web analytics

टटका खबर (अतवार, 1 जनवरी 2012)

बिहार के खबर

  • राज्य भर में काल्हु रात से रूक रूक के बरखा होखत बा जवना चलते दिन भर जनजीवन अस्तव्यस्त रहल. पहली जनवरी मनावे के उत्साहो ठंडा पड़ गइल. एह बरखा से खेत में पड़ल धान, आलू आ सब्जियन के फसल खराब होखी बाकिर गेंहू, चना आ खेसारी खातिर ई बरखा बहुते फायदेमंद बा.
  • अवैध खनन पर रोक ना लगा पवला खातिर रोहतास जिला के खनन पदाधिकारी अर्जुन प्रसाद के निलंबित कर दिहल गइल.
  • भोजपुर के पीरो इलाका में फसल बाजार का लगे एगो ट्रक से कचरा के दू आदमी के मौत हो गइल जवना में से एक जने पहिले मुखिया रहले.
  • पश्चिमी चंपारण के बाल्मीकि नगर टाइगर प्रोजेक्ट इलाका के निरीक्षण करे गइल जिला वन अधिकारी कमलजीत सिंह के स्थानीय लोग हमला करि के घवाहिल कर दिहल.
  • सिवान के शुकुल टोली में आपसी झगड़ा में भइल गोलीबारी से एगो नवही घवाहिल हो गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • भाजपा के युवा नेता पंकज सिंह आजु अतवार का दिने जौनपुर जिला जेल में बंद धनंजय सिंह से भेंट करे चहुँपलन जवना के खबर सुन के प्रदेश के राजनीति गरमा गइल बा.
  • बरखा का चलते मुलायम अपना पहिलके चुनाव रैली में ना चहुँप पवले.
  • राज्य में चुनाव संहिता लाँघे के मामिला लगातार सामने आवे लागल बा. बसपा के प्रदेश अध्यक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य के ऊंचाहार के एसडीएम नोटिस जारी कइले बाड़े.
  • चुनाव आयोग प्रदेश के लोकायुक्त का खिलाफ उर्जा मंत्री रामवीर उपाध्याय के बयानबाजी के रिपोर्ट हाथरस के जिलाधिकारी से मँगवले बा. रामवीर कहले रहले कि अगर लोकायुक्त से उनुकर निजी संबंध ना रहीत त उनुका के हटवा दिहले रहीतन.
  • महाराजगंज जिला के आनन्द नगर से बढ़नी स्टेशन का बीच रेल लाइन के बड़ी लाइन में बदले के काम आजु से शुरु हो गइल. एह चलते अब एह रेलमार्ग पर गाड़ियन के आवाजाही बंद कर दिहल गइल बा. बढ़नी से गोण्डा का बीच के आमान बदले के काम दुसरका चरण में होखी.
  • संत कबीर का निर्वाण स्थली मगहर में हर साल होखे वाला मगहर महोत्सव एह साल चुनाव का चलते टार दिहल गइल बा. ना त हर साल बारह से अठारह जनवरी ले एहिजा मगहर महोत्सव मनावल जात रहे.
  • वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह इकइस जनवरी के करावल जाई.
  • गाजीपुर जिला के घरिहा गाँव में एगो भट्ठा पर काम करे वाला दु गो मजदूर ईंटा का नीचे दबा गइले जवना से ओह लोग के मौत हो गइल.
  • आजमगढ़ में शादी के कार्ड बाँटे निकलल एगो मरद मेहरारू के कार सड़क पर खाड़ ट्रक से टकरा गइल जवना से ड्राइवर घवाहिल हो गइल बाकिर एह दुनु जने के मौत हो गइल.
  • काल्हु रात से होखत बरखा अबहीं दू दिन अउरी बरखी. एह बरखा के रबी फसल खातिर फायदेमंद बतावल जात बा.
  • मायावती के भठियारन के गिरोह के मुखिया बतवले भाजपा के कलराज मिश्र.

देश के खबर

  • त्रिनिदाद अउर टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला परसाद-बिसेस्सर दू जनवरी सोमार के राजकीय यात्रा पर भारत अइहें. ऊ राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील आ प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से भेंट करीहें आ जयपुर में होखे वाला प्रवासी भारतीय दिवस के मुख्य अतिथि रहीहे.
  • सेना प्रमुख बीके सिंह के मानना बा कि काश्मीर से विशेष शक्ति अधिनियम हटवला से आतंकवादियन के मन बढ़ जाई.
  • स्वर्णमंदिर से अरदास करि के निकलत प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के कुछ लोग करिया झंडा देखावल. ओह लोग के अन्ना समर्थक बतावल जात बा.
  • राजस्थान में एगारह दिन से चलत डॉक्टरन के हड़ताल खतम हो गइल आ स्वास्थ्य सेवा बहाल हो गइल.
  • अतवार का दिने भइल चण्डीगढ़ महापौर, वरिष्ठ महापौर आ उप महापौर के चुनाव कांग्रेस जीत लिहलसि.
  • हिमाचल प्रदेश सरकार राज्य के 10 लाख विद्यार्थियन के हर साल स्कूली वर्दी दिहल करी जवना पर सालाना साठ करोड़ रुपिया खरचा होखी.
  • राजधानी दिल्ली में नया साल के जश्न मनावे का मौका पर शराब पी के गाड़ी चलावे का आरोप में पाँच सौ लोग पर दू दू हजार रुपिया के जुर्माना लगावल गइल.
  • पश्चिमी दिल्ली में 32 साल के एगो नाइजीरियाई आदमी के करीब पौने दू करोड़ रुपिया के कोकीन का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • नया साल का मौका पर देश के संचार कंपनियन का साथे दुनिया के ट्विटर कुछ देर खातिर ठप पड़ गइल.
  • बेमार अन्ना खातिर अतवार का दिने राजघाट पर प्रार्थना कइले उनुकर समर्थक.
  • दिल्ली पुलिस के कहना बा कि बब्बर खालसा फेर फन काढ़े के तइयार बा.
  • बिना सही अनुमति के दवाई परीक्षण में शामिल इंदौर के बारह गो डाक्टरन पर पाँच पाँच हजार रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा.
  • त्रिपुरा में साल भर मनावल जाई विवेकानंद के डेढ़ सउँवी जयंती.
  • छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री रमन सिंह अतवार का दिने राज्य में नौ गो नया जिला बनावे के एलान कइले. अब राज्य में सताइस गो जिला हो गइल.
  • पंजाब में 12 करोड़ रुपिया के नकदी आ साढ़े आठ लाख लीटर शराब जब्त कइल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • अतवार का दिने ‘स्ट्रेट आफ हॉरमुज’ में एगो नौसेना अभ्यास का दौरान इरान कई गो मिसाइल के सफल परीक्षण कइलसि.
  • अफगानिस्तान में 2014 का बादो मौजूद रही फ्रांस के सैन्य टुकड़ी.
  • जापान में अतवार का दिने रिक्टर स्केल पर 7 तीव्रता के भूकम्प के झटका लागल जवना के केन्द्र समुद्र का भीतर रहे.
  • रूस में संविधान के धारा 31 बचावे खातिर प्रदर्शन करे वालन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • नाइजीरिया के राष्ट्रपति गुडलक जोनाथन इस्लामी बोको हरम गुट के हमला का चलते देश के कुछ इलाका में आपातकाल के घोषणा कर दिहले बाड़े.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • टोयोटा की बिक्री एह साल अढ़ाई गुना भइल आ ई गिनिती 15,948 वाहन के भइल.
  • शेयर बाजार के गिरावट से परेशान केंद्र सरकार विदेशी निवेशकन के शेयर बाजार में सीधे खरीद बिक्री करे के अनुमति दे दिहलसि.
  • चीन डाबर आ आईटीसी के बहुते उत्पाद के नकल अपना किहाँ बनावत बा आ ओकरा पर मेड इन इंडिया लिख के भारत समेत कई देशन में चहुंपा देत बा जवना चलते एह कंपनियन के सालाना पाँच अरब डॉलर के नुकसान होखत बा.
  • फिक्की के कहना बा कि भूमि अधिग्रहण विधेयक में संशोधन कइल जाव जेहसे कि उद्योग खातिर जमीन हासिल कइल आसान हो सके.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बालीवुड अभिनेता रजा मुराद अब ‘सरबजीत बचाओ’ आंदोलन शुरु करीहें. सरबजीत के पाकिस्तान में हिन्दुस्तानी आतंकवादी होखे का आरोप में जेल में फाँसी के सजा सुनावल गइल बा.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री विद्या बालन अतवार का दिने 33 बरीस के हो गइली.
  • अभिनेता प्रकाश राज साल 2012 के स्वागत अपना निर्देशन में बने वाली पहिला फिल्म ‘धौनी’ के रिकार्डिग करवा के कइले.
  • लंगटी स्टार सनी लियोन ‘बिग बॉस-5’ से बाहर कर दिहल गइली. बिगबास के फाइनल एह हफ्ता होखे वाला बा.

खेल के खबर

  • बिग बैश लीग में होबार्ट हरिकेंस सिडनी थंडर के पाँच विकेट से हरा दिहले.
  • कोलकाता नाइट राइडर्स के मुख्य कोच डेव व्हाटमोर अतवार का दिने इस्तीफा दे दिहले. अब ऊ शायद पाकिस्तान के राष्ट्रीय क्रिकेट टीम के कोच बनीहे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: