web analytics

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 6 नवंबर)
देश

  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित स्कूलन के ‘तम्बाकू मुक्त क्षेत्र’ बनावे खातिर अतवार का दिने एगो कैंसर जागरूकता रैली के झंडी देखा के रवाना कइली.
  • भठियरपन का मुद्दा पर संप्रग अध्यक्षा सोनिया गांधी के चुप्पी पर भाजपा नेता आडवाणी के तल्ख टिप्पणी पर दिग्विजय सिंह सवाल कइले बाड़न कि कहीं आडवाणी के भुलाये के बेमारी त नइखे हो गइल.
  • सर्वोच्च न्यायालय परिसर में साइकिल चोरी कर के भागत एगो बीस साल के आदमी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • मध्य प्रदेश के उज्जैन रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म संख्या दू पर स्थित कैंटीन में गैस सिलिंडर में विस्फोट का चलते बाद आग लाग गइल जवना से टिसन पर अफरातफरी मच गइल.
  • पश्चिम बंगाल के सरकारी अस्पताल में एगो चिकित्सक ड्यूटी का दौरान शराब का नशा में मिलला पर निलम्बित कर दिहल गइल आ ओकरा खिलाफ केस दर्ज कर लिहल गइल.
  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के जनचेतना यात्रा अतवार का दिने गुजरात चहुँपल जहाँ उनुका स्वागत के बढ़िया इन्तजाम मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी कइले. सभा के दुनु जने संबोधित कइले. कुछ मीडिया के कहना बा कि मोदी के स्वागत सिमसिमाह रहल.
  • निर्वाचन आयोग उम्मीदवारने के दिहल जाये वाला चुनाव चिह्न सूची से रोडरोलर के हटावे के निर्देश दिहले बा. हरियाणा जनहित कांग्रेस के आवेदन पर आयोग ई फैसला लिहलसि जेकर चुनाव चिह्न रोडरोलर ह.
  • सीबीआई जाँच में खुलासा भइल बा कि लापता भँवरी देवी के संबंध निलम्बित मंत्री महिपाल मदेरणा का अलावे तीन गो दोसरो मंत्रियन से रहुवे.
  • अतवार का दिने दिल्ली पुलिस मुख्यालय के उड़ावे के झूठ फोन कॉल का बाद मुख्यालय भवन में पूरा जांच पड़ताल कइल गइल.
  • हिमाचल प्रदेश में पिछला महीना दुर्घटनाग्रस्त भइलहुए मिग-29 लड़ाकू विमान के पायलट के लाश के अवशेष मिलला का बाद ओकरा मौत के पुष्टि हो गइल.
  • मध्य प्रदेश के छिंदवाड़ा में एगो बैंक अधिकारी आ ओकरा प्रेमिका के धारदार हथियार से हत्या कर दिहल गइल बा. हत्यारन के कवनो सुराग नइखे मिलल.
  • कांग्रेस के महासचिव दिगविजय सिहं के कहना बा कि अन्ना हजारे के कुछ लोग अपना मतलब खातिर इस्तेमाल करत बा.
  • दोसरा के बखिया उधेड़े वाला मीडिया प्रेस काउंसिल ऑफ इंडिया के अध्यक्ष न्यायमूर्ति मार्कण्डेय काटजू के टिप्पणी से छनछना गइल बा.
  • हरिद्वार में आयोजित गायत्री महाकुँभ देख के केंद्र आ राज्य सरकार के मंत्री लोग मान लिहल कि सरकारन के भीड़ प्रबंधन के कला एह ‘गायत्री महाकुम्भ’ के आयोजकन से सीखे के चाहीं.
  • दिल्ली में कुर्बानी के बकरा डेढ़ लाख में बिकाइल. हालांकि पिछला साल एगो बकरा साढ़े चार लाख में बिकाइल रहुवे. कहल जाला कि दू भा चार दाँत वाला बकरा कुरबानी खातिर सबले बेहतर होले जबकि छह दांता वाला बकरा एह काम खातिर बूढ़ आ बेकार होलें.
  • इंडिया अगेंस्ट करप्शन के कार्यकर्ता अरविंद केजरीवाल के नागपुर में एगो बईठक में करिया झंडा देखावल गइल जवना का बाद केजरीवाल के समर्थक झंडा देखावे वालन के धून दिहलन.
  • मध्य प्रदेश में सत्तारूढ़ भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के हरदा नगर पालिका अध्यक्ष पद का चुनाव में हार मिलल बा. कांग्रेस के संगीता बंसल भाजपा के साधना जैन के 117 वोट से हरा दिहली. हालांकि 30 वार्ड में 20 गो भाजपा जीतल बिया.

दुनिया के खबर

  • नाइजीरिया में इस्लामिक उग्रवादियन के हमला में कम से कम 69 लोग के जान चल गइल बा. एह हमला के संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद घोर निन्दा कइले बा.
  • सैकड़ों लीबियाई लड़ाका शनिचर का दिने राजधानी त्रिपोली में प्रदर्शन कर के सत्ताधारी राष्ट्रीय अंतरिम परिषद से तनखाह मँगले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • दुनिया के सबले बड़हन रक्षा सौदा से भारत के इंकार कर दिहला का बाद अमेरिका अब दोसर रक्षा सौदा हासिल करे खातिर भारत के लुभावे के कोशिश करे में लागल बा.
  • राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम के कहना बा कि तमिलनाडु में तिरुनेलवेली जिला में बने वाला कुडनकुलम परमाणु परियोजना पूरा सुरक्षित होखी आ एकर बनल लोग का फायदा में रही.
  • संयुक्त राष्ट्र के एगो विशेषज्ञ के कहना बा कि आपदा का चलते भारत के हर साल 86,000 करोड़ रुपिया के नुकसान हो जाला.

मनोरंजन का दुनिया से

  • शाहरुख खान के कंपनी के फिल्म ‘आलवेज कभी कभी’ से अपना फिल्मी करियर के शुरूआत करे वाली बॉलीवुड अभिनेत्री जोआ मोरानी के एगो नया फिल्म खातिर साइन कइल गइल बा जवना के निर्देशन श्याम बेनेगल करीहें.
  • सलमान खान अभिनीत फिल्म ‘गर्व’ के सात साल बाद अभिनेता-निर्देशक पुनीत इस्सर फिल्म ‘आई एम सिंह’ के निर्देशन का साथ फेर से वापसी करत बाड़न. ई फिल्म विदेश में रहे वाला भारतीयन का साथे होखे वाला भेदभाव आ नस्लवाद पर आधारित होई.
  • फिल्म निर्देशक शुभ मुखर्जी के पहिला फिल्म ‘शक्ल पे मत जा’ न्यूयार्क में नौ नवम्बर से होखे वाला दक्षिण एशियाई फिल्म महोत्सव में देखावल जाई.
  • शर्मिला टैगोर आ शाहरुख खान 17वां कोलकाता फिल्म महोत्सव के उद्घाटन करीहें जवना के शुरुआत 10 नवम्बर से होखी.
  • बॉलीवुड अभिनेता अर्जुन रामपाल के कहना बा कि उनुका अपना टेलीविजन शो ‘लव टू हेट यू’ के शूटिंग लेके घबराहट होत बा काहे कि उनुका खातिर ई नया अनुभव बा.

खेल के खबर

  • अतवार का दिने भारत वेस्ट इंडीज के पहिला टेस्ट में टॉस जीत के वेस्ट इंडीज पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइलसि आ खेल खतम होखे का बेरा पाँच विकेट का नुकसान पर 256 रन बना लिहलसि. आजु अतवार होखला का बावजूद फिरोज शाह कोटला मैदान दर्शकन के बाटे जोहत रह गइल.
  • कबड्डी विश्व कप में भारत के लगातार तिसरकी जीत आस्ट्रेलिया के हरा के मिलल.
  • कैच बिहाइन्ड द विकेट लेबे में महेन्द्र सिंह धौनी देश के सबले सफल विकेट कीपर बन गइल जब ऊ विकेट का पीछे 200 कैच ले लिहलन. एहसे पहिले सैयद किरमानी के रिकार्ड 198 कैच लिहला के रहुवे.
  • रणजी ट्रॉफी में दिल्ली आ हरियाणा के मैच अतवार का दिने ड्रॉ हो गइल. आ मुम्बई रेलवे के दस विकेट से हरा दिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: