(बुध, 30 नवंबर)
देश
- राष्ट्रपति के पुणे ले जाए वाला जहाज तकनीकी गड़बड़ी से 55 मिनट देरी से उड़ल.
- भाजपा अध्यक्ष बियफे का दिने सहारनपुर से ‘भाजपा लाओ देश बचाओ’ अभियान के शुरूआत करीहें.
- मणिपुर का राजधानी इम्फाल में संगाई महोत्सव का प्रवेश द्वार पर एगो बम फटला से एक आदमी के जान चल गइल. मरे वाला के अलगाववादी संगठन के हमलावर बतावल जात बा.
- संसद आजुओ बुध का दिने ना चल पावल काहे कि खुदरा कारोबार में विदेशी निवेश पर सरकार आ विपक्ष में कवनो सहमति बा बन पावल.
- पिछला दिने भठियरपन के कई गो आरोपियन के जमानत मिल गइला का बाद अब दिल्ली उच्च न्यायालय जेल में बंद सांसद सुरेश कलमाडी के जमानत याचिका पर सीबीआई के नोटिस भेजले बा.
- हिमाचल प्रदेश, हरियाण, कर्नाटक, बिहार आ उड़ीसा के खाली पड़ल विधानसभा सीटन के उपचुनाव आजु बुध का दिने करावल जात बा. कहीं से कवनो अप्रिय घटना के अबले खबर नइखे. ई उपचुनाव ओडिशा के उमरकोट सीट, बिहार के लौकहा सीट, कर्नाटक के बेल्लारी ग्रामीण सीट, हरियाणा के आदमपुर सीट आ रतिया सीट, आ हिमाचल प्रदेश के दू गो विधानसभा सीट खातिर करावल जात बा.
- मनमोहन सिंह आ सोनिया गाँधी कहले बा लोग कि सरकार एगो प्रभावी लोकपाल विधेयक ले के आई.
- अन्ना हजारे 11 दिसंबर के जंतर मंतर पर प्रदर्शन करीहन.
- पिछले दू हफ्ता से झारखंड में कउवन के मौत बहुते होखे लागल बा जवना से लागत बा कि प्रदेश में एवियन वायरस मत पसरि जाव.
- राजीव गाँधी के हत्या मामिला के आरोपियन के याचिका पर सुनवाई 31 जनवरी 2012 ले टार दिहल गइल बा.
- लोकपाल विधेयक के प्रारूप से नाखुश बावे टीम अन्ना.
दुनिया के खबर
- माइकल जैक्सन के “मौत के सूई” लगावे वाला चिकित्सक कोनराड मरे के मंगल का दिने चार साल कैद के सजा सुनावल गइल.
- पाकिस्तान सरकार अपना देश में बीबीसी के प्रसारण पर रोक लगा दिहलसि काहे कि बीबीसी एगो वृतचित्र देखा के आतंकवाद का खिलाफ युद्ध में इस्लामाबाद के प्रतिबद्धता पर सवाल उठवले रहुवे.
- रूस में अगिला साल होखे वाल राष्ट्रपति चुनाव में फोन से रोग ठीक करे के दावा करे वाला एगो चरमपंथी लेखक आपन पर्चा भरलसि.
- थाईलैंड के प्रधानमंत्री यिंगलक शिनावात्रा के डायरिया होखला का चलते मंगल सबेरे अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.
- पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी के कहना बा कि नाटो के हवाई हमला का बाद अमेरिका से सामान्य सम्बंध ना रह सके.
व्यापार व्यवसाय के खबर
- हुंडई के बर्खास्त श्रमिकन के तब हिरासत में ले लिहल गइल जब ऊ चेन्नई का लगे इरुं गाट्टकोट्टई में कार संयंत्र का नियरा भूख हड़ताल पर बईठे जात रहलें.
- आजु बुध का दिने सेंसेक्स 115 अंक का तेजी का साथे बंद भइल.
- विकास दर 6.9 फीसदी रहला पर वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी चिंता जतवलन.
- देश के अर्थव्यवस्था के विकास दर दुसरका तिमाही में घटि के 6.9 फीसदी पर आ गइल. एहसे पहिले का तिमाही में ई 7.7 फीसदी रहल.
- एयर इंडिया बोर्ड खर्चा में कटौती करे के फैसला लिहलसि. कंपनी के कर्ज देबे वाला 42,923.16 करोड़ रुपिया के कर्जा के फेर से पुनर्गठित करे ला राजी हो गइल बाड़न.
- विप्रो के मिलल ग्राहक उत्कृष्टता खातिर सैप एस पुरस्कार.
- केन्द्रीय मंत्री प्रफुल्ल पटेल के कहना बा कि चीन से भारी उपकरणन के आयात से घरेलू उद्योग के नुकसान होखत बा. पिछला साल 15,083 करोड़ रुपिया के भारी औद्योगिक उपकरण चीन से आइल बा.
- डाक घर के नयकी जमा योजना पर 8.7 फीसदी ब्याज दिहल जाई बाकिर एजेंटन के कमीशन घटा दिहल गइल बा.
- फेसबुक 100 अरब डॉलर के कम्पनी बन जाई. आ ओकर प्राथमिक सार्वजनिक निर्गम अगिला साल निकालल जा सकेला,
- मंगल का दिने सेंसेक्स में 159 अंक के गिरावट आइल.
मनोरंजन का दुनिया से
खेल के खबर
- महेंद्र सिंह धौनी का गैर मौजूदगी में कप्तानी करत वीरेंद्र सहवाग के कहना बा कि अगर कवनो बल्लेबाज रन नइखे बना पावत त ओकरा खातिर कवनो बहाना मत बनावे.
- कटक का बाराबाती स्टेडियम में मंगल का दिने भइल पहिलका एकदिना में भारत वेस्टइंडीज के एक विकेट से हरा दिहलसि. रोहित शर्मा के मैन आफ द मैच चुनल गइल.
- दोस्ताना फुटबाल मुकाबले में भारत जाम्बिया से 5 गोल से हारल.