु कर दिहले बाड़न आ सोमार का दिने कई जगहा पर धरना-प्रदर्शन कइले आ रेलगाड़ी रोकले.
  • पश्चिम बंगाल सरकार दीवाली का मौका पर पटाखन के इस्तेमाल का खिलाफ जागरूकता रैली निकाली.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह सोमार का दिने प्रिटोरिया पहुंचलन जहाँ ऊ पांचवाँ भारत-ब्राजील-दक्षिण अफ्रीका शिखर सम्मेलन में शामिल होखीहें.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील मंगल का दिने महाराष्ट्र विधानसभा के हीरक जयंती समारोह के उद्घाटन करीहें. महाराष्ट्र विधानसभा के स्थापना साल 1937 में भइल रहे.
  • रालेगण सिद्धि के सरपंच से राहुल के मिले के खबर के एगो कांग्रेसी सांसद झूठ आ बेबुनियाद बतवले बाड़ै.
  • आडवाणी फेर मनमोहन सिंह के सबले कमजोर प्रधानमंत्री बतवले बाड़न.
  • मध्य प्रदेश के कांग्रेस इकाई के अध्यक्ष कांतिलाल भूरिया के कहना बा कि भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के जनचेतना रथ राम के ना ह, बलुक ‘कलयुगी रावण’ के रथ ह.
  • आरटीआई के खामियन पर विचार करे के जरूरत बतवले बाड़न केंद्रीय कारपोरेट मामिलन के मंत्री एम. वीरप्पा मोइली.
  • राहुल गाँधी दू साल बाद होखे वाला त्रिपुरा विधानसभा चुनाव के अभियान के शुरूआत अगिला महीना कर दीहें.
  • भठियरपन का मामिला में गिरफ्तार कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल बी. एस. येदियुरप्पा के मंगल का दिने जेल में भेजल जा सकेला काहे कि डाक्टरन के कहना बा कि येदियुरप्पा के कवनो हृदय रोग नइखे.
  • डीएमके के आरोप बा कि तमिलनाडु स्थानीय निकाय चुनाव में नियमन के उल्लंघन हो रहल बा. जयललिता के एह चुनावन में अपना पार्टी के जीत के पूरा भरोसा बा.
  • लापता नर्स भंवरी देवी के मामिला में सनइला के आरोपी महिपाल मदेरणा के राजस्थान मंत्रिमंडल से हटवला का बाद तीन गो अउरी मंर्त्रियन के पद से हटावे के अनेसा बा.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील उम्मीद जतवली कि अगिला दस साल में भारतीय उड्डयन क्षेत्र दुनिया के पांच गो माथ उड्डयन क्षेत्र में गिना सकेला.
  • अवैध खनन के आरोप में गिरफ्तार जनार्दन रेड्डी के हिरासत 31 अक्टूबर ले बढ़ा दिहल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • पढ़ाई करे खातिर आस्ट्रेलिया जाये वाला विद्यार्थियन के अब बाध्यकारी अंतर्राष्ट्रीय अंग्रेजी भाषा परीक्षा प्रणाली से ना गुजरे के पड़ी.
  • लंदन में भूमिगत मेट्रो ट्रेन में प्रधानमंत्री डेविड कैमरन के यात्रा करत देख एगो भारतीय महिला के यकीन ना भइल आ उनुकरे से पूछ लिहली, “का रउरा प्रधानंमत्री हईं ?” जब कैमरून एह बात के हामी भर दिहले त ऊ महिला माफी माँग लिहली आ कहली कि भारत के नेता सार्वजनिक वाहन से ना चलसु एहसे पूछे के पड़ल.
  • चीन सोमार का दिने दोसरा देशन से कहलसि कि ऊ लोग समुद्री मुद्दा पर वियतनाम का साथ भइल चीन के समझौता के सम्मान करसु.
  • पाकिस्तान के नौसेना प्रमुख रहल एडमिरल फसीह बुखारी के देश के भ्रष्टाचार विरोधी संगठन ‘राष्ट्रीय उत्तरदायित्व ब्यूरो’ के अध्यक्ष बनावल गइल बा.
  • अमेरिका में वाल स्ट्रीट विरोधी सैकड़ों प्रदर्शनकारियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • सऊदी अरब के शाह अब्दुल्ला बिन अब्दुल अजीज अल सौद के अतवार का दिने रियाद के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • अल सल्वाडोर में जमीन घसकला से बीस आदमी के मौत हो गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • रतन टाटा उनुका ‘असाधारण नेतृत्व’ आ भारत स्विट्जरलैंड संबंध मजबूत बनावे में उनुका योगदान खातिर स्विस राजदूत सम्मान से नवाजल गइल बा.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी सोमार का दिने कहलन कि भारत आ फिलीपींस का बीच जनवरी ले दोहरा कराधान निवारण समझौता पर दस्तखत हो जाई.
  • 8.5 से 9 फीसदी के दर से भारत के आर्थिक विकास होखे जा रहल बा, कहलन केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी.
  • केंद्रीय कम्पनी मामिलन के मंत्री एम. वीरप्पा मोइली सोमार का दिने कहले कि नयकी प्रतिस्पर्धा नीति अगिला साल से लागू हो जाई.
  • रत्नागिरी ताप विद्युत संयंत्र का पूर्ण संचालन शुरू हो गइल बा एह से महाराष्ट्र के बिजली मिलल शुरू हो गइल बा.
  • मध्य प्रदेश के सिंगरौली में एल एंड टी कम्पनी द्वारा स्थापित कइल जात बिजली संयंत्र के सुरक्षाकर्मियन आ मजदूरन का बीच सोमार का दिने जमके मारपीट भइल. एह मारपीट में चौदह लोग घवाहिल भइल बा.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 58 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • तमिलनाडु के कुडनकुलम में परमाणु बिजली संयंत्र के खिलाफ प्रदर्शन रुक गइला का बाद ओहिजा नया कर्मचारी भेजल गइल बाड़े. प्रदर्शन अस्थायी तौर पर रुकल बा.

मनोरंजन का दुनिया से


खेल के खबर

  • विराट कोहली के नाबाद शतक (112)आ गौतम गम्भीर के नाबाद चौरासी (84) रन का सहारे आ गेंदबाजन के धारदार प्रदर्शन से भारत सोमार का दिने भइल दुसरका एकदिना में इंग्लैंड के आठ विकेट से हरा के पांच मैचन का श्रृंखला में 2-0 से आगा हो गइल बा. कोहली के मैन आफ द मैच चुनल गइल.
  • भारत दक्षिण कोरिया के शहर ह्वाचियोन में होखत 17वीं जूनियर एशियाई रोइंग चैम्पियनशिप में एगो स्वर्ण, पांच गो रजत आ दू गो कांस्य पदक जीत लिहलसि.
  • खेल मंत्रालय सोमार का दिने अपना विवादित राष्ट्रीय खेल विकास विधेयक के नया रूप में पेश कर दिहलसि. एह में सगरी खेल महासंघन के सूचना के अधिकार का दायरा में राखल गइल बा आ अधिकारियन के कार्यकाल आ उमिर सीमा में कवनो बदलाव नइखे कइल गइल.
  • वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के मध्यम गति के गेंदबाज रवि रामपॉल अपना जन्मदिन पर बांगलादेश से एकदिना श्रृंखला जीतला से बहुते गहगह बाड़न.
  • पांच बार के विश्व चैम्पियन महिला मुक्केबाज एम.सी. मेरीकोम के कहना बा कि उनुका अपना मणिपुरी होखे के गर्व बा.
  • भारत के स्टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के महिला टेनिस संघ के नयका वरीयता में एकल क्रम में दू पायदान के फायदा बाकिर युगल में एक पायदान के नुकसान भइळ बा.

 343 total views,  4 views today

%d bloggers like this: