बिहार के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर)

  • खगड़िया जिला के चौथम थाना इलाका में माली ग्राम पंचायत से उपचुनाव करा के लवटत एगो सहायक पुलिस निरीक्षक के उनुके पिस्तौल छीन के गोली मार दिहल गइल.
  • औरंगाबाद जिला के टंडवा थाना इलाका में सोमार का रात नक्सलियन आ पुलिस का बीचे गोलीबारी भइल बा. बाकिर केहु के हताहत होखे के जानकारी नइखे मिलल.
  • गया जिला के बांके बाजार प्रखंड के एगो गाँव में मृतक का याद में एगो पेड़ लगावे के परंपरा पिछला चार साल से चलत बा. एह परंपरा से पर्यावरण संतुलन बरकरार राखे में मदद मिली. अबही ले लगबग एकहजार पेड़ लगावल जा चुकल बा