web analytics

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 22 नवंबर)
देश

  • हंगामा का चलते संसद के शीतकालीन सत्र मंगल का दिने ना चल सकल जवना खातिर कांग्रेस भाजपा पर दोष लगवले बिया.
  • पशु अधिकार खातिर काम करे वाला समूह पेटा इंडिया दिल्ली उच्च न्यायालय से अपील कइले बा कि तिहाड़ जेल में कैदियन के मांसाहार दिहल बंद करावल जाव. कहलन कि कैदियन के शकाहार दिहला से ओह लोग का व्यक्तित्व में ‘असाधारण परिवर्तन’ आ सकेला.
  • टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल आ किरण बेदी संसद के शीतकालीन सत्र में लोकपाल विधेयक पारित करावे खातिर दबाव बनावे का मकसद से मंगल का दिने भाजपा नेता अरुण जेटली से मुलाकात कइल लोग.
  • मेघालय में अगवा अधिकारी आ दू गो व्यापारियन के रिहाई खातिर सुरक्षा बल के अभियान जारी बा.
  • आपन नया ब्लॉग शुरु करत अन्ना हजारे व्यापारियन से गोहार लगवले बाड़न कि ऊ लोक आदर्श गाँव बनावे खातिर आपन योगदान देव. हालांकि पियक्कड़न के पिटाई करे के उनुका गोहार के जम के आलोचना होखत बा.
  • सुरक्षा का मद्दे नजर 2जी घोटाला के सुनवाई अब तिहाड़ जेल परिसरे में होखल करी.
  • मध्य प्रदेश शासन के हिन्दुस्तानी शास्त्रीय संगीत खातिर दिहल जाये वाला प्रतिष्ठित राष्ट्रीय तानसेन सम्मान अबकी विख्यात गायिका सविता देवी के नौ दिसंबर के ग्वालियर में आयोजित समारोह में दिहल जाई.
  • बाघ बचावे खातिर ग्रीन पीस नाम के संगठन कहले बा कि बाघ वाला इलाकन में कवनो नया खदान मत खोले दिहल जाव काहे कि एहसे बाघन के घूमे वाला जगहा कम होखल जात बा.
  • केंद्रीय संस्कृति मंत्री शैलजा के कहना बा कि ताजमहल के कवनो तरह के पर्यावरण खतरा नइखे.
  • झारखण्ड का गिरीडीह जिला में मंगल का भिनसहरा हावड़ा-देहरादून एक्सप्रेस के दू गो वातानुकूलित डिब्बा में आग लगला से एगो आस्ट्रेलियाई महिला समेत सात लोग के मौत हो गइल. रेल मंत्रालय पाँच पाँच लाख रुपिया के मुआवजा के एलान कइले बा.
  • संसद के लोक लेखा समिति के अध्यक्ष मुरली मनोहर जोशी सगरी पीएसी सदस्य के चिट्ठी लिख के कहले बाड़न कि ऊ लोग भारत के नियंत्रक अउर महालेखा परीक्षक विनोद राय से माफी मांगे.
  • जनता पार्टी के अध्यक्ष सुब्रमण्यम स्वामी आपन आरोप फेर दोहरवले बाड़न कि 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन के दाम साल 2001 का दर पर करे के फैसला तब के केंद्रीय वित्त मंत्री पी. चिदम्बरम आ केंद्रीय दूरसंचार मंत्री ए. राजा मिल के कइले रहलें.
  • भोपाल के राष्ट्रीय उद्यान वन विहार में बाघिन ‘बसनी’ के महतारी बनला के खुशी देर तक ना रह सकल काहे कि एगो शावक मरल पैदा भइल त दोसरका जनम का बाद मर गइल.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका में पाकिस्तान के राजदूत हुसैन हक्कानी मंगल का दिने प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी के आपन इस्तीफा सँउप दिहलन.
  • मिस्र के तहरीर चौक पर फेर बड़हन प्रदर्शन करे खातिर जुटे के गोहार लगावल गइल बा. पिछला दिने एहीजा पुलिस के कार्यवाही से कम से कम तैंतीस गो लोग के मौत भइल रहे.
  • तिब्बत के हालात के चिंताजनक बतवलसि स्विट्जरलैंड. कहलसि कि आत्मदाह के घटनन से पता चलत बा कि ओहिजा लोग कतना निराश बा.
  • अमेरिका गलती मनलसि. कहलसि कि अपना नक्शा में भारतीय इलाका देखावे में सुधार ले आई.
  • दक्षिण कोरिया के एगो व्यावसायिक पोत हांगकांग का नियरा समुद्र में डूब गइल. पोत पर सवार एकइस लोग में से पांच जने के बचा लिहल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • फ्रांस के रक्षा, अंतरिक्ष अउर परिवहन क्षेत्र के कम्पनी थेल्स अपना भारतीय कारोबार के प्रबंध निदेशक एरिक लेंसिन के बनवलसि.
  • विमानन कम्पनी जेट एयरवेज के लेखा परीक्षक के कहना बा कि कम्पनी के आपन देनदारी चुकावे खातिर नकदी जुटावे के जरुरत बा.
  • प्रमुख दूरसंचार कम्पनीआ भारती एयरटेल, वोडाफोन अउर आईडिया सेल्युलर के कहना बा कि अगर 3जी इंट्रा सर्किल रोमिंग मुद्दा पर समझौता नइखे करे दिहल जात त सरकार के चाहीं कि ऊ 3जी लाइसेंस शुल्क लवटा देव.
  • मंगल का दिने रुपया के दाम में ऐतिहासिक गिरावट का बाद 52.73 रुपिया प्रति डॉलर हो गइलो पर सरकार के कहना बा कि ई दुनिया के हालात का चलते भइल बा आ एहसे देश के निर्यातकन के फायदा होई. हालांकि बतावल जात बा कि एहसे देश में महँगाईओ बढ़ी काहे कि तेल आयात खातिर कम्पनियन के अब बेसी भुगतान करे पड़ी.
  • एयर इंडिया आपन आमदनी बढ़ावे खातिर एयरबस विमानन में किफायती श्रेणी के सीट के गिनिती बढ़ा सकेले.
  • आरबीआई फेर इशारा कइलसि कि महंगाई पर मौद्रिक सख्ती आगहू जारी राखी.
  • मंगल का दिने शेयर बाजारों में तेजी लउकल आ सेंसेक्स 119 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • पाकिस्तान में विदेशी निवेश में साल के पहिला चार महीना में 58 फीसदी के गिरावट आइल बा.
  • 2012 में चीन के विकास दर 8.4 फीसदी रहे के अनुमान लगावल गइल बा.
  • कोल इंडिया लिमिटेड के अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक एन.सी. झा के कहना बा कि परियोजना खातिर पर्यावरण मंजूरी हासिल कइल एगो समस्या बन गइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भारतीय अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह बुध से गोवा में शुरू होखी. एह समारोह में मशहूर फ्रेंच फिल्म निर्माता बट्रेंड टैवरनियर के लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड दिहल जाई.
  • तेलुगू फिलिमन के सुपरस्टार नागार्जुन आई-1 सुपर सीरीज मोटरस्पोटर्स रेस खातिर हैदराबाद फ्रेंचाइजी टीम खरीद लिहले बाड़न.
  • याहू इंडिया आपन ऑनलाइन वीडियो सेवा शुरू कइलसि जवना पर समाचार, मनोरंजन, जीवनशैली आ फिल्म देखावल जाई.
  • ‘रॉकस्टार’ के प्रदर्शन का बाद पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी मॉडल नर्गिस फाकरी आ अभिनेता रणबीर कपूर अब नइखन चाहत कि ओह लोग के जोड़ी में देखल जाव.
  • एड्स जागरूकता अभियान का दौरान हॉलीवुड स्टार रिचर्ड गेरे आ बॉलीवुड अभिनेत्री शिल्पा शेट्टी के सबका सोझा लिहल चुम्मा के मामिला पर साल 2007 में राजस्थान आ उत्तर प्रदेश में दायर मुकदमा के सर्वोच्च न्यायायलय मुम्बई के एगो अदालत में स्थानांतरित कर दिहलसि.

खेल के खबर

  • 17वाँ राष्ट्रीय युवा महोत्सव के आयोजन कर्नाटक का मंगलौर में 12 से 16 जनवरी ले कइल जाई. एकर आयोजन स्वामी विवेकानन्द जयंती का उपलक्ष्य में हर साल केन्द्र के युवा मामिला आ खेल मंत्रालय करेला.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल अजीत वाडेकर के कर्नल सीके नायडू लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल जाई.
  • भारतीय ओलम्पिक संघ एगो 11 सदस्यीय एथलीट आयोग बनाई जवना के सदस्यन के चुनाव लंदन ओलम्पिक खेले के योग्यता हासिल कर चुकल खिलाड़ी करीहें.
  • मुम्बई टेस्ट में पहिला दिने वेस्टइंडीज मजबूत बल्लेबाजी कइलसि आ दू विकेट का नुकसान पर 267 रन बना लिहलसि.
  • नेहरू हॉकी टूर्नामेंट में पंजाब एण्ड सिंध बैंक नामधारी एकादश के 3-2 से हरवलसि जबकि पंजाब नेशनल बैंक मध्य रेलवे से 2-2 का बराबरी पर रहल.
  • भारतीय क्रिकेट टीम आईसीसी का टेस्ट रैंकिंग में दुसरका जगहा राखल गइल बा.
  • इंडोनेशिया के जकार्ता में साउथईस्ट एशियन गेम्स फुटबाल टूर्नामेंट का फाइनल मैच में मचल भगदड़ से दू आदमी के मौत हो गइल.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के मुख्य कार्यकारी अधिकारी हारून लोगार्ट आपन कार्यकाल बढ़वावल नइखन चाहत.
  • जमैका के फर्राटा धावक मुलिंग्स पर आजीवन प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा. ऊ डोप टेस्ट में दुबारा फेल हो गइलें.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के कोच बनावल गइले मिकी आर्थर.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: