(बियफे, 15 दिसंबर)
- बिहार में पहिला बेर प्रवासी निवासियन के सर्वेक्षण मार्च में शुरु करावल जाई जवना में ओह लोग के सर्वेक्षन होई जे पढ़ाई भा रोजगार खातिर बिहार में रहत बा.
- पाला पड़ला का चलते बिहार में स्कूलन के समय बदल दिहल गइल बा आ सबेरे आठ बजे से चार बजे का बीच स्कूल चलावे के कहल गइल बा.
- बिहार के नदियन के जोड़े खातिर केन्द्र सरकार तीन सौ करोड़ रुपिया दीहि. एह बाति के जानकारी काल्हु उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी दिहलें आ कहलें कि बिहार सरकार एह काम खातिर छह गो परियोजना बनावत बिया जवना का बाद अठाइस लाख हेक्टेयर इलाका के सींचल जा सकी.
- कैमूर जिला के रामगढ़ मोहनिया सड़क पर एगो मोटरसाइकिल आ एगो वाहन का टक्कर से मोटरसाइकिल सवार अधवनिया गाँव के दू लोग क मौत हो गइल आ तिसरका घवाहिल हो गइल.
- राज्य सरकार पूर्वी आ पश्चिमी चंपारण समेत राज्य के समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर, वैशाली आ सीतामढ़ी के लीची उत्पादक जिला घोषित कइले बिया जवना का बाद एह जिला के किसानन के लीची के खेती खातिर प्रशिक्षण आ भरपूर अनुदान दिहल जाई.