Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

उत्तर प्रदेश के खबर


(सोमार, 5 दिसंबर)

  • कांशीराम नगर जिला में आजु मंगल का दिने रोडवेज बस आ ट्रक का टक्कर में छव गो सवारियन के मौत हो गइल आ सतरह गो घवाहिल हो गइलें.
  • महाराजगंज जिला में सशस्त्र सीमा बल अउर पुलिस मिल के एगो नेपाली तस्कर के करीब 10 लाख रुपिया के चरस का साथे गिरफ्तार कर लिहले.
  • लखनऊ मे न्याय मार्च निकाल के उमा भारती सरकार पर आरोप लगवली कि मायावती राज्य के ‘रियल एस्टेट कारोबार’ बना दिहले बाड़ी.
  • अयोध्या में रामजन्मभूमि पर बनल बाबरी मस्जिद के ढहावे का अनइसवाँ तिथि पर अयोध्या फैजाबाद समेत सगरी उत्तर प्रदेश में सुरक्षा कड़ा कर दिहल गइल बा.
  • बिजली मंत्री का खिलाफ लखनऊ में प्रदर्शन करत समाजवादियन का साथे झड़प का बाद पुलिस ओहलोग पर लाठी चार्ज कर दिहलसि.
  • लखीमपुर खीरी में सोमार का दिने एगो बिना पहरेदार के रेलवे क्रासिंग पार करत एगो कार के रेलगाड़ी से टक्कर हो घइल जवना चलते दू आदमी मर गइलन आ दू जने घवाहिल हो गइले.

Tags:

%d bloggers like this: