Go to ...
RSS Feed

Archives for January 2012

टटका खबर (अतवार, 8 जनवरी 2012)

आजु के फोटो (प्रवासियन के वेबसाइट के जयपुर में आठ जनवरी के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं. साथ में बाड़ी त्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर, राजस्थान के राज्यपाल शिवराज पाटिल, विदेशी मामिलन के मंत्री व्यालार रवि आ राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत.) बिहार के खबर उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी कहलन कि राज्य के

टटका खबर (शनिचर, 7 जनवरी 2012)

आजु के फोटो (सात जनवरी के गुजरात के गाँधीनगर में गुजरात नेशनल लॉ युनिवर्सिटी के नया परिसर के उद्घाटन करे आइल उपराष्ट्रपति मोहमम्द हासिम अंसारी आ सलमा अंसारी के स्वागत करत गुजरात के राज्यपाल डा॰ कमला बेनीवाल आ मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी.) बिहार के खबर प्रदेश कांग्रेस कहलसि कि बिहारो में केन्द्र का तरह अल्पसंख्यकन के

टटका खबर (शुक, 6 जनवरी 2012)

आजु के फोटो (ट्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर का साथे दिल्ली में प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं) बिहार के खबर प्रदेश में एकतीस मार्च ले राष्ट्रीय सुरक्षा कानून लागू कर दिहल गइल बा जवना का बाद अब जिलाधिकारी के आदेश से देश खातिर खतरा होखे का सन्देह में कवनो आदमी के गिरफ्तार कइल जा सकेला

टटका खबर (बियफे, 5 जनवरी 2012)

आजु के फोटो (त्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर के दिल्ली अइला पर स्वागत करत संचार आ सूचना तकनीक राज्य मंत्री सचिन पायलट) बिहार के खबर बिहार के सगरी विधानसभा के पुनरीक्षित मतदाता सूची आजु प्रकाशित कर दिहल गइल. अबकी बारह लाख से बेसी नया मतदाता जुड़ल बाड़े एह सूची में. मरला आ जगह

टटका खबर (बुध, 4 जनवरी 2012)

बिहार के खबर राज्य के सगरी आईएएस अधिकारियन के कह दिहल गइल बा कि ऊ लोग एकतीस जनवरी से पहिले अपना चल आ अचल संपत्ति के ब्योरा दाखिल कर देव. राज्य सरकार के कर्मचारियन खातिर ई तारीख उनतीस फरवरी तय कइल गइल बा. जेकरा संपत्ति में दस फीसदी से बेसी के इजाफा भइल होखी ओकरा

आकाशवाणी पटना में अंशकालीन संवाददाता के बहाली

आकाशवाणी पटना के समाचार विभाग में संविदा पर अंशकालीक संवाददाता के नियुक्ति छह गो जिला, कटिहार, सीतामढ़ी, भोजपुर, वैशाली, जहानाबाद आ अररिया, में होखे वाला बा. एकरा खातिर पत्रकारिता में डिग्री भा डिप्लोमा का साथे दू साल के पत्रकारिता के अनुभव चाहीं. उमिर चौबीस से पैंतालिस साल का भीतर होखे आ कैमरा आ कंप्यूटर चलावल

टटका खबर (मंगल, 3 जनवरी 2012)

बिहार के खबर मुख्यमंत्री नीतीश से बेसी अमीर उनुकर बेटा निशांत बाड़े. ई खुलासा आजु सरकार के मंत्रियन के संपति के घोषणा का बाद भइल. निशांत के अपना महतारी के सगरी संपति मिलल जब उनुका महतारी के निधन हो गइल. बिहार में नयका लोकायुक्त कानून लागू कर दिहल गइल. पहिले लोकायुक्त कवनो आदमी होत रहे

टटका खबर (सोमार, 2 जनवरी 2012)

बिहार के खबर रोहतास के चुटिया थाना के मटियांव जंगल में सोमार का दिने भइल पुलिस नक्सली भिड़न्त में तीन गो माओवादी मरा गइले. ई रहले रोहतास के एरिया कमांडर काशीकोल, यूपी सोनभद्र के गुड्डू सिहं आ गढ़वा झारखंड के संतोष यादव. मुठभेड़ का बाद सुशील चौधरी के गिरफ्तार कर लिहल गइल आ बहुते असलहा

टटका खबर (अतवार, 1 जनवरी 2012)

बिहार के खबर राज्य भर में काल्हु रात से रूक रूक के बरखा होखत बा जवना चलते दिन भर जनजीवन अस्तव्यस्त रहल. पहली जनवरी मनावे के उत्साहो ठंडा पड़ गइल. एह बरखा से खेत में पड़ल धान, आलू आ सब्जियन के फसल खराब होखी बाकिर गेंहू, चना आ खेसारी खातिर ई बरखा बहुते फायदेमंद बा.

टटका खबर (शनिचर, 31 दिसंबर)

बिहार के खबर जमुई जिला के किल्हा गांव से नक्सली चार गो गाँव वालन के उठा ले गइल रहले. ओह लोग के लाश शनिचर का दिने बांका जिला के कटोरिया-बेसरा रोड का किनारे मिलल बा. मुंबई से लूटल पैंतीस लाख के जेवर बिहार में नालन्दा जिला के भासीमपुर गाँव से बरामद भइल. दू आदमी के

‹‹Newer Posts