web analytics

टटका खबर (शनिचर, 31 दिसंबर)

बिहार के खबर

  • जमुई जिला के किल्हा गांव से नक्सली चार गो गाँव वालन के उठा ले गइल रहले. ओह लोग के लाश शनिचर का दिने बांका जिला के कटोरिया-बेसरा रोड का किनारे मिलल बा.
  • मुंबई से लूटल पैंतीस लाख के जेवर बिहार में नालन्दा जिला के भासीमपुर गाँव से बरामद भइल. दू आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • मुंगेर जिला में पांच गो मिनी गन फैक्टरी के भंडाफोड़. चार जने गिरफ्तार.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • बाहुबली डीपी यादव फेर सपा में अइले.

देश के खबर

  • कोलकाता में मुख्यमंत्री ज्योति बसु के आवास रहल इंदिरा भवन के नाम नजरूल इस्लाम के नाम पर रखला खातिर कांग्रेस ममता सरकार का खिलाफ आन्दोलन चलावत बिया.
  • मुरली मनोहर जोशी माँग कइले कि अल्पसंख्यक के परिभाषा पर नया बहस छेड़ल जाव आ एकरा के सही तरीका से परिभाषित कइल जाव.
  • केन्द्र सरकार के उमेद बा कि तृणमूल के कुछ संशोधन मान लिहला का बाद ओकर समर्थन मिल जाई.
  • दिल्ली मेट्रो से विदा भइलन मेट्रोमैन श्रीधरन. रिटायर भइला का बाद अपना गाँवे जा के रहीहें.
  • अपना संबोधन में गरीबी, भुखमरी अउरी अशिक्षा मिटवला के पहिलका चुनौती बतवले प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं. कहलन कि दुर्भाग्य बा कि लोकपाल विधेयक राज्यसभा में पारित ना करावल जा सकल.
  • थेन तूफान से अब ले बयालीस लोग के मौत. तमिलनाडु आ पुड्डुचेरी में सबले बेसी तबाही.
  • एगो शोध में बतावल गइल बा कि दुनिया में एक तिहाई तलाक फेसबुक का चलते होखत बा.
  • भाजपा नेता आडवाणी कहले बाड़न कि साल 2012 में बड़हन राजनीतिक बदलाव देखे के मिली.
  • राम जेठमलानी के बेटी रानी जेठमलानी के शनिचर का दिने पचास साल का उमिर में निधन हो गइल.
  • अन्ना हजारे के फेफड़ा में संक्रमण का चलते कोर कमेटी के बइठक टार दिहल गइल. अन्ना के अस्पताल में भरती करावे के पड़ सकेला.
  • एगो शोध में देखल गइल बा कि रोज तीन कप चाय पिये वाला लोग में दिल के दौरा पड़े अनेसा कम हो जाला आ मधुमेहो के खतरा टल जाला.
  • अमृतसर स्वर्ण मंदिर में अरदास कर के नया साल के शुरूआत करीहें प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह.

दुनिया के खबर

  • भारत इजरायल का साथे प्रत्यार्पन संधि करे के तइयारी में बावे.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी के कहना बा कि समय से पहिले चुनाव करावे के जरूरत ना पड़ी.
  • आग लगला से क्षतिग्रस्त भइल रूस के परमाणु पनडुब्बी के मरम्मत में एक साल से बेसी लागी.

व्यापार व्यवसाय के खबर

मनोरंजन का दुनिया से

  • अमिताभ बच्चन कहले बाड़न कि शास्त्रीय संगीत के अलगे प्रभाव होला आ ई बना नशा के आनन्द देला.
  • बॉलीवुड छोड़े के मन बना लिहले रही श्रीलंकाई मूल के अभिनेत्री जैकलिन फर्नाडिस बाकिर कुछ बढ़िया फिलिम का भरोसे रूक गइल बाड़ी.
  • फिल्मकार कुणाल कोहली के नया फिल्म में प्रियंका चोपड़ा एगो नवोदित अभिनेत्री के आ शाहिद कपूर एगो संघर्षरत संगीतकार के किरदार करीहे.
  • ‘एक मैं और एक तू’ में लास वेगास के असली चेहरा देखावल गइल बा. निर्देशक शकुन बतरा के एह फिल्म के शूटिंग ओहिजे भइल बा आ एहमें करीना कपूर आ इमरान खान के जोड़ी मुख्य भूमिका में बा.

खेल के खबर

  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सौरव गांगुली उमेद जतवले कि सचिन तेंदुलकर सिडनी क्रिकेट मैदान पर जोरदार वापसी करीहें.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: