Go to ...
RSS Feed

बिहार के खबर


(शुक, 2 दिसंबर)

  • मोतिहारी जेल में औचक छापा में 23 गो मोबाइल फोन बरामद भइल बा.
  • विधानमंडल के शीतकालीन सत्र आजु से शुरू हो गइल. विधान सभा में अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी बतवलें कि लोजपा विधायक प्रमोद कुमार सिंह आ नौशाद आलम जदयू में शामिल कर लिहल गइल बाड़े. आजु मंत्री हरि प्रसाद साह, मुख्यमंत्री रहल भागवत झा आजाद, मंत्री रहल मोहम्मद सुलेमान आ केन्द्रीय मंत्री रहल उपेन्द्र नाथ वर्मा समेत तेरह लोग के निधन पर शोक प्रस्ताव पारित कर के सदन के कार्यवाही सोमार तक ले स्थगित कर दिहल गइल.
  • आजु विधानमंडल के बिजली पाँच मिनट खातिर कट गइल त मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि जब बिजली बोर्ड के आजादी दिआला त ऊ मनमानी करे लागेला.
  • बुध का दिने सिवान जिला के आन्दर इलाका के दाहाबाड़ी गाँव से बहुते मात्रा में स्प्रिट आ देशी शराब जब्त कइल गइल आ दू आदमी का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल.
  • बिहार में विश्वविद्यालय शिक्षकन के रिटायरमेंट उमिर बासठ से बढ़ा के पैंसठ करे के फैसला लिहल गइल बा जवन तीस जून दू हजार दस से प्रभावी मानल जाई.
  • छपरा मुजफ्फरपुर वैशाली आ समस्तीपुर में कुल करीब चालीस गो मुकदमा में खोजात अपराधी प्रेमचन्द उर्फ फाइटर शुक्ला के लाश मुजफ्फरपुर के सरैया इलाका से मिलल बा.

Tags:

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: