Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

Archives for February 2012

टटका खबर, मंगल, २८ फरवरी २०१२

बिहार मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु विधानसभा में कहलन कि राज्य में इंद्रधनुषी कृषि क्रांति खातिर एक अप्रेल से कृषि रोड मैप लागू कइल जाई. मकसद बा कि हर हिंदुस्तानी का थरिया में कम से कम एगो बिहारी व्यंजन जरूर होखे. विधानसभा में आजु सरकार भरोसा दिहलसि कि महिला मास्टरनी लोग के पदस्थापना ओह लोग का

टटका खबर, सोमार, २७ फरवरी २०१२

बिहार राज्य के शिक्षकन के अब तीन गो ग्रेड रही आ तीनो के वेतनमान अलग अलग. ई नयका नियम पहिले से नियोजित आ अब होखे वाला सभे पर एक जइसन लागू होखी. प्रधानाध्यापक ग्रेड में खाली प्रशिक्षिते शिक्षक पदस्थापित होखीहें. आधा पद महिला वर्ग खातिर आरक्षित हो जाई. सारण जिला के करिंगा गाँव का लगे

टटका खबर, अतवार, २६ फरवरी २०१२

बिहार पटना मेडिकल कॉलेज के स्थापना दिवस के सत्तासीवां समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल के स्वायतशासी संस्थान बनावल जाई. राज्य वन प्राणी परिषद के बइठक में राजगीर में चिड़ियाघर बनावे के आ राजगीर आ मंदार पर्वत से रोहतास पर्वत का बीच रोप वे बनावे के फैसला लिहल

टटका खबर, शनिचर, २५ फरवरी २०१२

बिहार मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु पटना जिला में मसौढ़ी के गाँधी मैदान में महादलित रेडियो योजना के शुरूआत करीहें. एह योजना में हर महादलित परिवार के एगो रेडियो खरीदे खातिर चार सौ रूपिया के कूपन बाँटल जाई. काल्हु पेश भइल बजट में प्रस्ताव कइल गइल बा कि निजी बिल्डरन के बनावल आवासीय भा व्यवसायिक परिसर

टटका खबर, शुक, २४ फरवरी २०१२

बिहार आजु विधानसभा में साल बारह तेरह के बजट पेश कइले उपमुख्य आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी. बजट में अठाईस सौ करोड़ के योजना खर्च के प्रस्ताव बा. कंकड़बाग में सड़क बनावे का दौरान बिजली के करंट से मरे वाला दु गो लड़िकन के परिवार के डेढ़ डेढ़ लाख रुपिया मुआवजा दिहल जाई. पश्चिम

टटका खबर, बियफे, २३ फरवरी २०१२

बिहार एगो व्यापारी के मर्सिडीज हड़पे का आरोप में बिहार सरकार के एगो ज्वांयट सेक्रेटरी के बेटा के गिरफ्तार कर लिहलसि पटना पुलिस. गाड़ी अधिकारी का सरकारी आवासे से बरामद कर लिहल गइल. विधानसभा में काल्हु पेश आर्थिक सर्वेक्षण रपट में कहल गइल बा कि राज्य के चहुमुँखी विकास भइल बा. सड़क के लम्बाई पहिले

टटका खबर, मंगल, २१ फरवरी २०१२

बिहार विधानसभा के सत्र आजु राज्यपाल देवानंद कुंवर के अभिभाषण से शुरू भइल. विपक्षी विधायक जम के हंगामा मचवलन आ राज्यपाल कई बे ओह लोग से शांत रहे के निहोरा कइले बाकिर ऊ लोग अपना नारेबाजी में लागल रहल आ जबले राज्यपाल बोलत रहले तबले चलत रहल. बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा काल्हु बुध से

इंजिनियरिंग प्रवेश परीक्षा प्रणाली में बदलाव साल २०१३ से

बरिसन से चलत आ रहल इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा प्रणाली में अगिला साल से बदलाव करे के फैसला केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्रालय मंजूर कर लिहलसि. एह नया प्रणाली के लागू हो गइला का बाद अनेक तरह के प्रवेश परीक्षा ना होखी आ सगरी देश खातिर एकही प्रवेश परीक्षा करावल जाई. बतावल जात बा कि एहसे परीक्षार्थियन

टटका खबर, अतवार, १९ फरवरी २०१२

आजु के फोटो (वैश्विक बिहार सम्मेलन में बोलत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार) जानकारी काल्हु अँजोरिया के वेबसर्वर डाउन रहला का चलते अँजोरिया परिवार के कई गो वेबसाइट बारह घंटा ले ना खुल सकल. एह खातिर अपना पाठक परिवार से माफी माँगत बानी. बिहार मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि पटना मे भइल वैश्विक

टटका खबर, शुक, १७ फरवरी २०१२

आजु के फोटो (पटना हवाई अड्डा पर परेड के सलामी लेत नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई) बिहार बदलत बिहार पर वैश्विक सम्मेलन के उद्घाटन आजु पटना में नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई कइलन. अपना संबोधन में भट्टराई कहलन कि अगर भारत आ नेपाल मिल के काम करें त सीमा पर के इलाकन कें समृद्धि के

Older Posts››