आजु के फोटो
(मणिपुर विधानसभा चुनाव में वोटिंग मशीन वगैरह ले के चलल मतदान कर्मी. )
बिहार के खबर
- मार्च ले राज्य में तीन सौ नया मवेशी अस्पताल खोलल जाई आ पाँच सौ पशु चिकित्सकन के बहाली कइल जाई.
- रोहतास के चेनारी इलाका में एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला का चलते एगारह लोग घवाहिल हो गइल जवना में तीन जने के हालत गंभीर बा.
- छपरा जिला के डोरीगंज इलाका में मेहरौली घाट पर गंगा-घाघरा नदी के संगम के नियरा दू गो नावन के टकरइला से एगो नाव डूब गइल जवना पर सवार तीन जने लापता बतावल जात बाड़े.
उत्तर प्रदेश के खबर
- जौनपुर के मुख्य चिकित्साधिकारी के कार्यालय पर दुसरका बेर छापा पड़ल. कुछ दिन पहिलहु छापा पड़ल रहुवे. सीबीआई राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन घोटाला के जाँच करत बिया.
- मुख्तार अंसारी के दिल्ली के एगो अदालत नौ फरवरी के हाजिर करावे के आदेश दिहल यूपी पुलिस के.
- यूपी चुनाव के दुसरका दौर में 1099 उम्मीदवार मैदान में रह गइले. आजु नाम वापस लेबे के आखिरी दिन रहुवे.
- उप्र चुनाव में कांग्रेस के विजन डॉक्यूमेंट में बीस लाख लोग के नौकरी देबे आ नया हरित क्रांति के बात कहल गइल बा. एह पर भाजपा नेता मुख्तार अब्बास नकवी पूछले बाड़न कि वोटन के सौदागर, सपना कब से बेचे लगलन.
- बसपा से आइल नरेश अग्रवाल के सपा के राष्ट्रीय महासचिव बना दिहल गइल.
- भाजपा के चुनाव घोषणा पत्र में कहल गइल बा कि ओकर सरकार बनल त पिछड़ा वर्ग के कोटा से काट के अल्पसंख्यकन के दिहल आरक्षण रद्द कर दिहल जाई आ कोर्ट से मिलल जमीन पर राम मंदिर बनावल जाई.
- कल्याण सिंह मुलायम सिंह के ठग बतावत कहलन कि अइसन कवनो सगा नइखे जेकरा के मुलायम ठगले ना होइहें.
- यूपी चुनाव में सपा के प्रचार अभियान से अबकी बॉलीवुड के रंग गायब बा.
- जदयू तृणमूल कांग्रेस से सीट के बँटवारा के बाति करत बावे.
देश के खबर
- भंवरी मामला में गिरफ्तार एगो आरोपी शिक्षक के सीबीआई हिरासत में भेजल गइल.
- विशिष्ट पहचान पत्र पर आखिरकार गृहमंत्रालय आ भाविपप्राधिकरण का बीच देश के आधा आधा नागरिकन के पहचान पत्र बनावे पर सहमति बन गइल.
- हैदराबाद के एगो अदालत ने एम्मार टाउनशिप मामिला में वाईएसआर कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष वाई.एस. जगनमोहन रेड्डी के सहयोगी सुनील रेड्डी के दू दिन खातिर सीबीआई के हिरासत में भेज दिहलसि.
- केरल के राज्यपाल एम हसन फारूके गुर्दा का बेमारी का चलते एगो निजी अस्पताल में मौत हो गइल जहाँ ऊ कई दिन से भरती रहले.
- अवैध खनन मामले में कर्नाटक मे मुख्यमंत्री रहल आ अबही केन्द्र के विदेश मंत्री एस एम कृष्णा के खिलाफ जाँच पर अंतरिम रोक लगवलसि सुप्रीम कोर्ट.
- 2जी घोटाला में एस्सार समूह आ लूप टेलीकॉम के प्रोमोटरन के फेर सम्मन भेजल गइल. पिछला सम्मन पर ई लोग हाजिर ना भइल रहुवे.
- तिहाड़ जेल में “कैम्पस प्लेसमेंट” का जरिये 142 कैदियन के नौकरी दिहल गइल.
- भारतीय नौसेना में दुसरका प्रशिक्षण पोत आईएनएस सुदर्शिनी आजु शुक का दिने शामिल कइल गइल.
- अन्ना हजारे के कहना बा कि उनुका थप्पड़ वाला बयान के गलत मायने में पेश कइल गइल बा.
- देशी तकनीक से बनल चालक रहित लड़ाकू विमान लक्ष्य-2 के आजु बालासोर परीक्षण रेंज से सफल परीक्षण कइल गइल.
- मणिपुर में शनिचर का दिने मतदान में 279 उम्मीदवारन के किस्मत के फैसला होखे जात बा. मणिपुर विधानसभा के सगरी 60 सीट खातिर एके दिन मतदान होखे वाला बा.
- कोलकाता के एएमआरआई अस्पताल के 2 गो अउरी निदेशक के गिरफ्तार कर लिहल गइल. पहिले से सात गो निदेशक जेल में बाड़े.
- सु्प्रीम कोर्ट नक्सली नेता कोबाद गाँधी के जमानत दिहला पर रोक लगा दिहलसि. ओकरा के आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय जमानत दे दिहले रहुवे.
- जयललिता अपना दू गो मंत्रियन के हटा दिहली.
दुनिया के खबर
- दक्खिन अफ्रीका में डायनासोर के उनइस अरब साल पुरान आशियाना मिलल बा.
- सक्रिय राजनीति से संन्यास ले सकेली अमेरिका के विदेश मंत्री हिलेरी क्लिंटन.
- इराक में भइल आत्मघाती कार विस्फोट में 22 लोग के जान चल गइल.
- जी-4, भारत, ब्राजील, जर्मनी आ जापान, संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के स्थायी अउर अस्थायी दुनु तरह के सदस्यन के गिनिती बढ़ावे के माँग कइले.
- प्रधानमंत्री गिलानी शुक का दिने कहलन कि पाकिस्तान लवटला पर परवेज मुशर्रफ के गिरफ्तार कर लिहल जाई.
- त्रिनिदाद के सूचना प्रौद्योगिकी केन्द्र का तरह विकसित करे में मदद करी भारत.
- पाकिस्तान के सैन्य अकादमी पर रॉकेटन से हमला भइल. संजोग से केहु हताहत नइखे.
- मेक्सिको में पड़ल सूखा का चलते करीब पचीस लाख लोग भूखमरी के शिकार बन सकेले.
- पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी के कहना बा कि ओहिजा सभे लोकतंत्र चाहत बा आ केहु ‘संविधान के लाँघल नइखे चाहत.’
- पाकिस्तान में सूचना प्रसारण विभाग से जुड़ल नेशनल असेम्बली के स्थाई समिति सिफारिश कइले बिया कि निजी टेलीविजन चैनलन पर केहुओ के देश का खिलाफ ना बोले दिहल जाव.
- नाइजीरिया में बियफे का दिने 15 गो व्यापारियन के कुछ बंदूकधारी हत्या कर दिहले सँ.
व्यापार व्यवसाय के खबर
- एप्पल बनावत बा एगो ‘यूनिवर्सल टचस्क्रीन रिमोट’ जवना से टीवी, वीडियो टेप प्लेयर, डीवीडी प्लेयर आ कम्प्यूटर सबहन के चलावल जा सकी आ अलगा-अलगा रिमोट राखे के जरूरत ना पड़ी.
- एसोचैम के उमेद बा कि एह साल अंतरिक्ष आ रक्षा क्षेत्र में निर्यात बढ़ जाई.
- रंगराजन के अध्यक्षता में चीनी उद्योग के अध्ययन करे खातिर विशेषज्ञ समिति बनावल गइल बा. सरकार के नियंत्रण में ई अकेला उद्योग बाँचल बा.
- शुक का दिने शेयर बाजारन में तेजी रहल आ सेंसेक्स 157 अंक उपर बंद भइल.
- टैबलेट बाजार में एंड्रॉयड के हिस्सेदारी बढ़ के 39 फीसदी हो गइल.
- अगिला साल के रक्षा बजट में कटौती कइलसि अमेरिका.
मनोरंजन का दुनिया से
- नृत्य-निर्देशक से फिल्मकार बनल फराह खान अब अभिनयो में हाथ अजमइहे.
- ऋतिक के कहना बा कि बिग बी से उनुकर तुलना कइल सही बात नइखे. ऋतिक के फिल्म ‘अग्निपथ’ प्रदर्शित होखला के पहिलका दिने 25 करोड़ के कमाई कइलसि. कमाई में ई फिलिम ‘बॉडीगार्ड’ आ ‘रा वन’ के पीछे छोड़ दिहलसि.
- डेविड धवन के नीक लगली ‘चिकनी चमेली’ कैटरीना.
खेल के खबर
- आस्ट्रेलियन ओपन में एंडी मरे के हराकर फाइनल में पहुंचले नोवाक जोकोविक.
- टूर्नामेंट ऑफ चैम्पियंस के फाइनल में हार गइली भारत के स्क्वॉश खिलाड़ी दीपिका पाल्लीकल.
- टेस्ट इतिहास के 8वाँ ‘क्लीन स्वीप’ करावे जात बा भारत. एडिलेड टेस्ट में भारत के हारल एकदम तय बा.
- आस्ट्रेलियन ओपन में कुज्नेतसोवा आ ज्वोनारेवा के महिला युगल जोड़ी चैम्पियन बनल.
- एडिलेड टेस्ट में भारत 6 विकेट का नुकसान पर 166 रन बना पवलसि.
- न्यूजीलैण्ड आ जिंम्बाब्वे का बीच खेलल जात नेपियर टेस्ट बरखा का चलते पूरा ना हो सकल. आजु दुसरका दिने महज 15.2 ओवर के खेल हो पावल.
- आस्ट्रेलियन ओपन में सानिया-भूपति के जोड़ी सेमीफाइनल में हार गइल.
- चर्चित खेल पत्रकार रघुनाथ राव के एगो लमहर बेमारी का बाद बियफे साँझ के निधन हो गइल.