Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

उत्तर प्रदेश के खबर


(शनिचर, 17 दिसंबर)

  • कड़ाका ठंड का चलते राज्य में बिजली के मांग बहुते बढ़ गइल बा. सरकार के कहना बा कि बिजली सप्लाई में कमी ना होखे दिहल जाई. जबकि बलिया शहर में काल्हु दिन भर बिजली ना रहल आ आजुवो उहे हाल बा.
  • प्रदेश के प्रशिक्षण निदेशालय सिपाही बने वाला करीब 33,000 रंगरूटन से पौधा लगवावे के निर्देश जारी कइले बा.
  • संप्रग में शामिल भइल रालोद के अजित सिंह अतवार का दिने केन्द्रीय मंत्री बना दिहल जइहें.
  • कानपुर में कम्प्यूटर विज्ञान में स्नातकोत्तर पाठ्यक्रम के छात्र आगरा के करन नारायण के कैंम्पस प्लेसमेंट में एगो अमेरिकी कम्पनी “पॉकेट जेम्स” 137,000 डॉलर सालान तनखाह के प्रस्ताव दिहले बिया.
  • राज्य सरकार अपना चौबीस गो विभाग के कार्य प्रणाली पर काल्हु श्वेत पत्र जारी कइलस जवना में दावा कइलसि कि सगरी प्रक्रिया न्यायसम्मत आ पारदर्शी तरीका से चलत बा. जबकि विपक्ष एह श्वेत पत्र के झूठ के पुलिन्दा बतलावत बाड़े.
  • भाकपा माले एह बाति पर समाजवादी पार्टी के आलोचना कइले बा कि सपा संसद में माँग कइलसि कि खेती का सीजन में मनरेगा के काम बंद कर दिहल जाव. माले के कहना बा कि गँवई इलाका में मनरेगा मजदूरन के जिये के सहारा बा. माले माँग कइले बा कि हर परिवार से दू आदमी के सौ दिन के काम दिहल जाव आ रोज के मजूरी तीन सौ रुपिया कर दिहल जाव.
  • गोण्डा जिला के डिक्सर विधानसभा सीट से बसपा विधायक रमेश चन्द्र गौतम का खिलाफ लोकायुक्त जाँच शुरू कर दिहले बाड़े.
  • कप्तानगंज थावे रेल मार्ग के बड़ी लाइन में बदले के काम पूरा हो गइला का बाद काल्हु केन्द्रीय रेल राज्य मंत्री के एच मुनियप्पा पडरौना में आयोजित एगो समारोह में एह रेल लाइन के राष्ट्र के समर्पित कइलें. बतावल गइल बा कि काल्हु अठारहदिसम्बर से एह मार्ग पर रेलगाड़ी चलल शुरु हो जाई.
  • दू हजार से अधिका आबादी वाला हर गाँव में अगिला साल मार्च ले बैंकिंग सेवा उपलब्ध करा दिहल जाई. देश में अइसन तिहत्तर हजार गाँव बाड़ी सँ.
  • पूर्वांचल विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह इकइस जनवरी के होखे जा रहल बा.
  • शुक का दिने पूरा राज्य में कड़ाका के जाड़ा पड़ल. सहारनपुर में राज्य के सबले कम तापमान साढ़े चार डिग्री सेल्सियस रिकार्ड भइल.

Tags:

%d bloggers like this: