(बुध, 2 नवंबर)
देश
- केन्द्र सरकार राष्ट्रीय शिक्षा मिशन का तहत देश भर के सगरी विश्वविद्यालय, विश्वविद्यालय स्तर के संस्थान, निजी विश्वविद्यालय, पचीस हजार कॉलेज आ दू हजार पोलिटेकनिक संस्थानन के एक साथ नेटवर्क से जोड़े के योजना बनवले बिया. एकर मकसद बा विद्यार्थियन के बेहतर शिक्षा व्यवस्था दीहल.
- टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल कहले बाड़न कि देखे के बा कि केन्द्र सरकार उत्तराखण्ड के लोकायुक्त विधेयक के मंजूरी देत बिया कि ना.
- साल तिरानबे के मुंबई सिलसिलेवार बम धमाका में मौत के सजा पवले याकूब अब्दुल रज्जाक मेनन के फाँसी के सजा सुनावल गइल बा. बुध का दिने रज्जाक मेनन के वकील सुप्रीम कोर्ट से कहले कि रज्जाक के अपना भाई टाइगर मेनन के करतूत के सजा भुगते खातिर मजबूर ना करे के चाहीं.
- जी20 सम्मेलन में शामिल होखे प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह फ्रांस के शहर कान पहुंच गइले.
- मधु कोड़ा पर कैदियन के भड़कावे के मामिला पुलिस दर्ज कइले बिया. एही मामिला में कोड़ा के हाथ टूट गइल बा.
- रीयर एडमिरल ए.के. वर्मा बुध का दिने गार्डेन रीच शिपबिल्डर्स एंड इंजीनियर्स लिमिटेड के नया अध्यक्ष सह प्रबंध निदेशक के कार्यभार सम्हार लिहले.
- सेना अपना महिला अधिकारियन के प्रोन्नति देबे पर विचार करत बिया.
- तमिलनाडु में डीएमके सरकार के बनावल अन्ना जन्मशती पुस्तकालय के सुपर स्पेशियलिटी बाल अस्पताल बना देबे के घोषणा मुख्यमंत्री जयललिता मंगल का दिने कर दिहली.
- ममता के फेर उनुका पार्टी तृणमूल कांग्रेस के अध्यक्ष बनावल गइल बा.ममता के कहना बा कि उनुकर पार्टी अपना के राष्ट्रीय पार्टी बनावे का दिसाईं काम करी.
- मॉडल जेसिका लाल हत्या काण्ड के आरोपी मनु शर्मा अपना भाई के शादी में शामिल होखे खातिर बारह दिन के पैरोल मंगले बा. मनु शर्मा के उमिर कैद के सजा सुनावल गइल बा.
- दक्षिण कोलकाता के लोकसभा सीट पर उपचुनाव तीस नवम्बर के करावल जाई. एहमें सुब्रत बक्शी तृणमूल कांग्रेस के उम्मीदवार रहीहें.
- उत्तराखण्ड में भाजपा सरकार के लोकायुक्त गठन विधेयक पारित होखला पर केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद स्वागत कइलन त दिग्गी एकरा के कवनो बड़ बाति नइखन मानत.
दुनिया के खबर
- परमाणु संयंत्र बनावे में बंग्लादेश के मदद करी रूस. एह बात के समझौता पर आजु ढाका में दस्तखत हो गइल.
- संयुक्त राष्ट्र महासचिव बान की-मून आ महासभा के अध्यक्ष नासिर अब्दुल अजीज अल-नज्जर बुध का दिने लीबिया के औचक दौरा कइलन.
- पाकिस्तान आखिरकार भारत के ‘सर्वाधिक तरजीही राष्ट्र’ के दर्जा दे दिहलसि.
- असांज के स्वीडन प्रत्यर्पण का खिलाफ उनुकर अपील लंदन उच्च न्यायालय खारिज कर दिहलसि. अब दस दिन का भितरे उनुका के स्वीडन प्रत्यर्पित कर दिहले जाइ.
- अमेरिका दुनिया के सबले बढ़िया जॉइंट स्ट्राइक फाइटर समेत उच्च दर्जे के प्रौद्योगिकी देबे के पेशकश कइले बा.
- अमेरिका खातिर भारत के रणनीतिक महत्व अउरी बढ़ी.
- हिलेरी क्लिंटन के महतारी मर गइली. ऊ बानबे साल के रहली आ पिछला कुछ समय से बीमार चलत रहली.
- चीन के पश्चिमोत्तर प्रांत गांसू में बुध का दिने भूकम्प के झटका महसूस कइल गइल.
व्यापार व्यवसाय के खबर
- थाईलैंड में आइल बाढ़ का चलते होंडा के नोएडा कारखाना में उत्पादन घटावल गइल बा.
- मुम्बई में अमेरिकी वाणिज्य दूतावास बांद्रा-कुर्ला परिसर में स्थानांतरित कर दिहल जाई.
- एयर इंडिया अपना पायलटन के हड़ताल रोके खातिर बोइंग 787 ड्रीमलाइनर विमान उड़ावे के प्रशिक्षण कार्यक्रम एक महीना खातिर टार दिहलसि.
- भारत-पोलैंड का बीच फिल्म निर्माण समझौता पर चर्चा भइल.
- रेलवे अधिकारियन आ निजी विक्रेतन का खींचतान का चलते पिछला दू साल से आगरा रेल स्टेशन पर पेठा नइखे बिकात.
- इलाहाबाद बैंक के शुद्ध लाभ 21.22 फीसदी बढ़ल.
- बुध का दिने शेयर बाजार के रूख मिल-जुलल रहल.
- बजाज ऑटो के बिक्री अक्टूबर में 7 फीसदी बढ़ल.
- भारत से बिजली खरीदल चाहत बा पाकिस्तान.
मनोरंजन का दुनिया से
- टेलीविजन अभिनेत्री श्वेता तिवारी पर फिल्मावल आयटम सांग ‘मिले ना मिले हम’ धूम मचवले बा बाकिर कंगना रानाउत के एकर कवनो अफसोस नइखे.
खेल के खबर
- पाक खिलाड़ियों के दोषी करार दिहल बेइमान खिलाड़ियन खातिर एगो सबक बा, कहले इंग्लैंड के पूर्व कप्तान इयान बॉथम.
- पूनम रानी के देश के जूनियर हॉकी टीम के कमान धरा दिहल गइल बा. ऊ राजधानी के मेजर ध्यानचंद नेशनल स्टेडियम में 8 से 12 नवम्बर तक होखे जात चार देशन के जूनियर लाल बहादुर शास्त्री हॉकी टूर्नामेंट में भारतीय टीम के कप्तानी करीहें.
- सैफ कप फुटबाल टूर्नामेंट में भारत आ पाकिस्तान अलगा-अलगा ग्रुप में राखल गइल बाड़े.
- मीरपुर टेस्ट में मिलल जीत के वेस्टइंडीज कप्तान डेरेन सैमी पूरा टीम के प्रयास का चलते भइल बतवले बाड़न.
- भटिंडा में होखत विश्व कप कबड्डी में भारत के पहिला मुकाबला जर्मनी से होई.
- मीरपुर टेस्ट में वेस्टइंडीज बांग्लादेश के 229 रन से हरा के श्रृंखला पर काबिज हो गइल.
- अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ मंगल का दिने जवम वर्ल्ड रैंकिग जारी कइले बा ओहमें भारत के पुरुष टीम 10वाँ आ महिला टीम 13वाँ स्थान पर बावे.
- भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी अउर ओलंपिक स्वर्ण पदक विजेता निशानेबाज अभिनव बिंद्रा के मंगल का दिने आर्मी में लेफ्टिनेंट कर्नल के मानद दर्जा दिहल गइल.