(मंगल, 8 नवंबर)
- बिहार में पंचायत के खाली पड़ल चौदह हजार एक सौ चउवालीस पद खातिर उपचुनाव के अधिसूचना बुध का दिने जारी कइल जाई. मतदान चार दिसम्बर के करावल जाई.
- कैमूर जिला के जिला स्वास्थ्य समिति के बरखास्त कार्यक्रम प्रबंधक आ लेखा प्रबंधक का खिलाफ भभुआ थाना में छह करोड़ रुपिया के घोटाला के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
- दुनिया भर में मशहूर सोनपुर मेला बुध का दिने शुरू होखे जा रहल बा. एक महीना चले वाला एह मेला के उद्घाटन राजस्व आ भूमि सुधार मंत्री रमई राम करीहें.
- रोहतास जिला के अकोढ़ी गोला इलाका के शिवपुर गाँव से कट्टर माओवादी दुलारचंद यादव के एगो मुठभेड़ का बाद पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
- पश्चिमी चंपारण के बगहा इलाला से पुलिस पाँच गो अपराधियन के असलहा का साथे गिरफ्तार कर लिहले बिया.
- सिवान जिला के भगवानपुर हाट इलाका में सोमार का रात पारिवारिक विवाद में एगो 17 साल के औरत के जरा दिहल गइल.
- मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के ‘सेवा यात्रा’ बुध का दिने पश्चिम चम्पारण जिला से शुरू होई. एह यात्रा के मकसद ई जाने के बा कि सरकार के कल्याणकारी योजना के असली लाभ जनता ले चहुँपत बा कि ना.