web analytics

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 18 दिसंबर)

  • लखनऊ में अतवार का दिने मुस्लिम क्षत्रिय वैश्य सम्मेलन में मायावती कहली कि अगिला दू तीन दिन में विधानसभा चुनाव के घोषणा हो सकेला. कहली कि अयोध्या में बाबरी ढाँचा गिरावे में कांग्रेस आ भाजपा के मिलिभगत रहुवे. कहली कि बसपा चाहेले कि मुसलमानन आ गरीब सवर्णन खातिर आरक्षण दिहल जाव.
  • राज्य सरकार के कर्मचारियन के अब दस साल, सोलह साल आ छब्बीस साल पर प्रोमोशन दिहल जाई. पहिले दुसरका प्रोमोशन अठारह साल पर मिलत रहुवे जवन अब सोलह साल पर मिल जाई.
  • अपना यूपी दौरा में अतवार का दिने औरैया आ रमाबाई नगर में जनसभा में भाषण देत कांग्रेस के महासचिव राहुल गाँधी कहलन कि अति पिछड़ा आ मुसलमानन के आरक्षण के पूरा फायदा चहुँपावे के व्यवस्था कइल जा रहल बा. कहलन कि अगर उनुका पार्टी के सरकार बनल त हर गाँव में ब्राडबैंड के सुविधा दे दिहल जाई. बसपा पर आरोप लगावत कहलन कि केन्द्र से करोड़ों रुपिया भेजल जात बा बाकिर ऊ जनता ले चहुँपत नइखे. भाजपा पर सांप्रदायिकता फइलावे के आ मुलायम पर अंगरेजी के खिलाफ रहे के दोष लगवलें.
  • भाजपा के राष्ट्रीय सचिव किरीट सौमैया आरोप लगवले बाड़न कि मायावती आ सतीश मिश्रा के परिवार वाले फर्जी कंपनी बना के दस हजार करोड़ रुपिया बिटोर लिहले बाड़े. एहमें मायावती के भाई आनन्द कुमार आ सतीश मिश्रा के बेटा कपिल मिश्रा के ऊ खास नाम लिहलें.
  • रालोद नेता अजित सिंह के अतवार का दिने केन्द्र सरकार में नागरिक उड्डयन मंत्री बना दिहल गइल. कांग्रेस यूपी में रालोद से चुनावी गठबन्हन कइले बिया. अजित सिंह हर पार्टी के सरकार में मंत्री रहे के कमाल करेलें आ अपने पार्टी के दू बेर खतम कर के तिसरका पार्टी में चलत बाड़न अबही. राजनितिक सौदेबाजी में अजित सिंह सभकर गुरू पड़ीहें.
  • बलिया में अन्तरमण्डलीय राज्य फुटबाल चैम्पियनशिप करावल जा रहल बा जवना में राज्य के अठारह गो टीम हिस्सा लेत बा. एह प्रतियोगिता का मार्फत राज्य के खिलाड़ियन के चुनल जाई.
  • राहुल के चुनाव क्षेत्र अमेठी में राजीव गाँधी विश्विवद्यालय खोलल जाई एकर घोषणा राहुल गाँधी अमेठी में कइले.
  • पूर्वाचल समेत राज्य भर में कड़ाका के जाड़ा पड़त बा. जवना चलते कई जगहा स्कूलन के बंद करा दिहल गइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: