web analytics

उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 19 नवंबर)

  • अदालत का निर्देश पर सीबीआई उत्तर प्रदेश में राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन में धांधली से जुड़ल पांच गो मामिला दर्ज कर लिहल गइल बा.
  • आजमगढ़ के जिला अदालत मेहनाजपुर इलाका के तियरा एकबालपुर में एगो लड़िकी के बलात्कार कइला का बाद हत्या कर देबे वाला दू गो हत्यारन, राम अवतार आ अरविन्द, के फाँसी के सजा सुनवले बिया. दुनु ओह लड़िकी के बापो के पीट पीट के मुआ दिहले रहले.
  • बसपा सरकार के मंत्री रहल बाबू सिंह कुशवाहा शनिचर का दिने आरोप लगवलन कि एगो मंत्री आ कुछ अधिकारियन से उनुका जान के खतरा हो गइल बा. एकरा बाद बसपा उनुका के पार्टी से निकाल बाहर कइले बिया. बाबू लाल कुशवाहा पर धाँधली आ भठियरपन के आरोप लागे लागल बा.
  • मुख्यमंत्री मायावती शनिचर के केंद्र सरकार पर आरोप लगवली कि मनरेगा का बहाने उनुका सरकार के निशाना बनावत बिया.
  • बसपा के दू गो विधायक दशरथ प्रसाद चौहान आ जितेन्द्र कुमार बबलु के विधानसभा सदस्यता खतम कर दिहल गइल. एह लोग पर दल बदल कानून का चलते ई कार्रवाई भइल बा.
  • गाजियाबाद जिला में शुक का रात एगो विवाह समारोह में शामिल होखे आइल गिरोह सरगना पर कुछ बंदूकधारी हमला कर दिहले. एह हमला में तीन जन के मौत हो गइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: