web analytics

उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 17 नवंबर)

  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी केकहना बा कि हड़बड़ी में नया राज्यन के गठन ना कइल जाव.
  • कांग्रेस के प्रदेश प्रवक्ता आ महासचिव सुबोध श्रीवास्तव पार्टी के सगरी पद से आपन इस्तीफा दे दिहले काहे कि पार्टी उनुका के विधानसभा के टिकट ना दिहलसि. सुबोध पर कबो कवनो तरह के आरोप नइखे लागल. प्रदेश अध्यक्ष रीता बहुगुणा के कहना बा कि सुबोध के समुझावे के कोशिश करीहें.
  • प्रदेश सरकार अदालत में अर्जी लगवले बिया कि निकाय चुनाव करावे खातिर अउरी समय दिहल जाव. अदालत पहिले 31 अक्टूबर आ बाद में 16 नवम्बर ले अधिसूचना जारी करे के कहले रहुवे.
  • भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन गडकरी आजु अयोध्या में कहलन कि अगर भाजपा के सरकार बनल त उत्तर प्रदेश के तकदीर बदल दिहल जाई आ पांच साल में 50 लाख रोजगार के अवसर पैदा कर दिहल जाई.
  • जयराम रमेश मुख्यमंत्री मायावती के चिट्ठी लिख के सात गो जिला में मनरेगा में भइल गड़बड़ी के सीबीआई जाँच करावे के कहले बाड़न. भाजपा एह माँग के समर्थन कइले बिया.
  • एगो समाजवादी कार्यकर्ता के पिटाई करे वाला दू गो केन्द्रीय मंत्री आर पी एन सिंह आ जितिन प्रसाद गिरफ्तारी से बाचे खातिर हाई कोर्ट में याचिका लगलवे बाड़े.
  • गोरखपुर के गुलरिहा इलाका में नारायणपुर गाँव में एगो बाप अपना बेटी आ ओकरा प्रेमी के गरदन काट के हत्या कर दिहलसि. पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • बनारस में डीरेका मजदूर संघ अपना माँग का समर्थन में सोलह नवम्बर के गेट मीटिंग कइलसि आ तेईस नवम्बर के दिल्ली में होखे वाला रैली में चले के गोहार लगवलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: