Go to ...
RSS Feed

Archives for November 2011

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 17 नवंबर) देश मेडिकल प्रवेश परीक्षा अंग्रेजी भा हिन्दी में दिहल जा सकी. दोसर कवनो इलाकाई भाषा में परीक्षा करावे पर सीबीएसई तकनीकि दिक्कत गिनवलसि. एह परीक्षा में शामिल होखे खातिर अब इंटर में पचास फीसदी के बाध्यता हटा दिहल गइल बा आ पर्सेंटाइल के प्रक्रिया लगावल गइल बा. देश में कुल 335 मेडिकल

बिहार के खबर

(सोमार, 14 नवंबर) सोमार का दिने थल सेनाध्यक्ष जनरल वी.के. सिंह गया में सैन्य अधिकारियन के प्रशिक्षण अकादमी (ओटीए) के औपचारिक उद्घाटन कइलन. स्वर्णिम इतिहास संजोवले सोनपुर मेला पर नयका जमाना के रंग चढ़े लागल बा. अब एह मेला में पशुअन के खरीद बिक्री का अलावा दुकान आ खेल-तमाशा के कार्यक्रम के भरमार हो गइल

उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार, 14 नवंबर) कांग्रेस के चुनाव प्रचार अभियान शुरू करत राहुल गाँधी राज्य के लोग के ललकरन कि कहिया ले भीख माँगे महाराष्ट्र जाएब सभे ? कहलन कि केन्द्र से मिलल धन के राज्य में दुरुपयोग होखत बा आ आम आदमी तक ऊ नइखे चहुँप पावत. राहुल के बयान के आलोचना करत बसपा कहलसि कि

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 14 नवंबर) देश जन लोकपाल आंदोलन खातिर समर्थन बिटोरे टीम अन्ना के केजरीवाल इमामन से भेंट कइले. जबकि संघ से समर्थन माँगे से ई लोग बार बार इंकार करेला. कुडनकुलम में रूसी रिएक्टरन पर नागरिक दायित्व कानून लागू ना होई. कहलसि भारतीय परमाणु संस्थापन के एगो वरिष्ठ अधिकारी. भाई के शादी में शामिल होखे

बिहार के खबर

(शनिचर, 12 नवंबर) मुख्यमंत्री नीतीश कुमार 11-11-11 के 11 बज के 11 मिनट पर बिहार के 11 गो भठियारा अधिकारियन पर आमदनी से बेसी के मुकदमा चलावे के आदेश पर दस्तखत कइले. शुक का दिने ऊ अपना सेवा यात्रा पर बेतिया में रहले. पिछला साल का बनिस्बत एह साल किसानन के अपना धान के दाम

उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 12 नवंबर) मुख्यमंत्री मायावती आजु सोलह हजार करोड़ रुपिया से बेसी के लागत से दू सौ छत्तीस गो परियोजना के शिलान्यास कइली. एह में तीन गो बिजली परियोजनो शुमार बा जवनन से राज्य के एक हजार छह सौ पचास मेगावाट बिजली अधिका मिली. एह मौका पर ऊ केन्द्र सरकार पर राज्य का साथे भेदभाव

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 12 नवंबर) देश मध्य प्रदेश के मंदसौर जिला में श्रद्धालुओं से भरल एगो नाव शनिचर का दिने चंबल नदी में पलट गइल जवना से 13 लोग के मौत हो गइल. सगरी लाश बरामद हो गइल बा. मृतकन के परिजनन के एक-एक लाख रुपिया ले आर्थिक सहायता देबे के सरकारी एलान भइल बा. प्रधानमंत्री मनमोहन

बिहार के खबर

(शुक, 11 नवंबर) मधुबनी का लौकहा से कांग्रेस पार्टी रामसुंदर टरैत के आपन उम्मीदवार बनवलसि. राजद के उम्मीदवार मुख्तार अहमद आ जनता दल यू के सतीश कुमार साह रहीहें. नामांकन काल्हु ले दाखिल कइल जा सकेला. रोहतास जिला के विक्रमगंज इलाका में एगो देवर अपना भउजाई के गला रेत दिहलसि. एह हत्या का पाछा अवैध

उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 11 नवंबर) कार्तिक पूर्णिमा आ गुरुनानक देव के प्रकाशोत्सव काल्हु हर जगहा हंसी खुशी मनावल गइल. लाखों का संख्या में लोग नदी तालाब आ सरोवर में स्नान कर के आ दान कर के पुण्य कमाइल. आजु प्रदेश भर में जिला मुख्यालयन पर मतदाता शिविर लगावल गइल बा जहाँ अबहीं ले छूटल फटकल लोग आपन

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 11 नवंबर) देश रक्षा मंत्री ए.के.एंटनी शुक का दिने कहलन कि जम्मू काश्मीर से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे का बारे में आखिरी फैसला एकीकृत कमाने के लेबे के बा. केरल के एगो फास्ट कोर्ट चलत ट्रेन से धक्का देके एगो औरत के गिरावे, बलात्कार करे आ ओकरा बाद ओकर हत्या कर देबे

बिहार के खबर

(बुध, 9 नवंबर) बिहार सरकार भठियरपन का खिलाफ एक डेग अउरी बढ़ गइल आ सशक्त लोकायुक्त के गठन के फैसला कर लिहलसि. आजु बुध से शुरु अपना सेवा यात्रा का पहिला दिने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पश्चिम चंपारण के बगहा में धनहा रतवल पर बनत पुल के निरीक्षण कइलन आ ओकरा के समय पर पूरा करा

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 9 नवंबर) लखनऊ के दू गो मुख्य चिकित्सा अधिकारियन के हत्या के मामिला के जाँच करे वाला सीबीआई टीम के आजु बुध का दिने अदालत से दू महीना के अउरी समय दे दिहल गइल. मऊ के स्वतंत्रता सेनानी, चन्द्रभान गुप्त के मंत्री मण्डल में मंत्री रहल, विधायक रहल रामविलास पाण्डेय के आजु पंचानबे साल

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 9 नवंबर) देश गुजरात के सरदारपुरा दंगा मामिला में आजु एगो विशेष अदालत 31 जने के उमिर कैद के सजा सुनवलसि. गोधरा में कारसेवकन के रेलगाड़ी में आमलोग के कहला मुताबिक जिन्दा जरा देबे के घटना का बाद मार्च 2002 में पूरा गुजरात में दंगा भइक गइल रहे आ सरदारपुरा में 33 लोग के

बिहार के खबर

(मंगल, 8 नवंबर) बिहार में पंचायत के खाली पड़ल चौदह हजार एक सौ चउवालीस पद खातिर उपचुनाव के अधिसूचना बुध का दिने जारी कइल जाई. मतदान चार दिसम्बर के करावल जाई. कैमूर जिला के जिला स्वास्थ्य समिति के बरखास्त कार्यक्रम प्रबंधक आ लेखा प्रबंधक का खिलाफ भभुआ थाना में छह करोड़ रुपिया के घोटाला के

उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल, 8 नवंबर) हरिद्वार में होखत गायत्री महाकुंभ मे भगदड़ मचला का चलते सोलह लोग के मौत हो गइल बा. एहमें चार लोग यूपी के बतावल जात बा. मरे वालन में सबले बेसी औरत बाड़ी सँ. उत्तराखंड सरकार दू दू लाख रुपिया मुआविजा के एलान कइले बिया. प्रदेश भर में आजु तहसील पर मतदाता मेला

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 8 नवंबर) देश दुबारा दाम बढ़ावल गइल त संप्रग से नाता तूड़ लीहें ममता बनर्जी. जबकि प्रधानमंत्री दाम घटावे से साफ इंकार कर दिहलें. आजु आडवाणी आपन जन्म दिन मनवलन. एह मौका पर राजनाथ सिंह उनुका के प्रधानमंत्री पद खातिर पार्टी के ‘स्वाभाविक पसंद’ बतवलन त आडवाणी भावुक हो गइलन. दूससंचार नीति पर रायशुमारी

बिहार के खबर

(अतवार, 6 नवंबर) खाद्य प्रसंस्करण उद्योग के बढ़ावा देबे खातिर राज्य में तीन गो मेगा फूड पार्क बनावल जाई. रोहतास जिला में अपराधियन खातिर चलावल अभियान में सात गो अपराधियन के पकड़ल गइल बा जवना में एगो माआवादिओ शामिल बा. कैमूर के मोहनिया में पसपपिरा का लगे एगो ट्रक मोटरसाइकिल के कचार दिहलसि जवना चलते

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 6 नवंबर) कांग्रेस आ भाजपा माँग कइले बिया कि दमकल विभाग में डीआईजी डीडी मिश्र के पूरा सुरक्षा दिहल जाव. हालही में डीडी मिश्र एगो टीवी साक्षात्कार में मायावती सरकार के भठियरपन में गरदन ले डूबल बतवले रहले जवना का बाद उनुका के पागल करार दे दिहल गइल बा. पुलिस विभाग का बाद अब

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 6 नवंबर) देश दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित स्कूलन के ‘तम्बाकू मुक्त क्षेत्र’ बनावे खातिर अतवार का दिने एगो कैंसर जागरूकता रैली के झंडी देखा के रवाना कइली. भठियरपन का मुद्दा पर संप्रग अध्यक्षा सोनिया गांधी के चुप्पी पर भाजपा नेता आडवाणी के तल्ख टिप्पणी पर दिग्विजय सिंह सवाल कइले बाड़न कि कहीं आडवाणी

बिहार के खबर

(शनिचर, 5 नवंबर) मधुबनी के लौकहा विधानसभा सीट के उपचुनाव के अधिसूचना शनिचर का दिने जारी कर दिहल गइल. वोट तीस नवम्बर के डालल जाई. जमुई में अगवा भइल 15 बंधकन के नक्सली छोड़ दिहले. एह में बारह गो मजदूर रहले. केन्द्र सरकार बिहार में नक्सलियन से मुकाबला करे खातिर हर संभव सहायता के भरोसा

Older Posts›› ‹‹Newer Posts