Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

उत्तर प्रदेश के खबर


(बुध, 2 नवंबर)

  • लखनऊ के सवा सौ साल पुरान आईटी कॉलेज के स्थापन दिवस समारोह के संबोधित करत राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटिल कहली कि महिला सशक्तिकरण खातिर शिक्षा पर जोर दिहल जरूरी बा. लड़िकियन के बोझ समुझे वाला मनोवृति खतम होखे के चाहीं. लखनऊ चहुँपला पर उनुका स्वागत में राज्यपाल आ मुख्यमंत्री मौजूद रहल लोग.
  • प्रदेश में चलत मतदाता सूची पुनरीक्षण का काम में अगिला आठ नवम्बर के सगरी तहसील पर आ एगारह नवम्बर के जिला मुख्यालयन पर विशेष शिविर लगावल जाई जहाँ मतदाता पंजीकरण के काम कइल जाई.
  • कांग्रेस महासचिव राहुल गाँधी आजुवो कई गाँवन में चौपाल लगा के किसानन से ओह लोग के समस्या जाने समुझे के काम कइले. आजु ऊ मिर्जापुर, जौनपुर आ संत रविदास नगर में चौपाल लगवले.
  • आजमगढ़ के मंझारी बाजार में एगो छात्रा निजी बस से कचरा के मर गइल जवना का बाद खिसियाइल लोग एगो पुलिस चौकी आ जीप फूंक दिहल. पुलिस के फायरिंग करे के पड़ल जवना में छह लोग घवाहिल हो गइले.
  • उर्जा मंत्री रामवीर उपाध्याय का खिलाफ लोकायुक्त जाँच शुरू हो गइल बा. मंत्री पर जानल आमदनी से बेसी के संपति बिटोरे के आरोप बा. मंत्री के कहना बा कि ई उनुकर छवि बिगाड़े के राजनीतिक षडयंत्र हवे.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: