Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

Archives for December 2011

बिहार के खबर

(शुक, 30 दिसंबर) अपना सेवा यात्रा का क्रम में औरंगाबाद चहुँपल नीतीश कुमार कहलन कि सरकार कई बरीस से लटकल उत्तर कोयल परियोजना फेर से बनावे आ शुरु करे के भरपूर कोशिश करी. कई बरीस से लटकल दुर्गावती जलाशय परियोजना के अब केन्द्रीय वन आ पर्यावरण मंत्रालय से अनापत्ति प्रमाण पत्र मिल गइल बा. लोकसभा

उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 30 दिसंबर) विधानसभा चुनाव से पहिले मायावती शुक का दिने अपना चार गो अउरी मंत्रियन के बर्खास्त कर दिहली. अबही ले करीब डेढ़ दर्जन मंत्रियन के या त बरखास्त कर दिहल गइल बा भा ऊ लोग त्याग पत्र दे दिहले बा. आजु एगो अउरी मंत्री ददन मिश्रा इस्तीफा दे दिहलन. मुलायम के कहना बा

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 30 दिसंबर) देश राज्यसभा में लोकपाल विधेयक पर वोट ना करवलसि सरकार काहे कि ओकरा लगे बहुमत ना रहुवे. ओकर सहयोगी तृणमूल संशोधन पर मतदान करवावे खातिर डाँड़ कस लिहले रहुवे जबकि बहरी से सहायता देबे वाला बसपा, सपा, राजद वगैरह विधेयक के ओह प्रावधान का खिलाफ रहले जवना में राज्य में लोकायुक्त के

बिहार के खबर

(बुध, 28 दिसंबर) सुशील मोदी किसानन से कहले बाड़न कि अपना धान के बढ़िया से सुखा के तब बेचे खातिर ले आवे लोग. ओद धान जवना में नमी सत्रह फीसदी से बेसी होखे पैक्स नइखन खरीदत. एक क्विंटल धान में जवन अड़सठ किलो चाउर निकलेला तवने के दाम दिहल जा ता. डा॰ राजेन्द्र प्रसाद के

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 28 दिसंबर) मायावती अपना दू गो अउरी मंत्रियन, गैर परम्परागत ऊर्जा राज्य मंत्री अकबर हुसैन आ विज्ञान प्रौद्योगिकी राज्य मंत्री यशपाल सिंह के, बर्खास्त कर दिहली. लखनऊ में आजु राजनीतिक दल के नुमाइन्दन के मुख्य चुनाव अधिकारी उमेश सिन्हा चुनाव के नियम कायदा के जानकारी दिहले. मान्यता मिलल हर पार्टी अपना दल के चालीस

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 28 दिसंबर) देश सीबीआई आपन फाइनल रिपोर्ट में कहले बा कि स्वामी निगमानंद के जहर दे के मारे के कवनो सबूत नइखे मिलल आ ऊ अपना अनशन का चलते मरले. प्रधानमंत्री अन्ना के नाम लिहले बिना कहले बाड़न कि लोकपाल पर संसद के फैसला के सम्मान करे सभही. अन्ना हजारे खराब तबियत का चलते

बिहार के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर) आंगनबाड़ी केन्द्रन पर गड़बड़ी के शिकायत का बाद सरकार फैसला लिहलसि कि अब रुपिया का बदले अनाजे दिहल जाई.एह बीच थावे गोपालगंज के सीडीपीओ रितु गुप्ता आ सुपौल राघोपुर के सीडीपीओ इंदु कुमारी के निलंबित कर दिहल गइल बा. विधान परिषद के पहिला बइठक पटना कॉलेज में साल उनइस सौ तेरह में

उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर) विधान सभा चुनाव के मद्दे नजर राज्य के सगरी शराब उत्पादक, ठेकेदार आ विक्रेता से रोज के उत्पादन आ बिक्री के आंकड़ा ले के आबकारी विभाग के वेबसाइट पर डालल जरूरी कर दिहल गइल बा. सगरी होर्डिंग आ बैनर के हटावे उतारे के काम शुरू कर दिहल गइल बा. भाजपा आ जदयू

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर) देश लोकसभा में कुछ संशोधन का साथे लोकपाल आ लोकायुक्त विधेयक आजु ध्वनिमत से पारित हो गइल. मतदान से पहिले सपा, बसपा आ वामदल वहिष्कार कर के सरकार के काम आसान कर दिहलें. दिन भर चलल गरमागरम बहस में भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज विधेयक के बखिया उधेड़ दिहली. बाद में जबाब देबे

बिहार के खबर

(सोमार, 26 दिसंबर) कैमूर जिला के चांद थाना इलाका में जंगल से भटक के बसगित में आइल एगो तेंदुआ के हमला से एगो औरत समेत तीन गो लोग घवाहिल हो गइल. समस्तीपुर जिला के ताजपुर थाना क्षेत्र में एगो औरत अपना दू गो मासूम बचवन समेत जान दे दिहलसि. राजगीर में चलत जदयू के विधानमंडल

Older Posts››