बिहार
- लोकसभा अध्यक्षा मीरा कुमार आजु कैमूर जिला के सरैया गाँव में सम्राट अशोक के प्रतिमा के अनावरण कइली.
- छपरा जिला में दिघवारा का लगे निजामचक में एगो सड़क दुर्घटना में दू गो नौजवानन के मौत हो गइल आ तिसरका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
उत्तर प्रदेश
- यूपी के पहिला दौर के चुनाव में अब चार दिन बाचल बा आ सगरी राजनीतिक दल आपन पूरा ताकत झोंक दिहले बाड़े. बुध का दिने ५५ गो निर्वाचन क्षेत्र में वोट डालल जाई. एह दौरान चउथा दौर के नाम वापसी के काम आजु पूरा हो गइल. पाँचवा आ छठवाँ दौर के नामांकन के प्रक्रिया चलत बा.
देश
- दिल्ली के एगो विशेष सीबीआई अदालत आजु सुब्रह्मण्यम स्वामी के ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि जवना में ऊ पी चिदंबरम के टू-जी स्पेक्ट्रम घोटाला में सह अभियुक्त बनावे के माँग कइले रहले. अदालत का लागल कि स्वामी कवनो अइसन सुबूत नइखन देत जवना से कि तय होखे कि चिदंबरम जवन कइलन तवन कवनो बदनीयती से कइलन. एह फैसला का बाद उछाह में आइल कांग्रेसी अब विपक्ष के सलाह दिहलन कि ऊ लोग चिदम्बरम का घरे जा के उनुका से माफी माँगे जबकि फैसला से हैरत में पड़ल स्वामी कहलन कि उनुका खातिर ई कवनो नया बाति नइखे. अबही त लोअर कोर्ट से मामिला खारिज भइल बा. कहलन कि अब हाई कोर्ट में अपील करीहें आ ओहिजो से काम ना बनी त सुप्रीम कोर्ट ले जइहे बाकिर चिदम्बरम के जेल भिजवा के रहीहे.
- गुजरात के राज्यपाल बिना मुख्यमंत्री से सलाह लिहले लोकायुक्त नियुक्त कर दिहले रहले. एह बाति का खिलाफ हाई कोर्ट गइल गुजरात सरकार के हार के सामना करे के पड़ल जवना का बाद गुजरात सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगवले रहुवे. पिछला दिने गुजरात सरकार के याचिका विचार करे खातिर अदालत सकार लिहलसि बाकिर टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला का बीच ओकर मीडिया में कवनो खास चरचा ना भइल, अगर अदालत याचिका खारिज कर दिहले रहीत त शायद ओकर जम के चरचा भइल रहीत.
- कर्नाटक के विशेष लोकायुक्त अदालत भूमि अधिग्रहण अधिसूचना रद्द करे का मामिला में मुख्यमंत्री रहल वी.एस. येडियुरप्पा, उनुका बेटा विजेन्द्र अउर राघवेन्द्र आ दामाद सोहन कुमार समेत
मंत्री रहल कृष्णैया शेट्टी के समन जारी कइले आ तीनमार्च के हाजिर होखे के कहले बा. - मणिपुर में ३४ गो मतदान केन्द्रन पर आजु दुबारा वोट डलवावल गइल आ एह मतदान में ७१ फीसदी से बेसी मतदान के खबर बा.
- गोवा में ४० सीट वाली विधानसभा के चुनाव तीन मार्च के करावल जाई. परचा दाखिल करे के काम सोमार ६ फरवरी से शुरू होखी. गोवा के चुनाव में वोट डाले आइल हर मतदाता के अंगूठा के निशान लिहल जाई आ ओकर फोटो लिहल जाई. ई पायलट प्रोजेक्ट अगर सफल रहल त देश भर में एकरा के लागू कर दिहल जाई.
- ओड़िशा में बर्डफ्लू के पता चलला का बाद राजधानी भुवनेश्वर में मुर्गियन के खतम करे के काम काल्हु से शुरू कर दिहल जाई. एह दौरान अठाइस हजार से अधिका मुर्गियन के मारे के अनुमति राज्य सरकार दिहले बिया.
- काल्हु अतवार का दिने पैगम्बर मोहम्मद के जयन्ती मिलाद-उन-नबी मनावल जाई.
दुनिया
- सीरिया में विपक्षी सीरियन ऑब्जर्वेटरी फॉर ह्यूमन राइट्स के कहना बा कि होम्स शहर पर सुरक्षा बल के गोलाबारी में दू सौ से अधिका लोग मारल गइल बा जे लोग ओहिजा साल १९८२ के इस्लामी विद्रोह के याद में जुटल रहुवे.
- सोमालिया के पूर्वोत्तर शहर बधाडे में भइल हिंसा में अल- शबाब के आठ कमांडर समेत कम से कम एक सौ लड़ाका मारल गइले.
बिजनेस
- रिजर्व बैंक आवास ऋण देबे वाला बैंकन के सलाह दिहलसि कि केहु के अस्सी फीसदी से बेसी आवास ऋण मत दिहल जाव आ घर के दाम बढ़ा के मत जोड़ल जाव. घर के दाम जोड़त घरी रजिस्ट्रेशन के खरचा दाम में मत जोड़ल जाव.
खेल
- सहारा इण्डिया अब भारतीय क्रिकेट टीम के प्रायोजक ना रही आ ऊ पूणे वारियर्स के मालिकाना हक छोड़ दिहलसि. सहारा के शिकायत बा कि बीसीसीआई का चलते ओकरा बहुत नुकसान उठावे के पड़ल बा.
- आजु आईपीएल खातिर खिलाड़ियन के नीलामी में जडेजा के नौ करोड़ में खरीदल गइल त वीवीएस लक्ष्मण के केहु पुछनीहारो ना मिलल.
- भारत, ऑस्ट्रेलिया आ श्रीलंका के बीच तिकोनिया एकदिना क्रिकेट प्रतियोगिता काल्हु से शुरू होखे जात बा. पहिला मुकाबला मेलबर्न में भारत आ ऑस्ट्रेलिया का बीच होखी.
- चीन के शेनझेन में आज फेड कप टेनिस एशिया ओसनिया जोन ग्रुप-दो के प्ले आफ मुकाबला में भारत हांगकांग के २-१ से हराके साल २०१३ खातिर ग्रुप-एक में आ गइल.
399 total views, 2 views today