(शुक, 11 नवंबर)
- कार्तिक पूर्णिमा आ गुरुनानक देव के प्रकाशोत्सव काल्हु हर जगहा हंसी खुशी मनावल गइल. लाखों का संख्या में लोग नदी तालाब आ सरोवर में स्नान कर के आ दान कर के पुण्य कमाइल.
- आजु प्रदेश भर में जिला मुख्यालयन पर मतदाता शिविर लगावल गइल बा जहाँ अबहीं ले छूटल फटकल लोग आपन नाम मतदाता सूची में चढ़वा सकेला. आजु का बाद से ई विशेष अभियान थम जाई आ ओकरा बाद जवन नया नाम चढ़ी तवन अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव में कामे ना आई. एह चुनाव खाति अंतिम मतदाता सूची के प्रकाशन दू जनवरी के कइल जाई. अबहीं ले राज्य भर में सैंतीस लाख लोग नाम चढ़वावे के आवेदन दे चुकल बा.
- मंगल का दिने एगो मरीज के परिजन से भइल झगड़ा का बाद गोरखपुर मेडिकल कॉलेज के जूनियर डाक्टर हड़ताल पर चल गइल रहलें. काल्हु रात अस्पताल प्रशासन, जिला प्रशासन आ जूनियर डाक्टरन का बीच भइल बातचीत का बाद हड़ताल खतम कर दिहल गइल. अस्पताल में कड़ा सुरक्षा व्यवस्था का साथ साथ इलाज के बेहतर सुविधा आ सामान के इंतजाम कइल जाई.
- रामपुर जिला में बियफे देर साँझ पुलिस साठ हजार रुपिया के जाली नोटन का साथ एगो आदमी के गिरफ्तार कर लिहलसि.
- अतवार का दिने होखे जा रहल शिक्षक पात्रता परीक्षा खातिर सगरी इंतजाम कर लिहल गइल बा. जे लोग के अबही ले प्रवेश पत्र नइखे मिलल से अपना जिला में लगावल केन्द्र से प्रवेश पत्र काल्हु आ परसो ले सकेले. एकरा खातिर ओह लोग के दू गो फोटो, रजिस्ट्री के रसीद, फोटो पहचान पत्र आ आवेदन पत्र में लगावल अभिलेख का साथे कार्यालय में आवे के पड़ी. परीक्षा दू पाली में करावल जाई, सबेरे साढ़ दस बजे से आ दुपहरिया दू बजे से.
- मायावती सरकार के चार गो मंत्रियन का खिलाफ भठियरपन के आरोप सही ना मिलला पर जाँच बंद कर दिहल गइल बा. नारायण सिंह, लालजी वर्मा, राम प्रसाद चौधरी आ नंद गोपाल नंदी के अब राहत मिल गइल बा बाकिर राकेशधर त्रिपाठी, रामवीर उपाध्याय, चौधरी लक्ष्मी नारायण आ अवधपाल का खिलाफ जाँच जारी बा. एगो मंत्री रतनलाल अहिरवार के नोटिस भेजल गइल बा.
- जौनपुर जिला के स्वतंत्रता सेनानी पंडित सुधाकर मिश्र के बियफे का दिने निधन हो गइल. उनुकर अंतिम संस्कार बनारस में मणिकर्णिका घाट पर करा दिहल गइल. मिश्र जी तिरानबे साल के रहले.