Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर


(शुक, 21 अक्टूबर)
खास खबर

  • तमिलनाडु के निकाय चुनाव में जयललिता के पार्टी एआईएडीएम के भारी सफलता मिलल बा आ ऊ राज्य के सगरी दसो निगमन पर काबिज हो गइल बिया.
  • सर्वोच्च न्यायालय शुक का दिने ग्रेटर नोएडा के बुद्ध इंटरनेशनल सर्किट में अक्टूबर का आखिर में होखे जात फार्मूला वन (एफ-1) रेस करावे वाली कम्पनी – जेपी स्पोर्ट्स इंटरनेशनल लिमिटेड के मनोरंजन कर अदा करे के आदेश जारी कर दिहलसि. ई राशि एगो अलग खाता में जमा करावल जाई.
  • लीबिया के सत्ता से बेदखल हो चुकल तानाशाह मुअम्मार गद्दाफी के मरा गइला का बाद नाटो सेना अब आपन अभियान बंद कर सकेले. ई बाति फ्रांस के विदेश मंत्री कहले बाड़न. कहलन कि फ्रांस लीबिया के पुनर्निर्माण में भारत का साथे मिल के काम करी.

देश

  • मणिपुर में चलत आर्थिक नाकेबंदी मुद्दा पर भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष नितिन गडकरी के नेतृत्व में एगो शिष्टमंडल शुक का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से मिलल आ एह समस्या के जल्दी समाधान करे करावे के निहोरा कइलसि.
  • छत्तीसगढ़ के बस्तर इलाका में मानवता आ विकास के दुश्मन नक्सली 16 सदस्यीय पुलिस गश्ती दल पर घात लगाके हमला कइलन जवना में छह गो पुलिसकर्मी शहीद हो गइले. पांच गो सुरक्षाकर्मी घवाहिल हो गइलन.
  • तमिलनाडु के निकाय चुनाव में जयललिता के पार्टी एआईएडीएम के भारी सफलता मिलल बा आ ऊ राज्य के सगरी दसो निगमन पर काबिज हो गइल बिया.
  • हिसार लोकसभा उपचुनाव में अपना हार के जिम्मेदार कांग्रेसी गुटबाजी आ भितरघातियन का बारे में उम्मीदवार जयप्रकाश पार्टी अध्यक्ष सोनिया गांधी के एगो चिट्ठी लिखले बाड़न. कांग्रेस प्रवक्ता कहले कि एह चिट्ठी पर कवनो बहस ना होखे के चाहीं. चिट्ठी में हार खातिर केंद्रीय मंत्री सैलजा अउर पार्टी महासचिव बीरेंद्र सिंह पर आरोप लगावल गइल बा.
  • भठियरपन खातिर चौतरफा हमला झेलत सरकार के बचाव करत प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह शुक का दिने कहलन कि प्रभावी लोकपाल के गठन, लोक प्राधिकारियन के विवेकाधीन शक्तियन में कटौती आ सरकारी उपक्रमन में पारदर्शिता सुनिश्चित करावल उनुका सरकार के प्राथमिकता बा.
  • द्रविड़ मुनेत्र कड़गम प्रमुख एम. करुणानिधि तिहाड़ जेल में बंद अपना बेटी आ सांसद कनिमोझी से भेंट करे खातिर दिल्ली खातिर चल दिहले बाड़न. दिल्ली में ऊ सोनियो गाँधी से मुलाकात करीहें.
  • हिमाचल प्रदेश के लाहौल घाटी में तीन दिन पहिले दुर्घटनाग्रस्त भइल विमान मिग-29 के मलबा के कुछ टुकड़ा मिलल बा बाकिर पूरा मलबा आ पायलट के शरीर नइखे मिलल.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाला के सुनवाई करत केंद्रीय जांच ब्यूरो अदालत ए. राजा, कनिमोझी आ दोसर 15 अभियुक्तन का खिलाफ आरोप शनिचर का दिने तय करी.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला कहले बाड़न कि राज्य के कुछ हिस्सा से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटा लिहल जाई.
  • दिल्ली के एगो अदालत वोट खातिर नोट मामिला में गिरफ्तार कुलकर्णी आ दू गो पूर्व सांसदन के जमानत याचिका खारिज कर दिहलसि. ओने भाजपा नेता वेंकैया नायडू कहले बाड़न कि एह सांसद रहल नेता लोग के पद्म पुरस्कार मिले के चाहीं.
  • लालकृष्ण आडवाणी राइट टू रिकाल से सहमत नइखन.
  • आयकर विभाग अरविंद केजरीवाल के फेर नोटिस भेज के 27 अक्टूबर ले नौ लाख रुपये से अधिका बकाया राशि के भुगतान जमा करे के कहले बिया.
  • मोहम्मद असलम के इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय के कार्यवाहक कुलपति बनावल गइल बा. पुरनका कुलपति वी.एन. राजशेखरन पिल्लै के कार्यकाल बियफे का दिने पूरा हो गइल.
  • कर्नाटक के गृहमंत्री आर. अशोक भूमि घोटाले में अदालत से मिलल पुलिस जांच के आदेश का बावजूद अपना इस्तीफा का माँग से इंकार कर दीहलें.
  • कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव दिग्विजय सिंह का खिलाफ बयान देबे वाला आ इस्तीफा देबे वाला प्रदेश सचिव हरीश अरोड़ा के पार्टी से निलम्बित कर दिहल गइल बा.
  • बियफे देर रात गुजरात में आइल भूकंप में केहु के हताहत होखे के खबर नइखे.

दुनिया के खबर

  • लीबिया के सत्ता से बेदखल हो चुकल तानाशाह मुअम्मार गद्दाफी के मरा गइला का बाद नाटो सेना अब आपन अभियान बंद कर सकेले. ई बाति फ्रांस के विदेश मंत्री कहले बाड़न. कहलन कि फ्रांस लीबिया के पुनर्निर्माण में भारत का साथे मिल के काम करी.
  • स्टैनफोर्ड विश्वविद्यालय में मशहूर सरोदवादक अमजद अली खान अढाई महीना भारतीय शास्त्रीय संगीत के शिक्षा दीहें.
  • अमेरिका पाकिस्तान के आतंकवादी संगठन हक्कानी नेटवर्क का खिलाफ कार्रवाई करे के सलाह देत कहले बा कि पाकिस्तान अपना घर में साँप मत पाले. कवनो जरुरी नइखे कि पोसुआ साँप पड़ोसियने के काटी.
  • हनीमून मनावे भारत आई भूटान के शाही जोड़ा. नौ दिन के हनीमून ई जोड़ा राजस्थान में मनाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • दूरसंचार कम्पनी आइडिया के शुद्ध लाभ में मौजूदा कारोबारी साल के दूसरकी तिमाही में 48.53 फीसदी के गिरावट दर्ज भइल बा. एकर कारण कंपनी ऊंच ब्याज दर आ संचालन लागत में लगातार होत बढ़ोतरी के बतवले बिया.
  • कोयला के कमी दूर करे खातिर सार्वजनिक क्षेत्र के कंपनी नेशनल एल्युमीनियम कम्पनी लिमिटेड दू लाख टन कोयला के आयात करी.
  • मारुति सुजुकी के गुड़गांव के मानेसर स्थित कारखाना के कर्मचारियन के हड़ताल शुक का दिने खतम हो गइल जब कम्पनी प्रबंधन बहुते निलम्बित कर्मचारियन के फेर से काम पर ले लिहलसि.
  • सार्वजनिक क्षेत्र के विजया बैंक अपना 81वां स्थापना दिवस पर देश भर में 40 गो नया शाखा आ 80 गो एटीएम खोललसि.
  • राकेश जैन रिलायंस जनरल इंश्योरेंस के नया मुख्य कार्यकारी अधिकारी आ कार्यकारी निदेशक नियुक्त भइल बाड़े.
  • शुक का दिने सेंसेक्स में 151 अंक के गिरावट भइल.
  • लार्सन एंड टूब्रो के शुद्ध मुनाफा में पन्द्रह फीसदी के बढ़ोतरी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन के मानद डाक्टरेट से सम्मानित करे वाला ऑस्ट्रेलिया के क्वींसलैंड प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय अब हरिवंश राय बच्चन का नाम से छात्रन के आदान-प्रदान के एगो कार्यक्रम शुरु करी.
  • ‘रा. वन’ के प्रोमो खातिर शाहरुख होमशॉप18 का साथे समझौता कइलन.
  • मौजूदा दौर के फिलिमन में शास्त्रीय संगीत के कमी हेमा मालिनी के अखरेला.
  • प्रसिद्ध पाश्र्वगायिका आशा भोसले के नाम एकल गायन के स्टूडियो में सबले बेसी रिकार्डिग होखला का चलते गिनीज वर्ल्ड रिकार्ड में दर्ज कर लिहल गइल बा.

खेल के खबर

  • वरिष्ठ खेल पत्रकार गौतम साठे के ठाणे शहर में बियफे देर साँझ मिर्गी के दौरा पड़ला का बाद निधन हो गइल.
  • सर्वोच्च न्यायालय शुक का दिने ग्रेटर नोएडा के बुद्ध इंटरनेशनल सर्किट में अक्टूबर का आखिर में होखे जात फार्मूला वन (एफ-1) रेस करावे वाली कम्पनी – जेपी स्पोर्ट्स इंटरनेशनल लिमिटेड के मनोरंजन कर अदा करे के आदेश जारी कर दिहलसि. ई राशि एगो अलग खाता में जमा करावल जाई.
  • कुमार संगकारा (नाबाद 161) आ लाहिरू थिरिमाने (68) दूसरका विकेट ला 153 रन जोड़ के श्रीलंका क्रिकेट टीम के पाकिस्तान का साथे होत पहिला टेस्ट मैच के चउथा दिने मुश्किल से निकाल लिहलें.
  • स्टॉकहोम ओपन में भारत के रोहन बोपन्ना आ पाकिस्तान के एसाम उल हक कुरैशी के जोड़ी पुरुष युगल वर्ग के फाइनल में चहुँप गइल बिया.
  • वेस्टइंडीज का साथ होत पहिलका टेस्ट मैच के पहिला दिने वेस्ट इंडीज चार विकेट के नुकसान पर 255 रन बना लिहलसि. एहमें सलामी बल्लेबाज तमीम इकबाल के 52 रन आ कप्तान मुश्फिकुर रहीम के नाबाद 68 रन शामिल बा.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के मध्यम गति के गेंदबाज उमेश यादव चोट का चलते इंग्लैंड का साथे होत एकदिना श्रृंखला से बाहर हो गइल बाड़े.

%d bloggers like this: