web analytics

टटका खबर (शुक, 20 जनवरी 2012)

आजु के फोटो


(20 जनवरी का दिने विधान परिषद के सौ साल पूरा होखला के उपलक्ष में पटना कॉलेज के सेमिनार हॉल में एगो खास संगोष्ठी करावल गइल. )
बिहार के खबर

  • विधान परिषद के सौ साल पूरा होखला के उपलक्ष में पटना कॉलेज के सेमिनार हॉल में एगो खास संगोष्ठी करावल गइल. एही सेमिनार हॉल में सौ साल पहिले बीस जनवरी उनइस सौ तेरह के बिहार आ उड़ीसा विधानपरिषद के पहिला बइठक भइल रहे. आजु का संगोष्ठी में सत्तर गो मौजूदा आ छियालिस गो पहिले विधानपार्षद रहल लोग शामिल भइल. एहमें पिछला पचास साल से निर्वाचित सदस्य रहत आवत रामाश्रय प्रसाद सिंहो मौजूद रहले आ अध्यक्षता विधानपरिषद के सभापति ताराकांत झा कइलन.
  • प्रदेश में संविदा पर बहाल सगरी कर्मचारियन के कार्यकाल एक साल अउर बढ़ा दिहल गइल बा.
  • अबसे आंगनबाड़ी सेविका जनम आ मरण के सर्टिफिकोटे जारी करे के अधिकारी बना दिहल गइल बाड़ी. ओह लोग के उप रजिस्ट्रार के अधिकार दिहल गइल बा. हर सर्टीफिकेट खातिर ओह लोग के सरकार बीस रूपिया के प्रोत्साहन राशि दिहल जाई.
  • पूर्वी चंपारण आ मुजफ्फरपुर में सात गो हार्डकोर नक्सलियन के गिरफ्तार कइलसि पुलिस.
  • विधानसभा चुनाव ना लड़ीहे नीतीश कुमार आ विधान परिषदे के सदस्य बनल रहीहे.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • सपा आ बसपा के कांग्रेस के बंधुआ मजदूर बतवलन भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष विनय कटियार.
  • उमा भारती आ नितिन गडकरी हरदोई से प्रचार दौरा शुरू करी लोग.
  • भाजपा नेता मुख्तार अब्बास नकवी कहले बाड़न कि अबकी का चुनाव में कवनो ना कवनो दल के अकेले बहुमत मिल जाई. कहलन कि भाजपा अबही सबले आगा चलत बिया. इहो कहलन कि भाजपा सपा भा बसपा से कवनो गठबन्हन ना करी.
  • एनआरएचएम घोटाला में परसो पड़ल छापा में करोड़ो के नाजायज संपति मिलल बा आ घोटाला से जुड़ल बहुते जानकारियो भेंटाइल बा.
  • अठाइस जनवरी के सबेरे सात बजे का बाद से तीन मार्च साँझ साढ़े पाँच बजे का बीच कवनो ओपिनियन पोल भा एक्जिट पोल के प्रसारण ना कइल जा सके. निर्वाचन आयोग एह सब पर रोक लगा दिहले बिया.

देश के खबर

  • कर्नाटक के अवैध खनन मामिला में पहिले मुख्यमंत्री रहल आ अब केन्द्र में विदेश मंत्री एस॰एम॰: कृष्णा के भूमिका के जांच करावे के अनुमति कर्नाटक के हाई कोर्ट दे दिहलसि. एह आदेश का बाद भाजपा उनुकर इस्तीफा मँगले बिया.
  • पाँच राज्य में होखत विधानसभा चुनाव में कवनो पार्टी का खिलाफ अभियान ना चलाई टीम अन्ना. हालांकि भठियरपन का खिलाफ ओकर आंदोलन जरूर चलत रही.
  • माकपा नेता प्रकाश करात कहलन कि विपक्ष के ले आवल संशोधन मानत लोकपाल बिल फेर से राज्यसभा में ले आवे सरकार.
  • जयपुर में होखत साहित्योत्सव में कुछ साहित्यकार काल्हु सलमान रूश्दी के लिखल सटैनिक वर्सेज किताब के अंश पढ़ल चहले त आयोजक रोक दिहले. कहलन कि एकरा चलते ओह लोग पर पुलिस कार्रवाई कर सकेले. अब मुस्लिम नेता माँग कइले बाड़न कि ओह लोक पर मुकदमा चलावल जाव आ ओह सबके गिरफ्तार कइल जाव.
  • भंवरी मामला में महिपाल मदेरणा के न्यायिक हिरासत 3 फरवरी तक बढ़ावल गइल.
  • अपना बेकाबू गाड़ी से सात लोग के कचार मारे वाला एलिस्टेयर परेरा के जेल भेज दिहल गइल.
  • योजना आयोग कहलसि कि ऊ केंद्रीय गृह मंत्रालय से भारतीय अनन्य पहचान प्राधिकरण पर बनल मतभेद अगिला हफ्ता कैबिनेट का सोझा ले जाई.
  • अल्ट्रा सुपर-क्रिटिकल ब्वॉयलर बनावे का तरफ भारत के पहिला कदम पूरा हो गइल आ ऊ दू गो मिश्रित धातु बना लिहलसि जवन बहुते गरम तापमान बरदाश्त कर सके.
  • कांग्रेस अपना एगो मंत्री के ममता के मंत्रिमंडल छोड़े के अनुमति दे दिहलसि.

दुनिया के खबर

  • तीन साल से पाकिस्तानी सेना के जनरल “बनल” एगो आदमी के कराची में गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी आ सेना प्रमुख जनरल अशफाक परवेज कयानी के अनौपचारिक मुलाकात शुक का दिने एगो चाय पार्टी मे भइल जवन नौसेना प्रमुख एडमिरल आसिफ संदिला के सम्मानित करे का मौका पर दिहल रहे.
  • अफगानिस्तान में एगो हेलीकॉप्टर हादसा में 6 गो नाटो सैनिकन के मौत हो गइल.
  • चीन के स्वदेश निर्मित माइक्रोप्रोसेसर से बनल सनवे ब्ल्यूलाइट सुपरकम्प्यूटर आधिकारिक तौर पर काम शुरू कर दिहलसि. ई कम्प्यूटर हर सेकंड में 10,000 खरब गणना कर सकेला.
  • पाकिस्तान नाटो खातिर अफगानिस्तान जावे वाल राह खोले से इंकार कर दिहलसि.
  • ईरान में भूकम्प के झटका आइल, 36 जने घवाहिल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड के शुद्ध लाभ मौजूदा कारोबारी साल के पहिला तिमाही में 13.55 फीसदी कम रहल.
  • कराधान मसला पर वोडाफोन के राहत देत सुप्रीम कोर्ट आयकर के दावा खारिह कर दिहलसि जवना में वोडाफोन से 11,218 करोड़ रुपिया कर माँगल गइल रहे.
  • भारत-आसियान व्यापार 2012 में 70 अरब डॉलर के रही.
  • पूर्वोत्तर राज्यन के विकास खातिर विश्व बैंक से 13 करोड़ डॉलर के करजा मिलल.
  • शेयर बाजारों में शुक का दिने तेजी रहल आ सेंसेक्स 95 अंक ऊपर बंद भइल.
  • बिहार सरकार का लगे बिजली, सीमेंट अउर खाद्य प्रसंस्करण समेत अनेके उद्योगन खातिर छह सौ से अधिका निवेश प्रस्ताव आइल बा.
  • आईटीसी के तिमाही शुद्ध लाभ 22.4 फीसदी बढ़ल.
  • सॉफ्टवेयर कम्पनी विप्रो लिमिटेड के मौजूदा कारोबारी साल के आखिरी तिमाही में कुल आय में मामूली वृद्धि होखे के उमेद बा.
  • अमेरिका के वार्षिक महंगाई दर 2007 के बाद सबले अधिका बढ़ल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • फिल्म समीक्षक निखत काजमी के निधन हो गइल. ऊ ब्रेस्ट कैंसर के मरीज रहली.
  • अभिनेत्री लारा दत्ता आ टेनिस स्टार महेश भूपति का घरे शुक का दिने बेटी के जनम भइल.
  • अभिनेत्री काजोल अपना वैवाहिक जीवन से बेहद खुश बाड़ी आ अपना दुनु बचवन का साथे बहुते खुश हाल बाड़ी. कहली कि इहे खुशहाली उनुका चेहरा पर चमकेला.
  • नृत्य निर्देशक गीता कपूर के मानना बा कि अब लोग नृत्य निर्देशक के पेशा के ईज्जत करे लागल बा आ कुछ लोग नृत्य में करियर बनावल चाहऽता.
  • अमिताभ बच्चन के कहना बा कि सत्तर के दशक के फैशन फेरु लवटि आइल बा.
  • बॉलीवुड अभिनेता अर्जुन रामपाल टेलीविजन कार्यक्रम ‘लव 2 हेट यू’ के शूटिंग पूरा कर लिहले. एह शो में ऊ मशहूर हस्तियन आ ओह लोग से नफरत करे वालन के साक्षात्कार करीहन.
  • बॉलीवुड मेगास्टार अमिताभ बच्चन अपना पिता आ मशहूर कवि हरिवंश राय बच्चन के कवितन के अपना आवाज में रिकार्ड करवइहे.

खेल के खबर

  • कलमाडी के चाहीं कि भारतीय ओलम्पिक संघ के अध्यक्ष पद से इस्तीफा दे देसु. कहले खेल मंत्री अजय माकन.
  • कपिलदेव के कहना बा कि मौजूदा समय में हमहन के भारतीय टीम के साथ देबे के चाहीं.
  • रणजी ट्रॉफी के फाइनल के दुसरका दिन के खेल खतम होखे ले विनित सक्सेना दोहरा शतक बना लिहले आ राजस्थान के दू विकेट का नुकसान पर 404 रन हो गइल.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद हिमाचल प्रदेश के धर्मशाला में स्थित हिमाचल प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन (एचपीसीए) स्टेडियम को अंतर्राष्ट्रीय मैच के मेजबानी करे लायक मान लिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: