Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर


(अतवार, 23 अक्टूबर)
खास खबर

  • खराब मौसम का चलते सेना के एगो हेलीकाप्टर पाकिस्तानी इलाका में चल गइल रहे जहवाँ ओकरा के जबरिया उतरवा लिहल गइल आ चार गो सैनिक अधिकारियन के रोक लिहल गइल. बाकिर बाद में उच्च स्तरीय दखल का बाद हेलीकाप्टर आ अधिकारियन के वापिस भारत लवटि आवे दिहल गइल. पाकिस्तानी सेना मान लिहलसि कि मौसम का चलते हेलीकाप्टर पाकिस्तानी इलाका में घुस गइल रहे कवनो दोसर मकसद ना रहल.
  • तुर्की के पूर्वी क्षेत्र में अतवार के दिने अइल बड़हन भुकंप से कम से कम एक हजार लोग के मरे के अनेसा बतावल गइल बा. भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पर 7.3 रहल. दक्षिणपूर्वी प्रांत वैन अउर इरसिस समेत कई शहरन में जानमाल के भारी नुकसान भइल बा.
  • मुम्बई एकदिना में भारत इंग्लैंड के छह विकेट से हरा के पांच मैचन के श्रृंखला में 4-0 से अजेय बनल रहल. आजु अतवार का दिने मुंबई में खेलल गइल मैच में भारत के शुरुआत खराब रहल बाकिर सुरेश रैना आ विराट कोहली के बल्लेबाजी का बदौलत भारत छह विकेट से जीत गइल. रैना के मैन आफ द मैच चुनल गइल.

देश

  • अपना जन चेतना यात्रा पर निकलल भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी संप्रग सरकार के अबतकले के सबले भठियारा सरकार बतवले बाड़न. आडवाणी के कर्नाटक यात्रा अपना पूर्व निर्धारित कार्यक्रम मुताबिक होई बाकिर ओहिजा जनसभा के आडवाणी संबोधित ना करीहें. कर्नाटक में येदियुरप्पा समर्थक आडवाणी के विरोध करे के फैसला लिहले बाड़े.
  • श्रमिकन के सुरक्षा के जिम्मेदारी राज्य सरकारन के बा बतावत केंद्रीय श्रम अउर रोजगार मंत्री मल्लिकार्जुन खड़गे अतवार का दिने कहलन कि राज्य सरकार श्रमिकन के सुरक्षा खातिर कानूनी सुधार करसु.
  • केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद के दावा बा कि भारत में पोलियो के बीमारी नियंत्रण में आ गइल बा बाकिर भारत एह बीमारी के हमेशा खातिर खतम करे के लक्ष्य रखले बा.
  • मणिपुर के प्रतिबंधित संगठन ‘पीपुल्स यूनाइटेड लिबरेशन फ्रंट’ के स्वयंभू कमांडर समेत तीन गो लोग के वाहन चोरी का आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • खराब मौसम का चलते सेना के एगो हेलीकाप्टर पाकिस्तानी इलाका में चल गइल रहे जहवाँ ओकरा के जबरिया उतरवा लिहल गइल आ चार गो सैनिक अधिकारियन के रोक लिहल गइल. बाकिर बाद में उच्च स्तरीय दखल का बाद हेलीकाप्टर आ अधिकारियन के वापिस भारत लवटि आवे दिहल गइल. पाकिस्तानी सेना मान लिहलसि कि मौसम का चलते हेलीकाप्टर पाकिस्तानी इलाका में घुस गइल रहे कवनो दोसर मकसद ना रहल.
  • भठियरपन के मामिला में गिरफ्तार कर्नाटक मुख्यमंत्री रहल बी.एस. येदियुरप्पा अबकी के दीवाली जेले में मनइहें अइसन लागत बा. वइसे सोमार का दिने अदालत उनुका जमानत याचिका पर सुनवाई करे वाली बा.
  • कश्मीर घाटी में बर्फबारी से तापमान में गिरावट आइल बा.
  • दुनिया के सबले बड़े विमान एयरबस ए380 के हैदराबाद के राजीव गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाईअड्डा पर अतवार का दिने तकनीकी खराबी अइला का चलते इमरजेन्सी लैँडिंग करे के पड़ल.
  • तेलंगाना राज्य खातिर हड़ताल करत 150 सरकारी कर्मचारियन के नलगोंडा जिला में गिरफ्तार कर लिहल गइल जवना का बाद तनाव अउरी बढ़ गइल बा.
  • गोवा में करोड़ों रुपिया के अवैध खनन घोटाला में लपटाइल सत्तारूढ़ कांग्रेस नइखे चाहत कि एकर जाँच रिपोर्ट जनता का सामने आवे आ ऊ न्यायमूर्ति एम. बी. शाह आयोग के सदस्यन से कहले बिया कि रिपोर्ट के मीडिया में लीक ना करे ऊ लोग.
  • रांची में अतवार का दिने एगो मकान से एगो औरत आ ओकरा बेटा समेत तीन लोग के लाश संदिग्ध हालत में मिलल बा.

दुनिया के खबर

  • तुर्की के पूर्वी क्षेत्र में अतवार के दिने अइल बड़हन भुकंप से कम से कम एक हजार लोग के मरे के अनेसा बतावल गइल बा. भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पर 7.3 रहल. दक्षिणपूर्वी प्रांत वैन अउर इरसिस समेत कई शहरन में जानमाल के भारी नुकसान भइल बा.
  • भारतीय मूल के बॉबी जिंदल दुबारा लुसियाना के गवर्नर चुनाइल बाड़न. चुनाव में केहु उनका के मजगर टक्कर ना दे पावल जबकि नौ जने प्रतिद्वंद्बी मैदान में रहले.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल बेनजीर भुट्टो के महतारी के मौत दुबई में बयासी साल का उमिर में अतवार का दिने हो गइल. पाकिस्तान में दस दिन के सरकारी शोक के एलान कइल गइल बा.
  • लीबिया के कार्यवाहक प्रधानमंत्री महमूद जिबरिल चाहत रहले कि मुअम्मार गद्दाफी जिंदा रहे, जेहसे ओकरा से 42 साल के शासन में लीबिया में भइल दमन के हिसाब लिहल जा सके.
  • लीबिया के अपदस्थ तानाशाह मुअम्मार गद्दाफी के बेटा सैफ अल-इस्लाम अपना बाप के मौत के बदला लेबे के किरिया खइले बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • 14 अक्टूबर के खतम हफ्ता में देश के विदेशी मुद्रा भंडार 5.27 अरब डॉलर बढ़के 317.50 अरब डॉलर हो गइल.
  • धनतेरस से पहिले सोना के बढल खरीददारी से सर्राफा व्यवसायियन के उम्मीद जागल बा कि सोना के दाम अउरी बढ़ी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • जापान के राजधानी टोक्यो में शनिचर का दिने 24 वां अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव के उद्घाटन भइल. एह में 76 देशन के करीब 1000 फिल्म देखावल जाई.
  • अभिनेता शाहरुख खान के कहना बा कि ऊ अपना फिल्म ‘रा वन’ के कुछ अलगा बनावल चाहत रहले बाकिर एक बेर फेर से प्रेमे कहानी बना बईठलन.
  • संगीतकार ए. आर. रहमान के डेनी बोयल के फिल्म ‘127 आवर्स’ में एगो गीत ‘इफ आई राइज’ खातिर ‘पब्लिक च्वाइस एवार्ड’ से सम्मानित कइल गइल. बेल्जियम के जेंट शहर में वर्ल्ड साउंडट्रैक अकादमी हर साल ई पुरस्कार बाँटेले.
  • रिएलिटी शो ‘बिग बॉस’ से मशहूर गायिका आ अभिनेत्री रागेश्वरी लूम्बा बाहर हो गइल बाड़ी. बाहर अइला का बाद उनुकर कहना बा कि घर में बात बात पर झगड़ा हो रहल बा.

खेल के खबर

  • मुम्बई एकदिना में भारत इंग्लैंड के छह विकेट से हरा के पांच मैचन के श्रृंखला में 4-0 से अजेय बनल रहल. आजु अतवार का दिने मुंबई में खेलल गइल मैच में भारत के शुरुआत खराब रहल बाकिर सुरेश रैना आ विराट कोहली के बल्लेबाजी का बदौलत भारत छह विकेट से जीत गइल. रैना के मैन आफ द मैच चुनल गइल.
  • भारत के युकी भाम्बरी लागोस में भइल 15,000 डॉलर इनाम वाला अंतर्राष्ट्रीय टेनिस महासंघ पुरुष एकल चैम्पियनिशप के खिताब जीत लिहले बाड़न.
  • स्टॉकहोम ओपन मे भारत के रोहन बोपन्ना अउर पाकिस्तान के एसाम उल हक कुरैशी के जोड़ी एटीपी स्टॉकहोम टेनिस टूर्नामेंट के पुरुष युगल खिताब जीत लिहलसि.
  • इटली के मोटो जीपी चालक मार्को सिमोंसेली के मलेशियाई ग्रां पी के दूसरका लैप में भइल दुर्घटना में दर्दनाक मौत हो गइल जब उनकर मोटरसाइकिल रेस में शामिल दू गो दोसरा मोटरसाइकिलन से टकरा गइल आ उनुकर हेलमेट उढ़िया गइल.
  • चटगांव टेस्ट में तिसरको दिन के खेल बरखा का चलते ना हो पावल.

%d bloggers like this: