Archives for November 2011
(बुध, 30 नवंबर) सोनपुर मेला में भईंसियन के फैशन परेड मनोज पाठक पटना, 29 नवंबर (आईएएनएस)|. अब ले रउरा फैशन परेड में मरदे भा मेहरारुवने के बिल्ली चाल चलत देखले सुनले होखब बाकिर अबकी बिहार का मशहूर सोनपुर मेला में सजल धजल भईंसियन के फैशल परेड दर्शकन के ताली जम के बिटोरसलि. एह फैशन परेड
(बुध, 30 नवंबर) 65 लाख रुपिया के चंदा से बनल आजमगढ़ में ‘ज्ञान के पुल’ अबु जफर आजमगढ़ (उत्तर प्रदेश), 30 नवंबर (आईएएनएस)| आजमगढ़ जिला में एगो नदी पर गाँव के लोग अपने में चंदा बिटोर के एगो पुल बना लिहल जवना से गाँव के लड़िका बाहर कस्बा जा के बढ़िया पढ़ाई कर सकसु. आजमगढ़
(बुध, 30 नवंबर) देश राष्ट्रपति के पुणे ले जाए वाला जहाज तकनीकी गड़बड़ी से 55 मिनट देरी से उड़ल. भाजपा अध्यक्ष बियफे का दिने सहारनपुर से ‘भाजपा लाओ देश बचाओ’ अभियान के शुरूआत करीहें. मणिपुर का राजधानी इम्फाल में संगाई महोत्सव का प्रवेश द्वार पर एगो बम फटला से एक आदमी के जान चल गइल.
(मंगल, 29 नवंबर) सोमार का दिने बसपा के दलित पिछड़ा भाईचारा सम्मेलन संबोधित करत मुख्यमंत्री मायावती कहली कि राज्य में कबहियो चुनाव के एलान हो सकेला. कांग्रेस पार्टी के लोग हाथी के सपना देख डेराइल बा. राहुल गाँधी के विदेशी दोस्तन खातिर देश में खुदरा व्यापार में विदेशी निवेशकन के नेवतल जात बा जवना से
(मंगल, 29 नवंबर) सीवान जिला के महाराजगंज इलाका में सोमार के देर रात एगो घर पर डकैतन के गोलीबारी आ बमबारी से एक आदमी के जान चल गइल आ दोसर एक आदमी घवाहिल हो गइल. भागलपुर के कहलगांव राष्ट्रीय ताप विद्युत निगम लिमिटेड ईंधन प्रबंधन विभाग के अपर महाप्रबंधक (एजीएम) से एगो आदमी फोन कर
(मंगल, 29 नवंबर) देश 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाला में तिहाड़ जेल में बंद रहल द्रविड़ मुनेत्र कड़गम सांसद कनिमोझी आजु मंगल साँझ के रिहा हो जइहन. काल्हु उनुका समेत पाँच गो आरोपियन के दिल्ली उच्च न्यायालय से जमानत मिल गइल रहे. सीबीआई केहू के जमानत के विरोध नइखे करत. आजुओ, मंगल का दिने, संसद के
(बुध, 23 नवंबर) नीतीश कुमार कहलन कि संसद में मँहगाई का मुद्दा पर विपक्ष के एका केन्द्र सरकार के सही राह देखावे आ ओकरा पर नकेल कसे वाला बा. गया जिला के इमामगंज में पंजाब नेशनल बैंक के रानीगंज शाखा से करीब आठ लाख रुपिया लूट लिहल गइल. बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देबे
(बुध, 23 नवंबर) राहुल गाँधी आजु प्रदेश में अपना पार्टी के चुनाव अभियान चलावत जाति आधारित राजनीति करे वालन के आलोचना कइले. मायावती आ मुलायम का बारे में कहलन कि एह लोग के जमीनी हकीकत मालूम नइखे काहे कि ई लोग जनता से कट चुकल बा. बसपा राहुल के आलोचना करत कहले बिया कि उनुकर
(बुध, 23 नवंबर) देश बुधो का दिन संसद ना चल पावल. कांग्रेस विपक्ष पर दोष लगावत बिया त विपक्ष के कहना बा कि सरकार के जिद्द का चलते गतिरोध बनल बा. विपक्ष चाहत बा कि गृहमंत्री चिदम्बरम के हटावल जाव जेहसे कि टूजी घोटाला के जाँच सही तरीका से हो सके. सरकार एह खातिर तइयार
(मंगल, 22 नवंबर) किशनगंज में अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के शाखा खोले खातिर जमीन के अधिसूचना एक दू दिन में जारी हो जाई. बिहार में हर अनुमंडल में पॉलिटेक्निक खोलल जाई जवना खातिर केन्द्र से तीन करोड़ आ राज्य सरकार से दू करोड़ हर पॉलिटेक्निक खातिर दिहल जाई. अबही बिहार में तेरह गो पॉलिटेक्निक बाड़ी सँ.
(मंगल, 22 नवंबर) राहुल गाँधी फेर आपन आरोप दोहरावत कहले बाड़न कि दिल्ली आ मुंबई के भिखारियन में सबले बेसी भिखारी यूपी के बाड़े. विधानसभा से राज्य विभाजन के प्रस्ताव पारित करे के तौर तरीका पर हर विरोधी दल आपत्ति कइले बा. सपा के कहना बा कि ऊ राज्य के विभाजन कवनो हालत में ना
(मंगल, 22 नवंबर) देश हंगामा का चलते संसद के शीतकालीन सत्र मंगल का दिने ना चल सकल जवना खातिर कांग्रेस भाजपा पर दोष लगवले बिया. पशु अधिकार खातिर काम करे वाला समूह पेटा इंडिया दिल्ली उच्च न्यायालय से अपील कइले बा कि तिहाड़ जेल में कैदियन के मांसाहार दिहल बंद करावल जाव. कहलन कि कैदियन
(शनिचर, 19 नवंबर) मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शनिचर का दिने मुजफ्फरपुर में कहले कि विधानसभा के शीतकालीन सत्र में सात दिस्मबर के लोकायुक्त विधेयक पेश कर दिहल जाई. एहसे पहिले एगो सर्वदलीय बइठक बोलावल जाई जवना में मिलल राय के विधेयक में शामिल कइल जाई. अरवल जिला के परासी थाना इलाका में सूर्य मंदिर का नियरा
(शनिचर, 19 नवंबर) अदालत का निर्देश पर सीबीआई उत्तर प्रदेश में राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन में धांधली से जुड़ल पांच गो मामिला दर्ज कर लिहल गइल बा. आजमगढ़ के जिला अदालत मेहनाजपुर इलाका के तियरा एकबालपुर में एगो लड़िकी के बलात्कार कइला का बाद हत्या कर देबे वाला दू गो हत्यारन, राम अवतार आ अरविन्द,
(शनिचर, 19 नवंबर) देश भठियरपन का मामिला में पिछला दू साल से जेल में बंद झारखण्ड के दू गो पूर्व मंत्रियन पर हेराफेरी के आरोप तय हो गइल. भठियरपन आ करिया धन का खिलाफ अपना जन चेतना यात्रा के अंतिम दौर में गाजियाबाद चहुँपल भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी कहले कि अगिला साल 2012 जवाबदेही के
(शुक, 18 नवंबर) पटना के दानापुर इलाका में गंगा किनारे कचहरी घाट से एगो नरकंकाल बरामद भइल बा जवना के आठ दिन पहिले लापता भइल स्कूली छात्र अनंत कुमार उर्फ शुभम के बतावल जात बा, पटना के ‘राष्ट्रीय पुस्तक मेला’ में एह साल यौन सम्बंधी किताबन के बिक्री खूब भइल. एहसे उत्साहित ‘नेशनल बुक ट्रस्ट’
(शुक, 18 नवंबर) भट्टा-पारसौल बलात्कार कांड में 30 जने के नामजद करे के आदेश दिहलसि नोएडा के एगो अदालत. केंद्रीय कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल कहले बाड़न कि कांग्रेसी नेता लोगन पर दर्ज मुकदमा वापिस लिहल जाव ना त पार्टी आंदोलन करी. भाजपा के आरोप बा कि आपन आपन घोटाला लुकावे खातिर कांग्रेस आ बसपा में
(शुक, 18 नवंबर) देश ‘टाइम्स नाऊ’ पर लगावल एक सौ करोड़ रुपिया के जुर्माना मीडिया खातिर नुकसानदेह बतवलसि भारतीय प्रसारण संघ. मानहानि के एगो मामिला में समाचार चैनल ‘टाइम्स नाऊ’ पर 100 करोड़ रुपिया के जुर्माना मुम्बई उच्च न्यायालय लगवलसि जवना के बदले से सुप्रीमकोर्ट इंकार कर दिहलसि. एह मामिला में सर्वोच्च न्यायालय के एगो
(बियफे, 17 नवंबर) गया जिला में दिमागी बुखार से 84 दिन में 84 बच्चन के मौत हो गइल बा. पटना हाई कोर्ट एह बारे में बिहार सरकार से जबाब मँगले बा. ‘विकिपीडिया’ सम्मेलन में व्याख्यान देबे जइहन पटना के ‘सुपर 30’ के आनंद कुमार. आरा में कई जगहा रेल आ सड़क यातायात के बाधित करत
(बियफे, 17 नवंबर) भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी केकहना बा कि हड़बड़ी में नया राज्यन के गठन ना कइल जाव. कांग्रेस के प्रदेश प्रवक्ता आ महासचिव सुबोध श्रीवास्तव पार्टी के सगरी पद से आपन इस्तीफा दे दिहले काहे कि पार्टी उनुका के विधानसभा के टिकट ना दिहलसि. सुबोध पर कबो कवनो तरह के आरोप नइखे लागल.
Older Posts››