Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

कुल 6388 गो बहाली


यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ के बहाली

सरकारी बैंक यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ प्रोबेशनरी आफिसर के 2473 पद खातिर बहाली होखे वाला बा.
तनखाह 14500 – 25700
उमिर सीमा 21 – 30 साल का बीच
फीस सामन्य आ अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर 300/- जबकि बाकी खातिर 50/- यूनियन बैंक के कवनो शाखा में अप्लिकेशन फीस चालान का साथे जमा करावे के पड़ी. ओकर रसीद अपना लगे सुरक्षित राख लीं.

आवेदन के आखिरी तारीख 14/01/2012 से पहिले
आवेदन करे खातिर यूनियन बैंक के वेबसाइट पर जाईं.


स्टेट बैंक आफ इण्डिया में क्लर्क के बहाली
ई बहाली खास करि के अनुसूचित जाति, जनजाति आ अन्य पिछड़ा वर्ग के खाली पड़ल जगहा भरे खातिर होखत बा. उत्तरपूर्वी राज्यन के जगहन पर सामान्यो वर्ग के उम्मीदवार आवेदन कर सकेले.

क्लरीकल कैडर में 2500 पद खातिर अनुसूचित जाति, जनजाति आ अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर बहाली.
तनखाह 7200 – 19300
उमिर सीमा 18 – 28 साल का बीच

सामान्य वर्ग सहित सभका खातिर क्लरिकल कैडर में 600 पद पर बहाली उत्तर पूर्वी राज्यन में
तनखाह 7200 – 19300
उमिर सीमा 18 – 28 साल का बीच

फीस सामान्य वर्ग खातिर 350/- जबकि बाकी खातिर 50/- स्टेट बैंक के कवनो शाखा में निर्धारित चालान का साथे जमा कराईं आ ओकर रसीद अपना लगे सुरक्षित राख लीं.

आवेदन के आखिरी तारीख 20/01/2012 से पहिले
आवेदन करे खातिर स्टेट बैंक के वेबसाइट पर जाईं.


दिल्ली मेट्रो में कई तरह का 815 पद पर बहाली

1. स्टेशन कंट्रोलर भा ट्रेन आपरेटर के 411 पद पर
तनखाह हर महीना 13500/- से 25520/-

2. ग्राहक संबंध सहायक के 189 पद पर
तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

3. जूनियर इंजीनियर के 79 पद पर
तनखाह हर महीना 13500/- से 25520/-

4. मेंटेनर का 114 पद पर
तनखाह हर महीना 8000/- से 14140/-

5. फायर इंसपेक्टर के 2 गो पद पर
तनखाह हर महीना 13500/- से 25520/-

6. कार्यालय सहायक के 7 गो पद पर
तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

7. लेखा सहायक के 10 पद पर
तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

8. भण्डार सहायक के 3 पद पर
तनखाह हर महीना 10170/- से 18500/-

राउर आनलाइन आवेदन 24/01/2012 से पहिले हो जाये के चाहीं आ ओकरा बाद मिलल रजिस्ट्रेशन स्लिप छाप के 31/01/2012 से पहिले भेज देबे के बा.

आवेदन करे खातिर दिल्ली मेट्रो के वेबसाइट पर जाईं.

Tags: , ,

%d bloggers like this: